टटका खबर, (सोमार, 23 मार्च 2015)

(अतवार, 22 मार्च के खबर)

  • सोमार 29 दिसंबर का दिने नयी दिल्ली में 'मेक इन इंडिया' कार्यशाला के संबोधित करत पीएम मोदी.
    फाइल फोटो

    भूमि अधिग्रहण विधेयक का बारे में चलत बहस के सीधे किसानन का बीच ले जात अतवार का दिने प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी अपना ‘मन के बात’में कहलन क‎ एह बारे में विपक्ष गलतबयानी क के किसानन के भरमावे का फेर में लागल बा. कहलन कि विधेयक किसाने का फायदा खातिर ले आवल गइल बा आ विपक्ष किसानन का खिलाफ षडयंत्र करे में लागल बा.
    कहलन कि पिछला विधेयक में कुछ कमी रहला का चलते विकास के काम ना हो पावत रहुवे एहसे ओकरे के सुधारे के कोशिश कइल गइल बा आ अबकी का विधेयक में किसान के मिले वाला मुआवजा बहुते बढ़ा दिहल गइल बा. साथ ही जमीन के मालिक आ ओह पर काम करे वाला मजदूरो के घर के कवनो बेकत के नौकरी दिहल जरूरी बना दिहल गइल बा.
    कहलन कि पहिले बंजर जमीन आ आखिर में जा के खेतीवाला जमीन के अधिग्रहण कइल जाई. कहलन कि राजमार्ग का दुनू ओर एके किलोमीटर में जमीन लिहल जाई जवना से रोजगार के अवसर बढ़ी आ इलाका के विकासो होखी. एह में ओकरा अगल बगल के गांवो के लोग के रोजगार के मौका बढ़ जाई.
  • दोसरा तरफ विपक्ष के कहना बा कि मोदी सही बात नइखन बतलावत. विपक्ष आपन जमीन जात देख के एकजुट हो गइल बा आ अन्ना हजारे जइसने आन्दोलन गुरू के पीछे खड़ा होखे में त ना सोनिया गाँधी के दिक्कत बा ना करूणानिधि के.
  • नई दिल्‍ली में संसद भवन परिसर के एगो एसी संयंत्र में वेल्डिंग का दौरान आग लाग गइल जवना पर काबू पा लिहल गइल. केहू के घवाहिल होखे के खबर नइखे. एह पर चिंता जतावत राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी कहलन कि एह तरह के हादसा रोके के हर संभव कोशिश करे के चाहीं आ अधिकारी तय करसु कि आगे फेरू अइसन घटना जन घटे.
  • उत्‍तरप्रदेश के देवरिया जिला में तीन गो दलित बहिनन के हत्‍या के मामिला में पुलिस तीन गो आरोपियन के गिरफ्तार क लिहलसि. कटियारी गाँव में शनिचर का दिने एह लड़िकियन के लाश मिलल रहुवे.
  • बिहार बोर्ड के मैट्रिक परीक्षा में सोमार का दिने होखे वाला हिन्दी के परीक्षा टार दिहल गइल बा काहे कि शनिचर का दिने भइल परीक्षा में गलती से एह परीक्षा के पेपर बँटा गइल रहे. बाकिर दुसरका पाली में होखे वाला परीक्षा जारी रही.
  • बिहार स्थापना दिवस के मौका पर पटना के गांधी मैदान में आयोजित समारोह के संबोधित करत मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कहलन कि ई दिन बिहार के गौरवशाली इतिहास ईयाद करे के दिन ह. तीन दिन चले वाला एह समारोह में शास्त्रीय संगीत, सुगम संगीत, लोक संगीत, नृत्य, कवि सम्मेलन आ मुशायरा के आयोजन कइल गइल बा.
  • मुख्यमंत्री नीतीश कुमार फेरू दोहरवलन कि अगल राज्य में बिजली के हालत सुधार ना पइहें त अगिला चुनाव में वोट मांगे ना अइहें.
  • रोहतास जिला के दावथ इलाका के मलियाबाग गांव का नियरा एगो ट्रक से कचरा के एगो औरत समेत दू लोग के मौत हो गइल. रोहतासे के संझौली इलाका में एगो सड़क हादसा में मोटर साइकिल सवार दू आदमी के मौत हो गइल.