Archives for March 2015
(सोमार, 30 मार्च के खबर) जम्मू-कश्मीर के कश्मीर घाटी में भारी बरखा का चलते एक बेर फेरू बाढ़ के कहर बरपल बा सात महीना बाद. बडगाम के एगो गाँव में मकान ढहला का चलते 16 जने के मौत हो गइल आ ह, हजारन लोग एह आफत में फॅसल बा. केन्द्र का तरफ से 200 करोड़
(अतवार, 29 मार्च के खबर) यूपी पीसीएस परीक्षा के परचा लीक हो गइला का बावजूद पूरा राज्य में परीक्षा करा लिहल गइल. लीक के जाँच करे खातिर स्पेशल टास्क फोर्स के लगावल गइल बा. शुरूआती जाँच में तीन जने के गिरफ्तार कइल गइल बा आ कई जने के मोबाइल सर्विलांस पर डालल गइल बा. हालांकि
(शनिचर, 28 मार्च के खबर) आखिर उहे भइल जवन पहिले से तय रहुवे. अपना गोल के तानाशाह बन चुकल अरविन्द केजरीवाल आपन तनिको विरोध करे वालन के गोल से लात मार के निकाल फेंके पर आमादा बाड़न. आ शनिचर का दिने भइल बइठक का दौरान कुछ लोग के बाकायदा पिटाईओ कइल गइल. आआपा गोल में
(शुक, 27 मार्च के खबर) आजु राम नवमी का मौका पर सगरी लोगन खातिर मंगल कामना. आजु भगवान श्रीराम के जनम के दिन ह. राम जे आदर्श के प्रतीक हउवन, जिनका के पुरूषन में उत्तम पुरुषोत्तम के संज्ञा दिहल गइल बा, जिनका राम राज के सपना ले के गाँधी आजादी के लड़ाई लड़लन ओही श्रीराम
(मंगल, 24 मार्च के खबर) जर्मन एयर लाइन्स लुफ्थांसा के सहायक कंपनी जर्मन विंग्स के एयर बस हवाईजहाज दक्खिनी फ्रांस में स्पेन के तटवर्ती शहर बार्सिलोना से जर्मनी के डुसेलडोर्फ जात घरी गिर पड़ल जवना से ओह पर सवार सगरी डेढ़ सौ लोग के मौत हो गइल. जहाज के मलवा खोज लिहल गइल बा. उच्चतम
(सोमार, 23 मार्च के खबर) किसानन खातिर भारत सरकार एगो योजना शुरू करे वाली बा जवना से पब्लिक प्राइवेट पार्टनरशिप माॅडल पर साठ साल बाद से हर महीना पाँच हजार रुपिया के पेंशन मिलल करी. एह बात के जानकारी प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी पंजाब के एगो समारोह में दिहलन. कहलन कि साल 2002 में जब भारत
(अतवार, 22 मार्च के खबर) भूमि अधिग्रहण विधेयक का बारे में चलत बहस के सीधे किसानन का बीच ले जात अतवार का दिने प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी अपना ‘मन के बात’में कहलन क एह बारे में विपक्ष गलतबयानी क के किसानन के भरमावे का फेर में लागल बा. कहलन कि विधेयक किसाने का फायदा खातिर ले
(शनिचर, 21 मार्च के खबर) यूपी के मेरठ का हासिमपुरा में साल 1987 का दंगा का बेरा 42 लोग के हत्या के मुकदमा पीएसी के जवानन पर लगावल गइल रहे. शिकायत रहे कि ई लोग एके समुदाय के 42 जने के उठा लिहल आ राह में सभके मार दिहलस. बाकिर अदालत में एह लोग का
(शुक 20 मार्च के खबर) चैती नवरात्र आजु शनिचर से शुरू होखत बा आ एही दिन से हिन्दू नया साल के शुरुआत हो जाई. एही नवरात्र में चैती छठ आ रामनवमी पर्वो मनावल जाई. साँझ वाला अरघ 25 मार्च के, सबेरे वाला अरघ 26 मार्च के आ रामनवमी 28 मार्च के मनावल जाई. चैत नवरात्र
(मंगल, 17 मार्च के खबर) लोकसभा चुनाव में आपन जमीन गँवा चुकल कांग्रेस जमीन के राजनीति क के आपन गँवावल जमीन पावे का आशा में आ बाकी विपक्ष ओकर पोंछ ध के वैतरणी पार करे का उमेद में आजु संसद भवन से पैदल राष्ट्रपति भवन तक मार्च कइल लोग. सोनिया गाँधी दावा कइली कि एह
(सोमार, 16 मार्च के खबर) इलाहाबाद जिला न्यायालय में दरोगा से अझुरइला का चलते भइल वकील के हत्या का खिलाफ देश भर के वकील विरोध दिवस मनवले सोमार का दिने आ बिहार यूपी के अदालतन में कतहीं कवनो काम ना हो पावल. एह लोग के शिकायत बा कि गोली मारे वाला दरोगा के हीरो काहे
(सोमार, 16 मार्च के खबर) करीब तीन हफ्ता से अज्ञातवास पर रहत अपना उपाध्यक्ष राहुल गाँधी के चरचा में बनवले राखे का कोशिश में कांग्रेस बेवजह ओह पुलिसिया जाँच के मुद्दा बनवले रखलसि जवन जाँच कांग्रेसे का राज से चलल आवत बा आ अबले करीब करीब हर बड़का राजनेता ओह तरह के जानकारी पुलिस के
(अतवार, 15 मार्च के खबर) सोमार से वाराणसी सिटी से गाजीपुर सिटी का बीच एगो नया डीएमयू चलावल जाई जवन नौ बजे सिटी से खुल के साढ़े एगारह बजे गाजीपुर चहुँपी आ ओहिजा से वापसी में तीन बजे गाजीपुर से खुली साँझ सवा पाँच बजे सिटी टीसन चहुँपी. सोमारे से छपरा मंड़ुआडीह डीएमयू के बंद
(अतवार, 15 मार्च के खबर) भाजपा नेता सुब्रह्मण्यम स्वामी के मस्जिद के महज एगो इमारत बतावे वाला बयान का बाद असम के मुख्यमंत्री तरूण गोगोई के कहना बा कि उनकर सरकार राज्य में फिरकापरस्त नेतवन के आवे आ तकरीर करे ना दीहें. एहसे पहिले असम सरकार विहिप नेता प्रवीण तोगड़िया के असम में आवे से
(शनिचर, 14 मार्च के खबर) गाजीपुर जिला के शादियाबाद इलाका के करीमुल्लाहपुर गाँव में एगो औरत अपना तीन गो बेटन के फाँसी पर लटकवला का बाद अपनहूँ फाँसी पर लटक के जान दे दिहलसि. हालांकि ओकरा नइहर के लोग ओकरा मरद आ ससुर पर हत्या करे के आरोप लगावत मुकदमा लिखववले बाड़े. बलिया जिला के
(शनिचर, 14 मार्च के खबर) श्रीलंका में आपसी लड़ाई से तबाह बरबाद जाफना में बेआसरा हो गइल परिवारन खातिर भारत के सहजोग से बनावल 27 हजार मकान के सँउपलन भारत के पीएम नरेन्द्र मोदी. कहलन कि ई काम दुखी परिवारन के दुख-दर्द में शरीक होखे के, ओह लोग के मदद करे के एगो आदरप्यार भरल
(शुक, 13 मार्च के खबर) बुध का रात बक्सर में भइल सड़क हादसा का बाद भइल बवाल खातिर चार गो मुकदमा दर्ज कइले बिया पुलिस आ डेढ़ हजार लोग का खिलाफ एफआईआर लिखले बिया. एहमें 45 लोग के नामजद आरोपी बनावल गइल बा. रोहतास जिला के काराकाट इलाका के धवनी गांव में बियफे का रात
(शुक, 13 मार्च के खबर) श्रीलंका यात्रा पर गइल पीएम नरेन्द्र मोदी दुनू देश का बीच आर्थिक आ सुरक्षा के सहयोग के अउरी बरियार बनावे पर जोर दिहलन आ कहलन कि भारत श्रीलंका के हरसंभव मदद करे के तउइयार बा. श्रीलंका में मोदी के शानदार स्वागत भइल बा. पिछला 28 साल में भारत के कवनो
(बियफे, 12 मार्च के खबर) बक्सर शहर के सिंडीकेट आ गोलंबर के इलाका बुध का सगरी रात जरत रह गइल. सड़क हादसे में चार आदमी के मौत आ एक दर्जन लोग के घवाहिल भइला का बाद खिसियाइल लोग के बवाल देखत इहे बुझाव कि पुलिस प्रशासन पर से लोग के भरोसा उठ गइल बा. प्रशासन
(बियफे, 12 मार्च के खबर) भाजपा राष्ट्रीय कार्यकारिणी के फेर से बनवाल गइल बा. एह कार्यकारिणी में सुब्रह्मण्यम स्वामी के शामिल कइल गइल बा आ स्मृति इरानी, नजमा हेपतुल्ला आ हेमा मालिनी वगैरह कुछ पुरान लोग के बाहर राखल गइल बा. 178 सदस्य वाली एह कार्यकारिणी के कुछ जगह अबहियों खाली बा. भाजपा के पुरनिया
Older Posts››