भोजपुरी पट्टी के खबर भोजपुरी में (बुध, 8 अप्रैल 2015)

(मंगल, 7 अप्रैल के खबर)

  • अधिकारी आ कर्मचारियन के तबादला के कतना करी एकर कोटा तय क दिहलन यूपी के मुख्यमंत्री. मंत्री आ विभागाध्यक्ष लोग दसे फीसदी तबादला कर पाई. बाकी के तबादला मुख्यमंत्री कार्यालय के अनुमति का बादे हो पाई. तबादला 30 जून से पहिले कर लेबे के होखी ना त ओकरा बाद फेरू मुख्यमंत्री कार्यालए से तबादला हो पाई. जिला में छह बरीस आ मंडल में दस बरीस से जमल लोग के तबादला करे के आदेश दिहल गइल बा.
  • यूपी में गुरूजी लोगन के बहाली पर लगावल रोक के हाई कोर्ट हटा लिहले बिया आ अब 29 हजार गुरुजी लोगन के बहाली के राह खुल गइल बा.
  • देवरिया के सेन्ट्रल बैंक के एगो शाखा से 2 करोड़ से अधिका चोर‌ा के भागल सिपाही श्रीप्रकाश पर 50 हजार रुपिया के ईनाम घो‌षित कइला का बावजूद ओकर कवनो सुराग नइखे मिलत. अब ओकरा के नौकरी से बर्खास्त क दिहल गइल बा. सोमार का दिने ओकरा बेटा के पुलिस 18 लाख रुपिया नकदी का साथे गिरफ्तार क लिहले बिया.
  • बिहार हाई कोर्ट के खंडपीठ विधानसभा अध्यक्ष के फैसला सही ठहरावत जदयू के बागी विधायकन के विधायकी खतम करे के फैसला पर मोहर लगा दिहलसि. पहिले एह फैसला के गलत ठहरा के विधायकी बरकरार राखे के आदेश भइल रहे जवना का खिलाफ खंडपीठ में चुनौती दिहल गइल रहे. अब विधायक लोग सुप्रीम कोर्ट में एह नयका फैसला के चुनौती देबे के तय कइले बा.
  • रिजर्व बेँक गवर्नर के फटकरला का बाद बैंक आपन कर्जा सस्ता कइल शुरु क दिहलें. राजन कहले रहलन कि जब ब्याज बढ़ावे के होला तब त नीतिगत दर के हवाला दे के दर बढ़ा दिहल जाला बाकिर अब जब दू दू बेर नीतिगत दर घटावल गइल त ब्याज दर घटावे में आनाकानी होखत बा.
  • बलिया के सहतवार थाना के बेलउर में गैर कानूनी शराब बेचे वाला एगो विकलांग नवही के छूरा घोंप घोंप के सोमार का देर र‌ात मुआ दिहल गइल बा. हत्या करे वालन के कवनो पता नइखे बाकिर लागत बा पियक्कड़न से झगड़ा भइला का बाद ई वारदात कइले होखीहें सँ.
  • बुध आठ अप्रैल का दिने बलिया में शहीद मंगल पाण्डेय के बलिदान दिवस पर अनेके कार्यक्रम होखे वाला बा जवना में उनुका के सरधांजलि दिहल जाई.
  • काशी हिन्दू विश्वविद्यालय के शताब्दी समारोह के शुरुआत 11 अप्रैल का दिन से होखे वाला बा.
  • वाराणसी के जैतपुरा इलाका में सड़क हादसा में एगो टेम्पो के पीछे से आवत एगो मैजिक टक्कर मार दिहलसि जवना से टेम्पो में बइठल बलिया जिला के मानपुर गाँव के एगो औरत का गोदी में सूतल चार महीना के बेटा नीचे फेंका गइल आ ओकर मौत हो गइल. चितबड़ागाँव से ऊ अपना लड़िका के ईलाज करावे बनारस आइल रहुवे.
  • आजमगढ़ के कप्तानगंज इलाका के कल्यानपुर गाँव में एगो भसुर अपना भवहि के कुदारी से काट के मुआ दिहलसि. झगड़ा तब शुरु भइल जब खाना मंगला पर भवहि कहलसि कि चूल्हा जरावे खातिर लकड़ी नइखे आ इनका खाना चाहीं. एही पर खिसिया के भसुर कुदारी चला चला के ओकरा के काट दिहलसि. पुलिस भसुर आ ससुर के गिरफ्तार क लिहले बिया.
  • मोदी सरकार बनला से परेशान बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के इहो मंजूर नइखे कि केन्द्र सरकार बिहार के विकास ला कवनो पैकेज देव. काल्हुए खबर आइल रहे कि केन्द्र सरकार बिहार खातिर एक लाख करोड़ रुपिया के बड़हन पैकेज तइयार कइले बिया. एह पर छनछनाइल नीतीश कुमार कहलन कि सभे जानत बा कि केन्द्र में पैकेजिंग के सरकार बा आ ई पैकेजिंग बिहार विधानसभा चुनाव के नजर में राखत भाजपा खातिर बनावल गइल बा. एहमें नया कुछ नइखे. पुरनके योजनन के मिला के एगो पैकेज बनावल जात बा.
  • मशरख में जदयू नेता उपेन्द्र सिंह के ब‌ाडीगार्ड के हत्या का मामिला में सांसद रहल प्रभुनाथ सिंह के भाई दीनानाथ सिंह के अगवाह जमानत के अपील जिला जज का अदालत से खारिज हो गइल. मराइल बाडीगार्ड बलिया जिला गोन्हिया छपरा के मुन्ना सिंह रहुवे. चार बरीस पुरान एह मामिला में बनियापुर के राजद विधायक केदारनाथ सिंह, दीनानाथ सिंह आ सुधीर सिंह के नामजद आरोपी बनावल गइल रहे.
  • सिवान जिला के पटेढ़ा गाँव में मंगल का दिने गाँव वाले महाराजगंज बसन्तपुर रोड के चार घंटा ले जाम क दिहले. गाँव वालन के शिकायत बा कि एह सड़क के बनावे में घटतई कइल जा रहल बा. लोग सड़क उखाड़ के देखा दिहल कि कतना घटिया सामान लगावल जात बा एह काम में.
  • पूर्वी चंपारण के अरेराज का सोमेश्वर महादेव मंदिर में मंगल का दिने अढ़ाई फुट के लड़िकि के बिआह तीन फुट के लड़िका से करावल गइल. तुरकौलिया बरन टोला के लड़िकी के बिआह गया जिला के डुमरिया गाँव के लड़िका से भइल जवन सर्कस में काम करेला.
  • राजद नेता लालू के वंशवादी रवैया का खिलाफ बगावत पर उतर आइल बाड़न मधेपुरा से सांसद पप्पू यादव. कहलन कि जनता परिवार के पार्टियन के विलय के बात उनका मंजूर नइखे आ अगर भइल त राजद दूफाड. क दिहल जाई.
  • आरा बक्सर रेलखंड पर मंगल का दिने बिहियाँ टीसन का लगे गौरा गाँव के रहेवाला एगो सीआरपीएफ जवान के ट्रेन से गिरला का चलते दुनू गोड़ कटा गइल आ इलाज खातिर अस्पताल ले जाए का राहे में अधिका खून बहला का चलते ओकर मौत हो गइल.