web analytics

भोजपुरी पट्टी के खबर (सोमार, 9 मार्च 2015)

(अतवार 8 मार्च के खबर)

आरा न्यूज

  • आरा के उदवंत नगर इलाका के सिंह कालोनी में फगुआ का दिने भइल गोलीबारी का मामिला में धराइल तीन जने के जेल भेज दिहल गइल बा जबकि एक जने के तलाशल जात बा.
  • फगुआ ले के आरा में अलग-अलग जगहा भइल घटनन का चलते तीन जने के मौत हो गइल. एहमें अलीपुर गांव में एगो बिहार पुलिस के जवानो के मौत शामिल बा.
  • रोहतास जिला के करगहर इलाका के खड़ारी में सम्मत जरे का दिने भइल झगड़ा में घवाहिल एगो नवही के मौत शनिचर का रात वाराणसी के अस्पताल में हो गइल.
  • रोहतास जिला के बंजारी में अतवार का दिने रसोई गैस सिलेंडर का चलते लागल आग से तीन जने झँउस गइले.
  • कैमूर जिला के रामगढ़ में अतवार का दिने एगो मैराथन दौड़ करावल गइल जवना में करीब पाँच दर्जन दउड़ाक हिस्सा लिहलन.
  • बक्सर के शाहाबाद प्रमंडल के मुख्यालय बनावे के माँग अतवार का दिने जोरशोर से उठावल गइल.
  • भोजपुर जिला के शाहपुर इलाका के डुमरियां गांव में शनिचर का रात एगो ट्रैक्टर चलावे वाला के गरदन दबा के हत्या क दिहल गइल. ओकर लाश अतवार का सबेर में ईंट-भट्ठा का लगे से मिलल बा.

छपरा न्यूज

  • छपरा भगवान बाजार इलाका के नगीना सिंह कालोनी में शनिचर का रात एगो घर के जंगला तूड़ के चोरी क लिहल गइल जब घर के लोग एगो जनमदिन पार्टी में गइल रहुवे.
  • मांझी इलाका के सिंगही गांव में पिछला दिने भइल एगो लईकी के हत्या ओकर भाईए कइले रहुवे. एह बात के ऊ खुद सकारत आपन समरप्ण क के बतवलसि. ओकरा अपना बहिन के नाजायज प्रेम संबंध मंजूर ना रहुवे.
  • छपरा के दरियापुर इलाका के बारवें गांव से पिछला महीना गायब एगो नवहिन के पुलिस पटना जंक्शन से बरामद क लिहलसि बाकिर ओकरा के भगावे वाला ओकर प्रेमी पुलिस का हाथे ना लाग पावल.
  • सिवान के लक्ष्मीपुर इलाका के हनुमंतनगर मुहल्ले में एगो मकान के ताला तूड़ के लाखों रुपिया के सामान चोरा लिहल गइल जब ऊ लोग फगुआ में अपना गाँवे गइल रहुवे.
  • सिवान जिला के गुठनी-मेहरौना बांध पर शनिचर के सँझिया एगो साइकिल सवार के मारपीट के ओकरा लगे से दस हजार रुपिया छीन लिहले सँ बदमाश. ऊ बेचारा अपना मामा किहाँ से रुपिया ले के अपना गाँवे यूपी के धमौली जात रहुवे.
  • गोपालगंज जिला के कुचायकोट इलाका के बघउच बिरती टोला से दसवीं में पढ़े वाली एगो लइकी के भगा लिहल गइल बा. गाँवे के एगो औरत पर ओकरा के भगवावे में शामिल होखे के आरोप बा.
  • गोपालगंज के बरौली इलाका के रामपुर गांव का नियरा अतवार का दिने एगो ट्रक से कचरइला से घवाहिल एगो साइकिल सवार अधबूढ़ के मौत इलाज का दौरान अस्पताल में हो गइल.

चंपारन न्यूज

  • पश्चिमी चंपारण के पहाडपुर पंडिपुर के बदनाम मनोज मिश्र के हत्या का बाद से जिला में एक बेर फेरू गैंगवार के अनेसा बढ़ गइल बा.
  • बेतिया के मिर्जापुर गांव से जनवरी में उठावल गइल एगो नवही के पुलिस केसरिया इलाका से छोड़ा लिहले बिया.
  • चनपटिया इलाका के पुरैना चौबे टोला में जमीन का झगड़ा में घवाहिल एगो आदमी के मौत शनिचर का दिने इलाज का दौरान एमजेके अस्पताल में हो गइल.
  • रामनगर शहर के अम्बेडकर चौक से पचास बरीस के लगभग उमिर वाला एगो अनजान लाश अतवार का दुपहरिया में मिलल बा. लाश देखे में कवनो भिखारी के लागत बा.
  • कोटवा इलाका के दुर्गा चौक के नियरा करीब दर्जन भर दुकान से शनिचर का रात चोरी क लिहल गइल बा. एकर पता अतवार का सबेरे भइल. लोग के कहना बा कि ई पहिला बेर नइखे भइल आ थाना का नियरा होखला का बावजूद एह तरह के वारदात होखत बा.
  • अरेराज प्रखंड के रढिया गाँव के एगो रिटायर्ड सरकारी कर्मचारी के एटीम से सवा चार लाख रुपिया निकाल लिहल गइल बा. पुलिस एह मामिला के जाँच करत बिया.
  • रामगढ़वा के रघुनाथपुर गांव में शनिचर का दिने एगो बाप अपने बेटा के गोली मार के घवाहिल क दिहलसि.

बलिया न्यूज

  • बलिया के तिखमपुर में एगो सिनेमा घर का निियरा से फगुआ का दिने सबेर से गायब माँस बेचे वाला के अबले कवनो पता नइखे चलल. ऊ सुखपुरा इलाका भरतपुरा गाँव के रहुवे.
  • गाजीपुर जिला के जमानियां इलाका के एगो गाँव में चार बरीस के मासूम बच्ची का साथे कुकर्म के मामिला सामने आइल बा. कुकर्मी गाँवे के रहुवे आ लोग के चहुँपला पर भाग निकलल बा.

देवरिया न्यूज

  • देवरिया जिला के लार इलाका में एगो आदमी रिश्ता में भतीजी लागत एगो छोटहन बच्ची का साथे तब कुकर्म कइलसि जब ऊ रात में ओकरा लगे सूतल रहुवे. पुलिस में मामिला दर्ज करा दिहल गइल बा.
  • देवरिया जिला के बरहज का बाबा गयादास इंटर कालेज परिसर के पोखरा का नियरा से अतवार का भोर में एगो नवही के लाश मिलल बा. लाश के पहचान साबित हो गइल बा.
  • देवरिया जिला में शराब पिियला से होखे वाला दूगो मौत के जाँच का बाद पता चलल कि एगो के मौत बीमारी से भइल बा जबकि दोसरका के मौत शराब पियला से भइल बा.
  • गोरखपुर के झगहा में अतवार का दिने एगो मोटरसाइकिल के आग लगा दिहल गइल. जेकर बाइक जरावल गइल बा ऊ अपना पटीदारन का खिलाफ नामजद तहरीर लिखववले बा.
  • गोरखपुर के खोराबार में सेंट जोसेफ स्कूल का लगे शनिचर का दिने भइल सड़क हादसा में घवाहिल एगो नवही के मौत मेडिकल कालेज में इलाज का दौरान हो गइल जबकि एगो के मौत ठाँवे पर हो गइल रहुवे.
  • गोरखपुर के बेतियाहाता का राजकीय महिला शरणालय मे रहे वाली एगो संवासिनी के मरला का अगिले दिने अतवार के तीन गो संवासिनी फरार हो गइल बाड़ी सँ. बाद में एगो के टीसन पर ट्रेन में चढ़े से पहिलही ओकनी के रिश्तेदार ध लिहले जबकि बाकी दुनू के ओकनी के रिश्तेदारी में से धइल गइल.
  • सहजनवां इलाका में अपना गरीबी आ बीमारी से परेशान एगो बूढ़ आदमी अतवार का दिने ट्रेन का आगा कूद के आपन जान दे दिहलसि.
  • बड़हलगंज के रजहटा गांव में आपन झोपड़ी डालत एगो आदमी का देह पर दिवाले गिर गइल जवना से दबा के ओकर मौत हो गइल.
  • गोरखपुर के भटहट बाजार में अतवार का दिने गहना के एगो दुकान से चोरी करत औरत के ध लिहलस दुकानदार आ ओकरा के पुलिस के दे दिहलसि.

 741 total views,  2 views today

%d bloggers like this: