भोजपुरी में खबर (बियफे, 7 मई 2015)

  • जइसन पहिलही से उमेद रहल वइसने भइल. सलमान खान के तेरह बरीस मुकदमा चलवला का बाद पाँच बरीस के जेल के सजा सुनावल गइल बाकिर बड़का वकीलन के फौज बम्बई हाई कोर्ट से उनका के जमानत दिआवे में सफल हो गइल. गनीमत अतने रहल कि तीस्ता जइसन फोन पर जमानत ना दीहल गइल. बाकिर एगो खोंच खोज के दू दिन के जमानत मिल गइल सलमान के आ उनुका रात जेल में ना बितावे पड़ल. सलमान के जेल के सजा पर उनकर एगो चमचा गायक अतना बदजुबान निकलल कि कह दिहलसि सड़क पर सूते वाला कुकुरन के कचरइला में कवनो अचरज ना होखे के चाहीं. ओकरा उमेद होखी कि एह तरह के बेहूदा बयानबाजी से खुश हो के ओकर सलमान भाईजान ओकरा के कुछ काम दिआ दीहें.
    सलमान के ड्राइवर पर झूठ गवाही देबे का चलते ओकरा पर मुकदमा चलावे के पुलिस के निहोरा अदालत ना मनलसि. ड्राइवर अचके में तेरह बरीस बाद सोझा आइल आ कहलसि कि ओह रात गाड़ी ऊ चलावत रहुवे. सलमान के बचावे खातिर बोलल ओकर झूठ कामे ना आइल.
  • बुध का दिने लोकसभा में वस्‍तु आ सेवा कर विधेयक दू तिहाई बहुमत से पास हो गइल. वोटिंग का बेरा कांग्रेस के सांसद वाकअउट कर गइल रहलें बाकिर ओकर मकसद बिला पास करावे के रहल. अब अगिला साल से एह वस्तु आ सेवा कर के लागू कर दिहल जाई बशर्ते राज्योसभा से ई पारित हो जाव आ देश के आधा से अधिका राज्य विधानसभा एकरा के पारित कर देसु.
  • भारत आ बांग्‍लादेश के बीच कुछ इलाकन के अदला-बदली से जुड़ल संविधान संशोधन विधेयक के बुध का दिने राज्‍यसभा सर्वसम्‍मति से पारित कर दिहलसि. भारत आ बांग्‍लादेश के बीच 1974 में भइल समझौता का मुताबिक बांग्‍लादेश में भारत के 111 बस्ती आ भारत में बांग्‍लादेश के 51 गो बस्तियन के अदला-बदली क लीहल जाई.
  • बिहार में गया से किडनैप भइल डाक्टर पंकज गुप्ता आ उनका पत्नी के रिहा करा लीहल गइल बा आ किडनैप करे के आरोपी अजय सिंह बिहार के हवे बाकिर डाक्टर दंपति के लखनऊ में राखल गइल रहुवे. एह मामिला में नौ लोग के गिरफ्तार कइल गइल बा.
  • आइपीएल मैच में बुध का दिने रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु अपना खिलाड़ी क्रिस गेल के 57 गेंद पर बनावल 117 रन का सहारे किंग्स इलेवन पंजाब के 138 रन से हरा दिहलसि.
  • ‘फोर्ब्स’ पत्रिका के नयका अंक में दुनिया के बड़की कंपनियन के लिस्ट में भारत के 11 गो कंपनियन के शामिल कइल गइल बा. एह कंपनियन में सबले उपर स्टेट बैँक बा जवना के 152 वाँ जगहा राखल गइल बा. एह सूची में चीन के पाँच गो कंपनी दुनिया के टाप टेन में शामिल बाड़ी सँ जबकि भारत के कवनो कंपनी टाप 100 तक ले में नइखे.
  • नेपाल सरकार नेपाल में ड्रोन उड़ावे पर रोक लगा दिहले बिया. ओकरा डर बा कि ड्रोन से ओहिजा के महत्वपूर्ण जगहन के फोटो खींचल जा सकेला जवना के इस्तेमाल ओकरा के नुकसान चहुँपावे खातिर कइल जा सकेला.
  • आजु 7 मई के ब्रिटेन के लोग नया सरकार चुने ला आपन वोट डाले वाला बा. अबकी का चुनाव में भारतीय मूल के लोग पर दुनू पार्टी पूरा धियान दिहले बाड़ी सँ. सर्वे में दुनू का बीच के टक्कर कांटा के बतावल जात बा.
  • राजग सरकार के एक बरीस पूरा भइला का मौका पर एक हप्ता ले जन कल्याण पर्व मनावल जाई जवना में भाजपा के सांसद लोग आम जनता के सरकार के चलावल कल्याण योजनन का बारे में जानकारी दीहें. कार्यक्रम 26 मई से 1 जून ले चलावल जाई.
  • केंद्रीय मंत्रिमंडल दू गो नया संचार उपग्रह बनावे आ ओकरा प्रक्षेपण के मंजूरी दे दिहले बिया. जीसेट-17 आ 18 के प्रक्षेपण अगिला तीन साल का भीतर करा लीहल जाई. एह उपग्रहन से देश के मौजूदा संचार सेवा में सुधार होखी आ नयो सेवा शुरू कइल जा सकी.
  • बुध का दिने बंबई शेयर बाजार में जोरदार गिरावट देखे के मिलल आ सेंसेक्स 723 अंक टूट के बंद भइल.
  • मशहूर फिल्ममेकर मणिरत्नम के दिल के दौरा पड़ला का बाद नई दिल्ली के इंद्रप्रस्थ अपोलो अस्पताल में भरती करावल गइल बा. उनकर हालत अबहीं स्थिर बतावल जात बा.
  • मुंबई इंडियंस के खिलाफ 57 रन के खेल के दिल्ली डेयरडेविल्स के बल्लेबाज युवराज सिंह कहलन कि ऊ लोग के कइल आलोचना से हारल नइखन आ लोग के गलत साबित कर देखइहें. बाकिर एकरा बावजूद वानखेड़े स्टेडियम में मंगल का दिने भइल मैच में दिल्ली डेयरडेविल्स के मुंबई इंडियंस पांच विकेट से हरा दिहलसि.
  • गरमी आवते यूपी में बिजली जाए के समस्या शबाब पर आ गइल बा. जगहे जगह ट्रांसफार्मर जरे आ बिजली कटला से लोग परेशान हो गइल बा. बिजली विभाग के कहना बा कि राज्य में एह घरी लगभग पांच सौ मेगावाट बिजली के कमी आवे का चलते कटौती बढ़ावे के पड़ल बा.