Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

जरूरत बा वालंटियर्स के

भोजपुरी के आनलाइन अखबार टटका खबर के जरूरत बा स्मार्ट फोन राखे वाला वालंटियर्स के जे रोज अपना इलाका के खबर भोजपुरी में दे सको. एह काम में लागेवाला लोगन के कवनो तरह के भुगतान कइल सम्भव नइखे बाकिर मान सम्मान बनावे-बढ़ावे के भरपूर कोशिश रही. इच्छुक लोग अबहियें tatkakhabar@gmail.com प सम्पर्क करो.

RSS Feed

Archives for April 2015

भोजपुरी में खबर (सोमार, 27 अप्रैल 2015)

नेपाल में शनिचर का दिने आइल बड़हन भूकंप का बाद लगातार छोट छोट भूंकप आवे के सिलसिला जारी बा. अतवार का दुपहरिया आइल भूकंप एक बेर फेरू उतरवारा भारतो के हिला दिहलसि आ उत्तर बिहार आ पूर्वांचल के लोग फेरू सहम गइल. एही बीच उल्टा चाँद लउकला के अफवाह लोग में अउरिओ दहशत बना दिहले

भोजपुरी में खबर (शनिचर, 25 अप्रैल 2015)

कबो कबो कुछ अइसन हो जाला जवना के खबर बने से पहिलहीं सभका मालूम हो गइल रहेला. आजुओ 11 बज के 41 मिनट पर बलिया में भूकंप आइल. झटका अतना तगड़ा रहुवे कि सगरी केंवाड़ी खिड़की बन्द रहला का बावजूद खड़खड़ाए लगली सँ. सभे एक दोसरा के चेतावत बहरी भागल आ देखते देखते सगरी मुहल्ला

भोजपुरी में खबर (शुक, 24 अप्रैल 2015)

जब भोजपुरी के पढ़वइआ हइले नइखन त ढेर परेशान होखला के का जरूरत! जब मौका मिली, मन करी तब खबर डाल देब, ना मिली त छोड़ देब. वइसहूं टटका खबर खबर कम, भोजपुरी पढ़े लिखे बोले के आदत डलवावे के कोशिश बेसी ह. खबर पढ़े खातिर पूरा दुनिया पड़ल बा बस भोजपुरी खबरन के कवनो

खबर भोजपुरी में (सोमार, 20 अप्रैल 2015)

विश्व भोजपुरी सम्मेलन के बलिया इकाई के सातवाँ अधिवेशन आ पाती पत्रिका के अक्षर सम्मान समारोह में अतवार का दिने डा॰ भगवती प्रसाद द्विवेदी आ डा॰ प्रकाश उदय के अक्षर सम्मान से सम्मानित गइल. एह समारोह के मुख्य अतिथि रहलन बीएचयू के प्रो॰ सदानन्द शाही आ अध्यक्षता कइलन प्रो॰ अवधेश प्रधान. एह मौका पर विशिष्ट

खबर भोजपुरी में (अतवार, 19 अप्रैल 2015)

(शनिचर, 18 अप्रैल के खबर) जम्मू कश्मीर के नमकहराम अलगाववादियन के बोलावल बंद का दौरान बवाल करत लड़िकन पर पुलिस के गोलीबारी से एगो शैतान के मौत हो गइल. राज्य सरकार मामिला के जाँच के आदेश दे दिहले बिया आ तबले दू गो पुलिस वालन के गिरफ्तार क लिहल गइल बा. अब अतवार का दिने

देश दुनिया के खबर भोजपुरी में (शुक, 17 अप्रैल 2015)

(बियफे 16 अप्रैल के खबर) रोहतास जिला के धुस बाइपास चौक का नियरा बियफे का साँझ एगो बस आ मैजिक के टक्कर में मैजिक पर सवार दू गो नवहियन के मौत ठाँवे प हो गइल. एक दर्जन अउर सवार घवाहिल हो गइलें. मरे वाला एगो धनाँव गाँव के रहले आ दोसरका बलिया तांतोटोला के. डेहरी

टटका खबर (बियफे, 16 अप्रैल 2015)

दू महीना के छुट्टी मना के बबुआजी लवट आइल बाड़न आ उनुका डेरा पर स्वागत करे ला माई बहिन आ जीजा मौजूद रहुवन. बाकिर बबुआ का हासिल क के लवटल बाड़न से अबहीं ले पता नइखे चलल. आ उनका के समाज का सोझा कब ले आवल जाई एकरो बारे में कवनो जानकारी नइखे. हो सकेला

टटका खबर (बुध, 15 अप्रैल 2015)

(मंगल 14 अप्रैल के खबर) पटना के गाँधी मैदान में बोलावल भजापा के कार्यकर्ता समागम के संबोधित करत भाजपा अध्यक्ष अमित शाह दावा कइलन कि अबकी का चुनाव में भाजपा दू तिहाई बहुमत से जीत के सरकार बनाई. कहलन कि नीतीश आ लालू के महाबिलइला से कुछु नइखे होखे वाला. सुन्ना के सुन्ना से जोड़ला

टटका खबर (मंगल, 14 अप्रैल 2015)

(सोमार, 13 अप्रैल के खबर) नई दिल्ली में छुआछूत खतम करे के अभियान के शुरुआत करत केन्द्रीय गृहमंत्री राजनाथ सिंह कहलन कि समाज के कमजोर आ छँटुआ हिस्सा का साथे जाति का आधार पर कवनो तरह के भेदभाव ना होखे दिहल जाई. जान जाईें जे एह घरी संघ के अभियान एही तरह के बा जवना

भोजपुरी पट्टी के खबर (बियफे, 9 अप्रैल 2015)

(बुध, 8 अप्रैल के खबर) यमन से भारत के लोग के सही सलामत बचा निकाले के दौर बियफहु का दिने जारी रही. एह बीच सुने में आवत बा कि एगो गिरोह एगो भारतीय के बन्हक बना लिहले बा. 140 गो नर्सन के निहोरा मानत एक दिन के समय अउर दिहल गइल बा. भारत के एह

Older Posts››