Archives for May 2015
देश के जनता से अपना मन के बात बतियावे के अठवाँ कड़ी में आजु फेरू प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अपना मन के बात आकाशवाणी पर बतइहें. अपना सरकार के एक साल पूरा होखे का मौका पर एह कार्यक्रम में एक बरीस के हासिल गिनवा सकेलें. केन्द्र सरकार तिसरका बेर भूमि अधिग्रहण का बारे में अध्यादेश ले
प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी फेरू कहले बाड़न कि सेना के एक रैंक एक पेंशम के सवाल पर उनुकर सरकार प्रतिबद्ध बिया आ एह बारे में केहु के कवनो संशय ना होखे के चाहीं. कहलन कि पिछला सरकार में रहे वाला लोग एह बारे में कुछ ना कइल आ अब जान बूझ के गलतफहमी पसारे में लागल
गोपालगंज का भोरे इलाका के तिवारी बगहवां गांव में आइल बारात के लोग दही चिउरा खइला का बाद बीमार पड़े लागल आ 77 बरीस के एगो बूढ़ के मौतो हो गइल. बीमार लोग के भोरे अस्पताल में इलाज चलत बा. पीएम मोदी संगे भेंट कइला का बाद जीतन राम माँझी कहलन कि गठबन्हन के राह
समाचार एजेन्सी पीटीआई के इन्टरव्यू देत प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी साफ कहलन कि प्रधानमंत्री कार्यालय में सत्ता के बटोरल नइखे गइल आ पूरा तरह से संविधान के हिसाब से काम होखत बा. जबकि पिछला सरकार में सत्ता के गैरसंवैधानिक केन्द्र रहुवे आ ओकरे इशारा पर पीएमओ काम करत रहुवे. कहलन कि आज के मंत्रियन का लगे
गाय के माँस का बारे में दीहल केन्द्रीय गृहमंत्री रिजिजू के बयान पर योगी आदित्यनाथ के कहना बा कि मंतरी होखे भा संतरी केहू के जनभावना से खिलवाड़ करे के छूट ना होखे के चाहीं. ना ही एह तरह के बयानबाजी करे के चाहीं. आपन सफाई देत पिछला सरकार के प्रधानमंत्री रहल मनमोहन सिंह काल्हु
कहाँ बा नीमन दिन कहे आ पूछे वाला लोगन के जवाब देत प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी मथुरा रैली में कहलन कि घोटालाबाजन के नीमन दिन अब कबो नइखे आवे वाला. ओह लोग के त अब खराब दिन आइल बा जवन अउरी खराब होखत जाई. कहलन कि उनकर सरकार गरीबन खातिर काम करे में रात दिन लागल
बिहार में सरकार केकेर बनी एकर फैसला मुलायम, सोनिया आ लालू का हाथे बतवले बाड़न भाजपा नेता अरुण जेटली. हालांकि उनकर इहो दावा बा कि सरकार भाजपे के बनी. सभे जानत बा कि दिल्ली विधानसभा चुनाव में मिलल हार के दाग मेटावे खातिर बिहार विधानसभा जीतल भाजपा खातिर बेहद जरूरी बा. एह खातिर भाजपा हर
वाराणसी में अपना मंत्रालय के रिपोर्ट कार्ड जारी करत रेल राज्य मंत्री मनोज सिन्हा कहलन कि सरकार के पूरा कोशिश बा कि ट्रैक कंजेशन के कम कइल जाव. एह चलते ना त कवनो नया ट्रेन चलावल जात बा ना ही कवनो नया परियोजना शुरू होखी. सगरी जोर एह बात पर रही कि पुरनका परियोजनन के
देश में चलत गर्मी आ लू के प्रकोप से अतवार का दिने नाहियो त पाँच दर्जन लोग के मौत होखे के खबर बा. तेलंगाना में अबले करीब दू सौ लोग मर चुकल बा. ओहिजा के सरकार मरे वालन के परिवार के एक लाख रुपिया के सहायता देबे के एलान कइले बिया. आवे वाला दू तीन
एह साल के आखिर में होखे वाला चुनाव के मद्दे नजर जनता परिवार के समेटे के कोशिश में पेंच फँस गइल बा. लालू नइखन चाहत कि जदयू का संगे राजद के विलय होखो. उनकर मनसा बा कि सगरी भाजपा विरोधी दल मिल के एगो महागठबन्हन बनावसु आ भाजपा के बिहार में रोक लीहल जाव. दोसरा
बलिया जिला के बाँसडीह इलाका के एगो नर्सिंग होम में दू गो कर्मचारियन पर ओहिजा के एगो मरीज के बेटी अपना साथे संभोग करे के आरोप लगवले बिया. पुलिस दुनू आरोपियन के गिरफ्तार कर लिहले बिया. पुलिस मामिला के तहकीकात करे में लागल बिया आ एगो तिसरका साथी होखे के अनेसा जतावत बिया. देवरिया के
उपराज्यपाल से अपना अधिकार के लड़ाई आगे बढ़ावत दिल्ली सरकार मंगल का दिने विधानसभा के विशेष सत्र बोलवले बा. दू दिन के एह सत्र में केन्द्र सरकार के ओह अधिसूचना पर चरचा होखी जवना में कहल गइल बा कि नियुक्ति, तबादला, पुलिस आ सार्वजनिक मुद्दा पर सगरी अधिकार उपराज्यपाल का लगे बा. केजरीवाल के मनसा
लालू आ नीतीश के आपसी आगपाछ का फेर में जनता परिवार के विलय के मसला पर चरचा करे ला दिल्ली में बोलावल बइठक बेनतीजा रह गइल. एह बइठक में नीतीश अइबो ना कइलन. ओने जदयू नेता केसी त्यागी के बयान का बाद सपो महटियावे लागल बिया विलय के मुद्द. त्यागी के कहना रहे कि विलय
केन्द्र सरकार के एक साल के हासिल बतावत केन्द्रीय वित्तमंत्री अरूण जेटली काल्हु कहलन कि देश में भ्रष्टाचार मुक्त प्रशासन दीहल एनडीए सरकार के सबले बड़हन हासिल बावे. देश के संघीय ढाँचा के मजगर बनावल गइल. नीति आयोग बना के ओहमें मुख्यमंत्रियन के खास भूमिका बनावल गइल जेहसे कि केन्द्रीय प्रशासन में राज्यन के जिम्मेदारी
अपना के एनडी तिवारी के बेटा साबित करा देखावे वाला रोहित शेखर तिवारी के यूपी सरकार अपना परिवहन विभाग के सलाहकार बहाल क लिहले बिया. ई बहाली करवा के मुलायम सिंह यादव एनडी तिवारी से अपना दोस्ती के अगिला पीढ़ी ले बढ़वा दिहलन. उग्रवादियन के गिरफ्त में साल भर से पड़ल अपना मरदन के रिहाई
बियफे का दिने देश के प्रधानमंत्री रहल स्व॰ राजीव गाँधी के पुण्यतिथि रहुवे बाकिर एह मौका पर उनुका के सरधांजलि देबे खातिर राष्ट्रपति भा उपराष्ट्रपति उनका स्मारक ना चहुँपले. बतावल जात बा कि केन्द्र सरकार के फैसला बा कि अबसे एह तरह के कार्यक्रम सरकार ना कराई आ घर परिवार भा गोल के लोग आपन
सिवान जिला के दू गो सहोदर भाईयन के अपहरण आ मुआ देबे के मामिला में बियफे का दिने अदालत में दाखिल अपना बयान में बीएसएनएल बतवलसि कि जवना फोन से जेल से धमकी दीहल गइल ओह फोन के सिम राजद नेता आ सिवान के सांसद रह चुकल मो॰ शहाबुद्दीन के नाम वाला रहुवे. बिहार विधानसभा
अलगाववादी नमकहराम देशविरोधी कश्मीरियन के गिरोह हुर्रियत कांफ्रेस बुध का दिने फेरू अपना रैली में पाकिस्तान के झंडा लहरवलसि आ पाकिस्तान समर्थक नारा लगवलसि. आजु श्रीनगर में सुरक्षा व्यवस्था कड़ा कर दीहल गइल बा. ओने कट्टरपंथी हुर्रियत नेता सैयद अली शाह गिलानी के पासपोर्ट का मुद्दा पर मुफ्ती महबूबा के कहना बा कि एह पर
तीन देशन के यात्रा पर निकलल पीएम मोदी काल्हु दक्खिन कोरिया में भारतीय समुदाय के संबोधित करत कहलन कि ऊ मक्खन पर ना पत्थर पर लकीर खींचेले. काहें कि उनुका सोझा देश के सवा सौ करोड़ लोग ले विकास चहुँपावे के बा. कहलन कि ऊ ओह लोगन में से ना हउवन जे अपना ला आसान
मंगोलिया आ भारत के आपसी संबंध के रणनीतिक साझेदारी का स्तर पर ले जाए के सहमति भारत के पीएम नरेन्द्र मोदी आ मंगोलिया के पीएम सैखन बीलिग का बीचे हो गइल बा. साथ ही भारत मंगोलिया के एक अरब डालर के करजा देबे के फैसला कइले बा जवन भारत के पूरब ओरि देखे के नीति
Older Posts››