खबर भोजपुरी में (अतवार, 19 अप्रैल 2015)

(शनिचर, 18 अप्रैल के खबर)

  • जम्मू कश्मीर के नमकहराम अलगाववादियन के बोलावल बंद का दौरान बवाल करत लड़िकन पर पुलिस के गोलीबारी से एगो शैतान के मौत हो गइल. राज्य सरकार मामिला के जाँच के आदेश दे दिहले बिया आ तबले दू गो पुलिस वालन के गिरफ्तार क लिहल गइल बा. अब अतवार का दिने एह घटना का खिलाफ बड़गाम बंद करे के एलान कइले बाड़े सँ पाकिस्तानी चमचा.
  • जनता परिवार के छितराइल जरोहन में से छह गो के बटोरला का बाद अब एह कुनबा में शामिल होखे के नेवता देबे शरद यादव जम्मू चहुँपले आ ओहिजा के मुख्यमंत्री मुफ्ती के अपना कुनबा में शामिल हो जाए के कहलें.
  • यूपी के गेंहू बेचे खातिर किसान बिना रोकटोक हरियाणा के बापौली मंडी आ सनौली खरीद केन्द्र पर चहुँपत बाड़े आ आपन गेंहू बेच देत बाड़े. हरियाणा के किसानन के शिकायत बा कि एह चलते ओह लोग के गेंहू अइसहीं पड़ल रह जात बा.
  • आपन कटनी दँवनी छोड़ के किसान कवनो काम तब ले नइखन करत जबले कवनो मजबूरी ना आ जाव. बाकिर कांग्रेस अतवार का दिने अपना किसान रैली में राहुल गाँधी के चमकावे का कोशिश में देश भर से किसानन का नाम पर अपना समर्थकन के बटोर कइले बिया आ स्पिन मास्टर एह लोग से राहुल गाँधी के चौधरी के संज्ञा दिलवा देले बाड़े. अब से राहुल के चौधरी राहुल कहीहें कांग्रेसी. किसान रैली करा के कांग्रेस के कोशिश बा कि देश में विकास के काम खातिर जमीन मिलल मुश्किल करा दिहल जाव जेहसे मोदी सरकार विकास के काम आगे मत बढ़ा सके.
  • पूर्वी अफगानिस्तान के जलालाबाद शहर में एगो बैंक का बाहर भइल फिदाइन हमला में नाहियो त तीन दर्जन लोग के मौत हो गइल आ सौ से अधिका लोग घवाहिल हो गइल बा. हमला तब भइल जब लोग आपन तनखाह लेबे खातिर जुटल रहुवे.
  • यमन में जारी गोलाबारी का बीच से हजारन हिन्दुस्तानियन के सकुशल निकाल ले आवे वाला नौसेना के युद्धपोत मुंबई आ तरकश वापिस लवट आइल बाड़ी सँ. एह यद्धपोतन के शानदार स्वागत 20 अप्रैल के मुंबई में होखे जा रहल बा आ एह समारोह में खुद नौसेना प्रमुखो शामिल रहीहें.
  • मुख्य चुनाव आयुक्त एच. एस. ब्रह्मा शनिचर का दिने रिटायर क गइलें.
  • पिछला सात बरीस में सबले तगड़ा कमाई के हिसाब जारी कइले बिया देश के निजी क्षेत्र के सबले बड़ पेट्रोकेमिकल कंपनी रिलायंस इंडस्ट्रीज लिमिटेड. पिछला साल के आखिरी तिमाही नतीजा में कंपनी के 6,381 करोड़ रुपिया के शुद्ध मुनाफा भइल बा. कंपनी आपन सगरी पेट्रोल पंप एह साल फेर से चालू क दी.
  • आंद्रे रसेल के 66 रन के धमाकेदार पारी का बल पर कोलकाता नाइट राइडर्स पुणे में शनिचरा का दिने आईपीएल के मैच में किंग्स इलेवन पंजाब के चार विकेट से हरा दिहलसि. दोसरा मैच में लगातार 11 गो मैच हारे वाली दिल्ली डेयरडेविल्स के जीते के मौका मिलल आ सनराइजर्स हैदराबाद के चार रन से हरा दिहलसि.
  • बिहार के मुख्यमंत्री रहल जीतन राम मांझी राजद नेता लालू के सलाह दिहले बाड़न कि जनता परिवार के नेता बदल देबे के चाहीं काहें कि नीतीश का अगुअई में उनकर गोल जीत ना पाई. दोसरा के मौका दीहें त जीत मिले के उमेद बन सकेला.
  • बेमौसम बरखा आ बनेरी गिरला से भइल फसल के नुकसान देखत केन्द्र सरकार राज्य सरकारन से आलू आ पियाज के खरीदे के सलाह दिहले बिया.
  • बलिया के जिलाधिकारी शनिचर का दिने सदर तहसील के तीन गाँव के 377 किसान के फसल नुकसान के मुआवजा के चेक बँटलन.
  • गाजीपुर जिला के करंडा में गांगी नदी पर चार करोड़ छिहत्तर लाख रूपये लगा के एगो पक्का पुल बनावे के मंजूरी मिल गइल बा आ एह बाबत काम करे वाली संस्था के धन भेज दिहले बिया यूपी सरकार. 24 अप्रैल के एह पुल के शिलान्यास करावल जाई.
  • राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी शनिचर का दिने पटना हाई कोर्ट के सौ साल पूरा भइला का मौका पर भइल समारोह के उद्घाटन करत कहनी कि लोकतंत्र में न्यायपालिका के महत्व बहुते खास होला आ मामला निपटावे खातिर देश के अदालतन के अइसन सिस्टम बनावे के चाहीं जवना से मुकदमा के फैसला जल्दी से हो सको. समारोह का बाद राष्ट्रपति दिल्ली लवट गइनी.
  • राजद नेता लालू के कहना बा कि अगिला विधानसभा चुनाव में ढेरे विधायक लोग के टिकट काट दिहल जाई काहे कि अब एके आदमी के टिकट मिल पाई आ जनता परिवार के बटोर का बाद हर सीट पर कई गो दावेदार हो जइहें आ हर जरोह के धियान राखल जरूरी होखी.
  • चारा घोटाला के किंगपिन रहल श्याम बिहारी सिन्हा तब नीतीश कुमार के 1 करोड़ 15 लाख रुपिया दिहले रहले. एह चलते नीतीश कुमार के चारा घोटाला के आरोपी माने के मुकदमा में झारखंड हाई कोर्ट आपन फैसला सुरक्षित राख लिहले रहुवे. अब एह मामिला के सुनवाई फेर से करे के फैसला लिहले बावे हाई कोर्ट.
  • आयकर देबे वाला लोग के एह साल से अपना सगरी बैँक खाता के हिसाब दिहल जरूरी होखी. अगर विदेश यात्रा पर गइल होखी लोग त ओह यात्रा के खरचा के पूरा ब्योरा देबे के पड़ी कि के खरचा दिहल भा कहाँ से खरचा कइले रहे लोग. अब आपन आधारो नंबर बतावे के पड़ी.
  • सोमार आ मंगल का दिने फेरू बिहार आ पूर्वांचल के कुछ इलाका मे बरखा होखे के अनेसा बा. मौसम विभाग के कहना बा कि हाल के बरखा का चलते गरमी कम पड़त बा आ एह चलते एह साल के मानसून पर असर पड़ सकेला.