(बियफे 16 अप्रैल के खबर)
- रोहतास जिला के धुस बाइपास चौक का नियरा बियफे का साँझ एगो बस आ मैजिक के टक्कर में मैजिक पर सवार दू गो नवहियन के मौत ठाँवे प हो गइल. एक दर्जन अउर सवार घवाहिल हो गइलें. मरे वाला एगो धनाँव गाँव के रहले आ दोसरका बलिया तांतोटोला के.
- डेहरी आनसोन इलाका के पाली रोड में पंजाब नेशनल बैंक का एटीएम का लगे मँड़रात एगो मोटरसाइकिल सवार ठग के पुलिस पकड़ लिहलसि. ओकरा लगे से तीन गो एटीएम आ एगो मोबाइल बरामद भइल. एह गिरोह के ठग बिहार आ झारखंड में नाहियो त पचासन लोग के एटीएम से ठगी कर चुकल बाड़े सँ.
- सासाराम के दरिगांव इलाका में आईसोलेक्स कंपनी के बेस कैंप का लगे बियफे का दिन एगो पिकअप से कचरा के एगो साइकिल सवार नवही के मौत हो गइल. मरे वाला महरनिया गांव के 32 बरीस के एगो नवही रहे. बाद में पिकप वाला गाड़ी समेत भाग गइल.
- आरा के नवादा इलाका के कतिरा रोड में बियफे का दुपहरिया मे मोटरसाइकिल से चलत बदमाश एगो रिटायर्ड मास्टर साहब के चलत मोटरसाइकिल पर टाँगल झोरा झीन के भाग निकलले. ओह झोरा में तीन लाख रुपिया रहुवे.
- बक्सर के राजपुर इलाका के सोनपा राजवाहा पर चना पुल का लगे एगो पीपल का फेड़ का नीचे 21 बरीस के एगो नवही के लाश मिलल. लाश का लगही एगो बिना नंबर के मोटरसाइकिलो खड़ा रहुवे. लाश के पहचान नइखे भइल.
- भभुआ सदर थाना के सारंगपुर गांव में बुध का देर रात एगो घर में चोरी का नीयत से घुसल गाँवे के एगो आदमी के लाठी से पीट पीट के मुआ दिहल लोग. एह मामिला में पुलिस ओह घर के सात सवाँगन के गिरफ्तार कर लिहले बिया आ मामिला के जाँच करत बिया.
- सारण जिला के मकेर ले हसनपुरा गांव में एगो झोपड़ी में पिकप वैन घुस गइल आ ओहमें सूतल दस साल के एगो लड़की के कचार दिहलसि जवना से ओकर मौत हो गइल.
- छपरा रेवा रोड पर भेल्दी थाना के राजा चौक ला लगे बियफे के साँझ एगो बस गड़हा में पलट गइल. एह हादसा में एगो सवारी के मौत हो गइल आ कई जने घवाहिल हो गइले.
- रंगदारी ना मिलला से नाराज एगो सिपाही छपरा साढ़ा ढाला का नियरा एगो खैनी बेचे वाला पर गोली चला दिहलसि. संजोग से गोली ओकरा त ना लागल बाकिर बगल के एगो आदमी के हाथ पर लागत निकल गइल. ओह सिपाही के गिरफ्तार कर लिहले बिया पुलिस.
- सारण जिला के रसूलपुर थाना के असहनी गाँव में अपना ममहर में आइल एगो लड़िका के हत्या बियफे का दिने महुआ बीने का झगड़ा में क दिहल गइल. मरे वाला लड़िका सिवान जिला के भागड़ गाँव के रहुवे. हत्या करे वाला लड़िका भाग गइल बाड़न सँ.
- सिवान जिला के बडहरिया-बरौली रोड पर सुरहिया गाँव का नियरा एगो गाड़ी से कचरा के तेतहली गाँव के एगो औरत घवाहिल हो गइल. इलाज खातिर सिवान सदर अस्पताल के डाक्टर ओकर खराब हालत देख के पटना रेफर कर दिहले बाकिर राहे में ओकर मौत हो गइल. एह घरी मरीजन के परिजन बात बेबात बवाल खड़ा करत रहेलें एही चलते सब कुछ जानतो बूझत कि मरीज पटना ले चहुँप ना पाई ओकरा के रेफर कर के आपन गर छोड़ा लेता डाक्टर लोग.
- निकाह तय होखला का बाद कहीं अउरो शादी के बात चलला से नाराज नवही अपना संघतिया संगे मिल के ओह लड़िकी से सामूहिक रेप कइलस आ ओह लड़िकी के नाको काट लिहलसि. लड़िकी के बयान का बाद ओह लड़िका के आ ओकरा बाप के गिरफ्तार कर लिहले बिया पुलिस. बाप ओकरा के भगावे का फेर में रहलन एह से पुलिस उनको के ध लिहलसि. लड़िका लड़िकी दुनू एक गाँव के हउवे.
- बकाया वसूलवाए का बहाने अपना दोस्त के साथे ले जाके ओकर दोस्तवे गोली मरवा दिहलसि आ ओकरा लगे से पन्द्रह हजार रुपिया छिनवा लिहलसि. सिवान के सोनार टोली के एगो सोनार अपना दोस्त के बीस हजार रुपिया हथफेर दिहले रहुवे. जब ओकरा खुद जरूरत पड़ल त मँगलसि त करजा लेबे ओकरा के अपना संगे अमलोरी चले के कहलसि कि ओहिजे एक जने से लेबे के बा, ले के दे देब. सोनार नवही चल दिहलन आ राह में एह लूट पाट के शिकार हो गइले. पुलिस अब हमला करे आ करावे वाला के खोजत बिया.
- देवरिया कछार के करहकोल गाँव में चार्ज करे खातिर लगावल मोबाइल में कंरट अइला का चलते एगो लड़िका के मौत हो गइल. एगो दोसर हादसा में पचलड़ी-सरावं रोड पर ट्रैक्टर-ट्राली पलटला से एगो नवही दबा गइल आ ओहिजे ओकर मौत हो गइल.
- अपना मरद से लड़ाई क के जान देबे निकलल चंदौली जिला के भैंसा गाँव के एगो मेहरारू अपना छह बरीस के बच्चा समेत बियफे का दिने जोगवां गांव का लगे ट्रेन का सोझा कूद के जान दे दिहलसि. बचवा घवाहिल बा बाकिर बाचल बा.
- शुक का दिने देश के प्रधानमंत्री आ बलिया के सांसद रहल चन्दरशेखर के जयन्ती का मौका पर यूपी में कई जगहा समारोह आयोजित कइल गइल बा. बिहारो सरकार चन्द्रशेखर के जयंती के राजकीय समारोह का तरह मनाई.
- पटना उच्च न्यायालय के शताब्दी समारोह मेें शामिल होखे खातिर राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी शुक का दिने पटना अइहें. कार्यक्रम शनिचर का दिने होखे वाल बा. एह मौका पर एगो खास डाक टिकट जारी करीहें केंद्रीय संचार मंत्री रवि शंकर प्रसाद.
- बिहार से कालाजार खतम करे खातिर कनाडा सरकार पूरा सहयोग देबे ला तइयार हो गइल बिया. प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के कनाडा दौरा का दौरान बिहार के ई सौगात मिलल बा.
- बिहार विद्यालय परीक्षा समिति के अध्यक्ष के कहना बा कि इंटर साईंस के परिणाम हर हाल में 15 मई के घोषित क दिहल जाई. कापी जाँचे के काम करीब करीब पूरा हो चुकल बा.
- जम्मू-कश्मीर में नमकहराम देशद्रोही कट्टरपंथी हुर्रियत कॉन्फ्रेंस के नेता सैयद अली शाह गिलानी आ मसर्रत आलम के ओकनी का घरे पर नजरबन्द क दिहले बिया पुलिस. हालांकि दुनू के गिरफ्तार क के एकनी पर देशद्रोह के मुकदमा चलावे के जरूरत बा बाकिर स्थानीय राजनीति का चलते अइसन हो नइखे पावत.
545 total views, 5 views today