- कबो कबो कुछ अइसन हो जाला जवना के खबर बने से पहिलहीं सभका मालूम हो गइल रहेला. आजुओ 11 बज के 41 मिनट पर बलिया में भूकंप आइल. झटका अतना तगड़ा रहुवे कि सगरी केंवाड़ी खिड़की बन्द रहला का बावजूद खड़खड़ाए लगली सँ. सभे एक दोसरा के चेतावत बहरी भागल आ देखते देखते सगरी मुहल्ला सड़क पर रहुवे. फेर शुरू भइल अपना अपना घर परिवार के बेकत के हालचाल पूछे आ आपन बतावे के त नेटवर्क एह दबाव में कई जगहा फेल होखे लागल आ घंटन का कोशिश का बाद बात हो पावत रहुवे. एही क्रम में पता चलल कि छपरा, पटना, गोरखपुर, लखनऊ, इलाहाबाद, दिल्ली सभ जगहा के धरती हिल गइल रहुवे. फेर खबर आवे लागल कि एह भूकंप के केन्द्र रहुवे नेपाल में जहाँ बड़हन बरबादी आ जानमाल के नुकसान के अनेसा जतावल जात बा. देर रात भा काल्हु भोरे तक नुकसान के सही आकलन हो पाई तबले चलीं हमनी का भगवान से प्रार्थना कइल जाव कि जान माल के नुकसान कम भइल होखे आ जहाँ भइल होखे तहाँ राहत जल्दी से जल्दी चहूंपावल जा सके.
- एगो कारोबारी के किसान बता बना के फाँसी पर लटके के नौटंकी का फेर में ओह आदमी के सचहूं जान चल गइला का बाद नौटंकी पार्टी के कलाकार तरह तरह के नमूना पेश करे में लागल बाड़े. एह गोल के एगो बड़का करियठ नेता काल्हु ‘बहुत ही क्रांतिकारी’ खातिर मसहूर चैनल पर रोए के अइसन सीन पेश कइलसि कि ओकरा एह अभिनय खातिर आॅस्कर मिल जाव भा लोग माँग देव त अचरज ना होखे के चाहीं. बाद में गिरोह के सरगना माफी माँगे के नौटंकी कइलसि बाकिर संगही संगही मीडिया के चेतइबो कइलसि कि गलत तरफ मत ले जाव लोग बात के. मीडिया के बनावल ई भस्मासुर अब मीडिए के पाठ पढ़ावे लागल बा बाकिर कुकुर मीडियावाले अबहियों ओकर तरफदारी करे में लागल बाड़े. फाँसी टँगाइल किसान का सोझा भाषण जारी राखे का बात पर कहलसि कि ओकर प्लान त पूरा एक घंटा बोले के रहुवे बाकिर पन्द्रहे मिनट बोल के खतम क दिहलसि आपन भाषण.
- देश विरोधी गिरोहन के फंडिंग करे का अछरंग का चलते फोर्ड फाउन्डेशन आ ग्रीनपीस इंडिया का खिलाफ शुरू भइल कार्रवाई पर अमेरिका चिन्ता जतवले बावे बाकिर का ऊ अपना खुद का देश का खिलाफ अइसन काम करेवालन के बरदाश्त कर पाई, एहू सवाल के जवाब ओकरा देबे के चाहीं.
- केदारनाथ धाम गइल राहुल गाँधी के खबर पर एगो हलकट कांग्रेसी के ट्वीट रहुवे कि आजु जब मंदिर के कपाट खुली तब भगवान शिव राहुल गाँधी के दर्शन कर लीहें. हिन्दू विरोध क के आपन कबर खोद चुकल कांग्रेस के इहो बतावे के चाहीं कि एह तरह के बयान का हिन्दू आस्था पर चोट ना ह? आ राहुल गाँधी के धरम का ह? जहाँ ले राहुल के इटालियन पासपोर्ट के बात कइल जाव त राहुल आ सोनिया ईसाई धर्म माने वाला लोग ह आ एगो ईसाई के एह तरह से हिन्दू धर्म के तीर्थ पर जाए के सही कहल जाव कि गलत? खुद राहुल एह बात के कहलन कि आजु ले ऊ कवनो मंदिर में कवनो देवी देवता से कुछऊ नइखन मंगले. जब देवता से कुछ मांगही के नइखे त ओकरा डेहरी गइला के का जरुरत बा?
- दिल्ली से लखनऊ का बीच डबल डेकर ट्रेन चले के इंतजार अतवार का दिने खतम हो जाई जब केंद्रीय गृहमंत्री राजनाथ सिंह अउर रेल मंत्री सुरेश प्रभु आनंद विहार टर्मिनल से एह ट्रेन के लखनऊ खातिर रवाना करइहें. फिलहाल एह ट्रेन के हप्ता में दू दिन चलावल जाई.
- देश में एके तरह के टैक्स लगावे के प्रावधान करावे वाला जीएसटी विधेयक शुक का दिने लोकसभा में पेश क दिहल गइल. विधेयक के विरोध करत विपक्ष के लोग बाहर निकल गइल.
- पूर्वाचल के जिलन में शुक का दिने साँझ का बेरा आइल बरखा आन्ही आ बनेरी गिरला का चलते भारी नुकसान होखे के अनेसा जतावल जात बा. कई जगहा फेंड़ उखड़ गइली सँ, बिजली के खंभा गिर गइली सँ. एह चलते बिजली आ टेलीफोन सेवा में बाधा आ गइल. कुछ जगहा से मौत आ घवाहिल होखे के खबरो सामने आइल बा. जौनपुर जिला में
ठनका गिरला से दू आदमी के मौत हो गउवे त गोरखपुर में दू दर्जन लोग घवाहिल हो गइल बा. - पीएम मोदी शुक का दिने राष्ट्रीय पंचायती राज दिवस समारोह में बोलत कहलन कि सरपंचपि भा प्रधानपति के सिस्टम बंद होखे के चाही. महिला सशक्तिकरण खातिर पंचायतन में दिहल महिला आरक्षण के एह तरह से बेजा नाकारा करे पर रोक होखे के चाहीं.
- लखनऊ, फैजाबाद आ वाराणसी के कचहरियन में सीरियल ब्लास्ट करावे के आरोपी तारिक कासमी के बाराबंकी के एगो विशेष अदालत उमिर कैद के सजा सुना दिहलसि.
- बिहार में पंचायती राज संस्थानन के पदासीन प्रतिनिधियन के असमय मौत पर मिले वाला मुआवजा के राशि बढ़ा के पाँच लाख कर दिहल गइल बा. अब ओह लोग के मौत कवनो अपराध का चलते होखो भा प्राकृतिका आपदा से, भा कवनो हादसा से, हर हाल में ओह लोग के ई मुआवजा दिहल जाई. साथही एह लोग के तरह तरह के भत्ता का जगहा एगो तय राशि हर महीना दिहल जाई. मतलब कि भत्ता खातिर हिसाब देबे के पड़त रहुवे आ खरचा भइले पर धन मिलत रहुवे. अब एह ‘परेशानी’ से ओह लोग के मुक्त क दिहल गइल बा.
- पश्चिम चम्पारण जिला के नरकटियागंज-भिखानाठोरी रेलखंड पर ट्रेन चलल बंद हो गइल बा. एह रेल खंड के आमान बदले के काम शुरु होखे वाला बा जवना चलते एक साल खातिर ट्रेन सेवा बंद क दिहल गइल बा.
430 total views, 5 views today