web analytics

भोजपुरी में देश दुनिया के खबर (अतवार, 1 मार्च 2015)

(शनिचर, 28 फरवरी के खबर)

  • (File photo)
    (File photo)
    आम बजट के बात आम आदमी के पता चलल कि ना से त नइखीं बता सकत बाकिर बजट का कुछे देर बाद पेट्रोल आ डीजल के दाम में भइल बड़हन बढ़ोतरी से आम आदमी छनछना गइल. बजटो में सर्विस टैक्स बढ़ा के बहुते कुछ महँग कर गइलन वित्त मंत्री अरुण जेटली आ बाद में मीडिया से बतियावत इहो कह गइलन कि बीच के आदमी आपन परवाह खुद कर लेव. सरकार त बस गरीबन ला बिया. एही से एह बजट में गरीब आदमी ला बहुते कुछ दिहल गइल बा. बारह रूपिया सालाना ले के ओकरा के दू लाख के बीमा दिहल गइल बा. पीएम का कहना मुताबिक ‘कांग्रेसी पाप के स्मारक’ मनरेगा खातिर पाँच हजार करोड़ रुपिया दे दिहलन वित्त मंत्री. करिया कमाई वालन के अब जेलो भेजे के तइयारी होखत बा. पहिले एकरा खातिर जुर्माना छोड़ दोसर सजाय ना रहुवे. कहलन कि केहू के छोड़लना जाई आ बाद में केहू राजनीतिक बदला के आरोप जन लगावे.
  • बजट का बाद आम आदमी के भइल निराशा के झलक शेयर बाजार के गिरावट से साफ हो गइल. अलग बात बा कि पिछला चार बरीस से हर बजट का दिने शेयर बाजार लुढकत आवत बा.
  • नयका बजट का बाद माइक्रोवेव अवन, फ्रिज, टीवी, एल ई डी लैंप, टैबलेट कंप्‍यूटर, चमड़ा के जूता-चप्‍पल, सोलर वॉटर हीटिंग सिस्‍टम, पेसमेकर, एम्‍बुलेंस, उर्वरक, डिजिटल विडियो कैमरा, ऑप्‍टीकल फाइबर केबल वगैरह के दाम कम हो जाई जबकि सिगरेट, लोहा आ इस्‍पात के सामान, मोबाइल फोन, आ मिनरल वॉटर महंग हो जाई.
  • जम्‍मू-कश्‍मीर, पंजाब, तमिलनाडु, हिमाचल प्रदेश आ असम में नया एम्स अस्पताल खोले आ बिहार में एगो अउर एम्स खोले के प्रस्ताव बजट में कइल गइल बा. बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार एह प्रस्ताव के स्वागत कइले बाड़न.
  • जम्‍मू-कश्‍मीर में भाजपा-पीडीपी गठबंधन सरकार अतवार का दिने किरिया ली. एह मौका पर पीएम मोदी, गृह मंत्री राजनाथ सिंह आ भाजपा के लालकृष्ण आडवाणी आ मुरली मनोहर जोशी मौजूद रहीहें. पहिला बेर भाजपा कश्मीर सरकार में शामिल होखे जात बिया.
  • आईसीसी क्रिकेट विश्‍व कप में भारत आपन लगातार तिसरका जीत दर्ज करत संयुक्त अरब अमारात के नौ विकेट से हरा दिहलसि. अमारात के पूरा टीम महज 102 रन बना के आउट हो गइल रहुवे जवना के एक विकेट का नुकसान पर भारत पूरा क लिहलसि.
  • दिल्ली में ‘आप’ का तर्ज पर बिहार में ‘हम’ बनावे के एलान क दिहलन बिहार के मुख्यमंत्री रह चुकल जीतन राम मांझी. शनिचर का दिने कहलन कि उनुका नयका गोल के नाम रही ‘हिन्दुस्तानी आवाम मोर्चा’ जवना के ‘हम’ का नाम से जानल जाई. कहलन कि हमनी के मकसद बा कि नीतीश के असल चेहरा जनता का सोझा ले आवल जाव.
  • बांग्लादेश में अमेरिकी ब्लॉगर हिन्दू अविजित रॉय के बेहरम हत्या करे वालन का खिलाफ कार्रवाई करत बांगला देश सरकार तीन गो मुस्लिम चरमपंथियन के गिरफ्तार क लिहले बिया. अविजित राॅय एगो मुसलमान लड़िकी से बियाह क लिहले रहुवन जवना चलते उनकर हत्या क दिहल गइल.
  • भारत के चिंता देखत श्रीलंका कहले बावे कि अब चीन के पनडुब्बियन के अपना बंदरगाहन पर लंगर डाले के इजाजत ना दी. इहो सकरलसि कि पिछला बेर जब जापान के प्रधानमंत्री श्रीलंका दौरा पर रहलन तब ओह घरी चीन के कुछ पनडुब्बी श्रीलंका के बंदरगाह पर मौजूद रहली सँ.
  • तृणमूल कांग्रेस के महासचिव पद से मुकुल रॉय के हटा दिहल गइल बा. मुकुल राय तृणमूल के स्थापना करे वाला नेतन में शामिल रहलन आ एह गोल में दुसरका जगहा पर मानल जात रहलन. बाकिर वंशवाद के शिकार बनत गोल में अब गँवे गँवे ममता के भतीजा के असर बढ़ावल जात बा.
  • आआपा में भितरी दाँव पेंच के खबर सामने आवे लागल बा. आआपा के कायदा का हिसाब से केजरीवाल के संयोजक पद छोड़ देबे के सलाह देबे वाला योगेन्द्र यादव आ प्रशांत भूषण के अपना कार्यकारिणी का बइठका में ना बोलवलसि आआपा.

 189 total views,  4 views today

%d bloggers like this: