भोजपुरी में खबर (बुध, 6 मई 2015)

भोजपुरी में खबर (बुध, 6 मई 2015)

  • तेरह बरीस से लटकल केस के फैसला आज आवे वाला बा. साल 2002 में सलमान खान के कचार के भागे का मामिला में आरोपी बनावल गइल रहे. तबसे आजु ले एह मामिला के फैसला ना हो सकल. हर तरह के कानूनी दांँवपेंच आजमावल गइल. अब देखल जाव कि आजु कवन फैसला आवत बा. वइसे बाबा तुलसीदास कह गइल बाड़न कि समरथ के नहीं दोस गुसाईं आ हमनियो के अदालत कुछ कुछ एही तरह से काम करेले. नेशनल हेराल्ड मुकदमा के सुनवाई करे के समय नइखे, तीस्ता के फोने पर जमानत दे दीहल जाला, पचौरी, केजरीवाल, रामनरेश यादव वगैरह का खिलाफ चले वाला मामिलन पर रोक लगा दिहल जाला. एगो अपवाद बुड़बक सुब्रत राय का मामिला में देखे के मिलत बा बाकिर ओहिजो सुब्रत राय के गलती का चलते.
  • दिल्ली महिला आयोग के नोटिस आखिरकार कुमार विश्वास के मिलिए गइल आ अब ऊ आज बुध का दिने आयोग का सोझा पेश हो सकेलें.
  • अंबाती रायुडू के नाबाद 49 आ कप्तान रोहित शर्मा के 46 रन का पारी का चलते युवराज सिंह के हाफ सेन्चुरी बेकार हो गइल आ मुंबई इंडियन्स आईपीएल मुकाबला में दिल्ली डेयरडेविल्स के पांच विकेट से हरा दिहलसि.
  • सेना के मंगल का दिने देश में बनल बहुते आधुनिक मिसाइल ‘आकाश’ सँउप दीहल गइल. तीस बरीस का मेहनत का बाद बनल एह मिसाइल से सेना के मारक क्षमता बहुते बढ़ जाई. जमीन से आसमान में मार करे वाला एह मिसाइल से 25 किलोमीटर दूर ले निशाना साधल जा सकेला.
  • मीडिया के चमचई से चमकल केजरीवाल के आआपा गोल अब मीडिया पर नजर राखे के बात करत बावे. पहिले आशुतोष जइसन अनेके पत्रकार आपना पत्रकारिता के इमानदारी छोड़त चैनलन पर केजरीवाल के चमकवले आ जब उनकर भेद खुले लागल बा तब मीडिया पर हमलावर बन गइल बाड़न. वइसे अब ले पता नइखे कि केजरीवाल सरकार नजर राखिए के का कर ली. शायद ई ओही तरह के बात होखी जब कवनो गाड़ी का पाछा करत कुकुरो के पता ना होखे कि गाड़ी पकड़िए ली त का कर ली.
  • कांग्रेस के महतारी बेटा मोदी सरकार के चेहरा बेरंग करे में लागल बावे लोग. राज्यसभा में बहुमत ना रहला का चलते मोदी सरकार बहुते कुछ काम नइखे कर पावत आ कांग्रेस हर ऊ पेंच फँसावे में लागल बिया जवना से देश के विकास के काम रुक जाव.
  • अगर आबादी बढ़े के रफ्तार इहे रहल त साल 2028 ले भारत के आबदी चीनो ले बेसी हो जाई. आबादी पर काबू करे के हर कोशिश बेकार हो जात बा काहे कि देश के एगो समुदाय परिवार नियोजन के अपना रिलीजन का खिलाफ माने ला. कई कई गो शादी आ दर्जनो बच्चा पैदा कइल ओकर धार्मिक अधिकार जइसन हो गइल बा.
  • अंतरराष्ट्रीय बाजारन से आइल खराब संकेत के असर घरेलुओ बाजार पर पड़ल बा. काल्हुओ शेयर बाजार गिरल रहे आ आजुवो ओकरा में गिरावट लउकत बा.
  • अपना मेहरारुवन से परेशान लोग काल्हु दिल्ली के जंतर-मंतर पर प्रदर्शन क के दहेज प्रताड़ना कानून में संशोधन के मांग कइल.
  • कांग्रेसी सरकार में मंत्री रहल कपिल सिब्बल अब सिनेमा के गाना लिखे लागल बाड़े. एगो फिलिम ‘जैनब-ए सेलीब्रेशन ऑफ ह्यूमैनिटी’ खातिर ऊ पाँच गो गाना लिखले बाड़न. एह राजनीतिक संदेश व‌ाली फिलिम में हिन्दू लड़िका के मोहब्बत मुसलमान लड़िकी से देखावल गइल बा. फिलिम के आंत का बारे में अबहीं पता नइखे. हो सकेला कि फिलिम में लड़िका के मजहब बदल लीहल देखावल जाए.
  • भारत-जापान हॉकी टेस्ट सीरीज के दुसरका मैच में भारत जापान के 2 गोल से हरा दिहलसि. जापान कवनो गोल ना कर सकल. पहिला मैच बराबरी पर छूठल रहुवे,
  • वित्त मंत्रालय मंगल का दिने साफ कर दिहलसि कि रसोई गैस खातिर मिलेवाला सबसिडी पर आयकर ना देबे के पड़ी. कुछ लोग के अनेसा रहुवे कि बैंक में आइल एह सबसिडी पर आयकर देबे पड़ सकेला.
  • बिहार विधानसभा चुनाव में भाजपा अपना मौजूदा संघतियने का साथे मैदान में उतरी आ कवनो नया दल के शामिल करे के कवनो योजना नइखे.
  • बिहार विधानसभा चुनाव से पहिले राजद आ जदयू के रस्साकसी जारी बा. काल्हुए खबर आइल रहुवे कि दुनू का बीच सीट के समझौता हो चलल बा आ अब खबर आइल बा कि कुछ लोचा अबहियो मौजूद बा जवना चलते नयका पार्टी बनावे खातिर होखे वाला बइठक फेरू टार देबे के पड़ल बा. असल में जनता परिवार के विलय के सबले अधिका विरोध मुलायम के गोल का तरफ से होखत बा. एह लोग के कहना बा कि पहिले बिहार के चुनाव लालू आ नीतीश मिल के लड़ लेव लोग. जीतल लोग त विलय हो जाई बाकिर हारल लोग त यूपी में समाजवादी गोल के नुकसान हो जाई.
  • विदेश से चंदा ले के देशहित का खिलाफ काम करे वाली संस्थआ ग्रीनपीस इंडिया का लगे अब अपना कर्मचारियन के तनखाहो देबे लायक धन नइखे रहि गइल. अधिका से अधिका एक महीना के खरचा बाँचल बा. संस्था अपना विदेशी आका लोग से देश के सरकार पर दबाव बनाववे के कोशिश करत बिया.
  • केन्द्र सरकार बिना कवनो भेदभाव सभका ला इंटरनेट के उपलब्‍धता बनवले राखे का पक्ष में बिया, ई बात राज्यसभा में संचार आ सूचना प्रौद्योगिकी मंत्री रविशंकर प्रसाद कहलन.
  • भारतीय प्रतिस्‍पर्धा आयोग देश में काम करत पांच गो बड़हन ऑनलाइन खुदरा कंपनियन के गलत व्‍यापार के आरोप से मुक्त कर दिहलसि. एह कंपनियन में शामिल रहे फ्लिपकार्ट, स्‍नेपडील, अमेजन, जाबोंग आ मंत्रा. आयोग के कहना बा कि ई लोग कवनो मानदंड के नइखे लँघले.
  • यूपी सरकार शामली जिला के ऊन कस्बा आ मैनपुरी जिला के घिरोरपुर के तहसील बनावे के फैसला कइले बिया.
  • बिहार में डॉक्टर दंपति के किडनैपिंग का बाद अबले कुछ पता नइखे चलल. बिहार सरकार कई गो बड़हन पुलिस अधिकारियन के तबादला कर दिहले बिया.
  • पूर्व मध्य रेलवे के सासाराम-आरा रेलखंड पर बराव का नियरा रेल फाटक पार करत एगो ऑटो रिक्शा पटना-भभूआ इंटर सिटी एक्सप्रेस से टकरा गइल जवना चलते पाँच लोग गंभीराहे घवाहिल हो गइल बा.
  • सिवान जिला के हुसैनगंज थाना के सिधवल गाँव में कुछ बदमाश एगो लड़़िकी का चेहरा पर तेजाब फेक के घवाहिल क दिहले. लड़िकी के इलाज सदर अस्पताल मेंं करावल जात बा.
  • अगर रउरा अपना जिला जवार के खबर भेजल चाहत बानी त ओकरा के ट्वीटर पर #टटकाखबर हैशठैट लगा के ट्वीट क दीं.

News in Bhojpuri, भोजपुरी में खबर, टटका खबर,