टटका खबर (बुध, 15 अप्रैल 2015)

(मंगल 14 अप्रैल के खबर)

  • पटना के गाँधी मैदान में बोलावल भजापा के कार्यकर्ता समागम के संबोधित करत भाजपा अध्यक्ष अमित शाह दावा कइलन कि अबकी का चुनाव में भाजपा दू तिहाई बहुमत से जीत के सरकार बनाई. कहलन कि नीतीश आ लालू के महाबिलइला से कुछु नइखे होखे वाला. सुन्ना के सुन्ना से जोड़ला पर सुन्ने आवेला.
  • भूमि अधिग्रहण के मुद्दा पर अमित शाह कहलन कि नीतीश कुमार बतावसु कि बिहार के बारह गो चीनी मिल के जमीन केकरा के दिहल गइल बा. अपना मंत्रियन आ रिश्तेदारन के जमीन के बँटले बा.
  • केन्द्रीय वित्त मंत्री अरुण जेटली के आए दिन एनडीटीवी पर दिहल जाए वाला इन्टरव्यू के सोशल मीडिया पर जम के आलोचना होखत बा. मंगल का दिने शेम आन अरूण जेटली हैशटैग हिन्दुस्तान में सबले उपर रहुवे. भाजपा समर्थकन के शिकायत बा कि हमेशा भाजपा के गरियावे वाली बरखा दत्त आ सरदेसाई पर जेटली अतना मेहरबान काहे बाड़न.
  • विश्व बैंक के आकलन बा कि अगिला साल ले भारत के सकल घरेलू उत्पाद के बढ़ोतरी दर 8 फीसदी ले चहुँप जाई. बतवले बा कि मौजूदा साल में ई दर साढ़े सात फीसदी रहे के उमेद बा.
  • यूपी के रामपुर में आजम खाँ का इलाका में एगो माॅल बनावे खातिर रास्ता में पड़त मकान तूड़े के नोटिस दिहल गइल बा. आपन घर-मकान बचावे खातिर ओह इलाका के अस्सी गो वालमीकि परिवार मंगल का दिने इस्लाम धर्म कबूल करे के एलान क दिहलें. अलग बाति बा कि एह बात के चरचा में आ गइला का बाद ओहिजा चहुँपल उलेमा मजहब बदलावे में शामिल होखे से मना क दिहलन. बाकिर ओह लोग के उमेद बा कि मुसलमान बन गइला का बाद ओह लोग के मकान बाच जाई.
  • यूपी के सोनभद्र में कनहर परियोजना खातिर उजाड़ल परिवारन के लोग का प्रदर्शन पर काबू पावे खातिर पुलिस के लाठी चार्ज आ बाद में फायरिंग ले करे के पड़ल. एह घटना में पुलिस उपनिरीक्षकन समेत दू दर्जन लोग घवाहिल हो गइल. गोली से घवाहिल आदमी के अस्पताल में भरती करावल गइल बा.
  • बलिया जिला के गड़वार इलाका में मंगल का साँझ एगो सराफा व्यवसायी के गोली मार के ओकरा से एक लाख रुपिया के गहना आ नकदी लूट लिहल गइल. कुरेजी गाँव के एह सराफा व्यवसायी के दुकान नरांव चट्टी पर बा जहाँ से दुकान बन्द क के लवटत घरी ई वारदात भइल.
  • बिहार के सारण जिला के सबलपुर पछियारी पंचायत के रामपुर हसन गांव का लगे सोमार के साँझ गंगा नदी में नहात दू गो नवहियन के डूबला से मौत हो गइल रहे. दुनू के लाश मंगल का दिने नदी से निकाल लिहल गइल.
  • छपरा जिला के दिघवारा थाना हेमतपुर गांव में एगो गैस एजेन्सी का गोदाम पर मंगल का दिने धावा बोल के दू लाख रुपिया लूट ले गइले सँ बदमाश. चहेटे वालन के रोके खातिर फायरिंगो कइले सँ.
  • सिवान सदर अस्पताल में ड्यूटी पर तैनात महिला चिकित्सक प्रसूता के भरती क के गायब हो गइली आ प्रसूता तड़प तड़प के मर गइल. बाद में घर वाले गाँव वालन के बोला लिहले आ जम के बवाल कटले.
  • सिवान जिला के दरौदा इलाका के पाण्डेयपुर से डेढ़ महीना पहिले उठावल लड़िका सोमार का रात एकमा टीसन पर मिल गइल. बतवलसि कि दू आदमी ओकरा के टीसन पर छोड़ के चल गइलें. बतवलसि कि ओकरा के हमेशा बंद क के राखत रहले सँ आ ओहिजे खाना ले आ के देत रहले सँ.
  • पटना के गांधी मैदान में मंगल का दिने भइल जनसभा में बक्सर के सांसद अश्वनी चौबे के मंच पर चढ़े से पुलिस रोक दिहलसि काहे कि उनकर नाम मंच पर बइठे वालन के सूची में शामिल ना रहुवे. एह से नाराज लोग आरा में सुशील मोदी के पुतला जरावल. एह लोग के कहना रहे कि सुशील भाजपा के अपना पाकेट के पार्टी बना के राख दिहले बाड़न.
  • रोहतास जिला के रतनपुरा गांव में मंगल के साँझ ठनका गिरला से एगो औरत समेत तीन आदमी के मौत हो गइल. एगो आदमी के अस्पताल मेंं भरती करा के झउँसला के इलाज करावल जात बा. अचके में आइल बरखा आन्ही से बचे खातिर ई लोग एगो पलानी में लुकाइल रहे जब ओह पर ठनका गिरल.
  • बेतिया पुलिस मंगल का दिने एगो मोटरसाइकिल चोर के रंगोहाथ गिरफ्तार कर लिहलसि जब ऊ रामलखन सिह यादव महाविद्यालय से एगो हीरो मोटरसाइकिल चोरावे के कोशिश करत रहुवे. पकड़ाइल चोर मंशा टोला मुहल्ला के बतावल जात बा.