टटका खबर (मंगल, 14 अप्रैल 2015)

(सोमार, 13 अप्रैल के खबर)

  • नई दिल्ली में छुआछूत खतम करे के अभियान के शुरुआत करत केन्द्रीय गृहमंत्री राजनाथ सिंह कहलन कि समाज के कमजोर आ छँटुआ हिस्सा का साथे जाति का आधार पर कवनो तरह के भेदभाव ना होखे दिहल जाई.
    जान जाईें जे एह घरी संघ के अभियान एही तरह के बा जवना में ऊ ‘एक गाँव के एक पनघट – एक मरघट’ के नारा दिहले बावे. हिन्दू समाज के कमजोरी के सबसे बड़ कारण इहे जातिगत भेदभाव रहल बा. अगर हिन्दू अपना बीच से एह भेदभाव के खतम कर देसु त देश में हिन्दूवन के दबावे वाला केहू ना रह जाई आ वोट बैंक पालिटिक्स हवा हो जाई. बाकिर वोट बैंक राजनीति करे वाला बहाना खोज खोज के हिन्दू समाज के अलग अलग तबका का बीच लड़ाई लड़वावत रहेलें.
  • बिहार सरकार विकास मित्रन के मानदेय एक हजार रुपिया बढ़ा के सात हजार रुपिया महीना कर दिहले बिया. एह बात के एलान मुख्यमंत्री नीतीश कुमार पटना में उन्मुखीकरण कार्यक्रम में कइलन. कहलन कि उनकर सरकार अइसन इन्तजाम कर जाई कि एह लोग के ना त केहू हटा पाई ना ही एह लोग के मानदेय कम कर पाई.
    एह तरह के फैसला का बाद विकास मित्रन के काम से छुट्टी मिल जाई. जब ना त कवनो डर रही ना बन्धन.
  • बिहार में नियोजित शिक्षकन के हड़ताल का चलते पढ़ाई बंद बा. कवनो स्कूल खुलतो बा त नियोजित शिक्षक लोग ओहिजा मारपीट करे चहुँप जात बा. जगहे जगह ई लोग डीईओ आ बीईओ के कार्यालयन पर ताला लगा दिहले बा.
    एहू लोग के सरकार से वइसने आजादी चाहीं जवना में कवनो काम ना करे के पड़े आ तनखाह पढ़ावे वाला मास्टरन से अधिका ना त बराबरे मिले. लागल रहऽ लोग चुनाव कपारे बा वोट का लालच में मिलियो सकेला.
  • बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार एलान कइले बाड़न कि राष्ट्रीय स्तर के गन्ना अनुसंधान संस्थान चंपारण में खोलल जाई. कहलन कि गन्ना उद्योग के संकट से उबारे ला चीनी के आयात बंद होखे के चाहीं.

    बाद में लोग के भले चीनी महँग खरीदे के पड़े, चीनी मिल मालिकन के मुनाफा होखी त चंदो देबे करीहें सँ.
  • बेमौसम बरखा बूनी के दौर 15 अप्रैल ले चले के अनेसा जतावल गइल बा. कुछ जगहा बनेरियो गिर सकेला आ आन्हिओ आवे के अनेसा बा.
  • बिहार के मुखिया, वार्ड सदस्य, सरंपच, पंच, पंचायत समिति सदस्य आ जिला परिषद सदस्यन के खाली पड़ल सीट पर उपचुनाव जून का महीना में करावल जाई. ई आखिरी उपचुनाव होखी काहे कि ओकरा बाद विधानसभा चुनाव के तइयारी शुरु हो जाई.
  • यूपी के कुछ हिस्सा में सोमार का दिने बरखा बूनी पड़ल. कुछ जगहा तेज बरखा त कुछ जगहा झीसी पड़ के रहि गइल.
  • गोरखपुर के दू बेर विधायक रह चुकल अधिवक्ता अवधेश श्रीवास्तव के अतवार देर रात 90 बरीस का उमिर में हार्ट फेल भइला से मौत हो गइल.
  • बरखा से बरबाद किसान के जरला पर नून छीटत यूपी सरकार 75 आ 100 रुपिया के चेक बाँटत बिया. लूट के आलम इहो बा कि मरलो लोग आ कब्रगाहो का जमीन पर चेक जारी क दिहल गइल बा.
  • उत्तर प्रदेश के रामपुर इलाका के 800 दलित मुसलमान बने के फैसला कइले बाड़न. ओह लोग के बस्ती हटावे के धमकी मिलल बा सरकारी अमला से आ आपन बस्ती बचावे के आखिरी कोशिश में एह लोग के लागत बा कि मुसलमान बन गइला का बाद ओह लोग के घर ना उजाड़ल जाई.
    जान जाईं कि ई इलाका आजम खाँ के ह आ एह इलाका में उनुका मरजी बिना पत्तो ना खड़के. आजम खान के प्रवक्ता के कहना बा कि सरकारी जमीन से कब्जा हटावल जात बा आ एह में मजहबी आधार पर कवनो भेदभाव नइखे कइल जात. एह बीच बरेली मसलक के मौलाना फुरकान रज़ा ओह लोग का बीच चहुँप गइल बाड़े आ मजहब बदले के तरीका समुझावत बाड़े.
  • बिहार में भाजपा के सरकार बनवावे खातिर सगरी जोड़तोड़ बेकार लउके लागत बा जब संघ आ भाजपा के लोग सुशील मोदी का अलावे केहु दोसरा के एह जोग नइखे पावत जे भाजपा के नेतृत्व कर सके. नीतीश सरकार में उपमुख्य मंत्री रहल सुशील का चमचई से बाकी भाजपाई तब बहुते निराश रहलें. बाकिर सब कुछ का बावजूद लागत बा कि सुशीले का भागे सिकहर तूड़ल जाई भले नदिया में कुछ भेंटाव चाहे ना. मंगल का दिने पटना के गाँधी मैदान में भाजपा के सभा होखे जा रहल बा. देखल जाव कि भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष अमित शाह एह बारे में कवनो एलान करत बाड़न कि ना.
  • तीन देश के यात्रा पर निकलल प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी सोमार का दिने जर्मनी के हैनोवर बिजनेस समिट में निवेश के नेवता दे के बर्लिन चहुँपले. एयरपोर्ट पर प्रवासी भारतीयन में मोदी के जबरदस्त क्रेज लउकल. जानकार बतावत बाड़े कि एहसे पहिले कवनो पीएम का यात्रा का दौरान अइसन उछाह ना लउकत रहे आ दूतावास के लोग केहू तरह से कुछ लोग के बटोर पावत रहुवे.
  • सुप्रीम कोर्ट के फैसला आइल बा कि कवनो मरद मेहरारू अगर एक साथे जोड़ी बना के रहत बाड़ें त ओह लोग के शादीशुदा मानल जाई आ ओह हालत में संगे रहे वाली औरत के पत्नी का तरह ओकरा संपति पर हक मानल जाई. एह बात के विरोध करेवाला के पूरा सबूत देबे के पड़ी कि ई लोग बिआहल ना रहुवे.
  • पाकिस्तान के अदालत के आदेश आइल बा कि मुंबई हमला के आरोपी मास्टरमाइंड जकी उर रहमान लखवी के मामिला पर अगर दू महीना का भीतर सुनवाई पूरा नइखे होखत निचली अदालत में त लखवी के जमानत रद हो जाई.
  • मंगल का दिने आआपा के बागी गुट के बइठक गुड़गांव में होखे वाला बा. एह बइठक के स्वराज संवाद के नाम दिहल गइल बा आ आआपा का तरफ से अपना कार्यकर्तन के धमकावल गइल बा कि एह में शामिल होखे वाला के पार्टी विरोधी मानल जाई आ ओहू लोग के पार्टी से निकालल जा सकेला.
  • छत्तीसगढ़ में नक्सलियन के कहर थथमे के नाम नइखे लेत. पिछला तीन दिन में चार गो हमला कर चुकल बाड़े सँ ई अपराधी जवना से नाहियो त एक दर्जन जवानन के मौत हो चुकल बा.
  • जम्मू कश्मीर के पुलवामा जिला के त्राल में सोमार का दिने आतंकियन आ सुरक्षाबल का बीचे भइल मुठभेड़ में हिजबुल मुजाहिद्दीन के कमांडर बुरहान मुजफ्फर वानी के बड़का भाई खालिद मरा गइल जवना का बाद इलाका के लोग नाराज होके सुरक्षा बल के जवानन के निशाना बना के पथराव करे लागल.