भोजपुरी में खबर (शुक, 8 मई 2015)

  • संसद से बियफे का दिने संविधान के 100वां संशोधन विधेयक के मंजूरी मिल गइल. राज्यसभा एकरा के पहिलही पारित कर चुकल रहुवे. एकरा पारित भइला का बाद बांगला देश आ भारत के सीमा के फेर से खींचल जाई आ बांगला देेश मे भारत के गाँव आ भारत में बांगला देश के गाँव के मसला सलटा लीहल जाई. एह समझौता से बंगलादेश के भारत से करीब दस हजार एकड जमीन मिल जाई.
  • अमेरिका के पत्रिका टाइम्स के दीहल अपना इंटरव्यू में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी फेरू दोहरवलन कि उनकर सरकार जाति, संप्रदाय भा धर्म का आधार पर कवनो भेदभाव बर्दाश्‍त ना करी आ ना ही केहू साथे पक्षपात करी.
  • लोकसभा से बियफे का दिने किशोर न्‍याय (बाल देखभाल आ संरक्षण) विधेयक, 2014 पारित क दीहल गइल. अब से हत्या बलात्कार जइसन जघन्य अपराध करे वाला 16 से 18 बरीस के किशोर पर सयान जइसन मुकदमा चलावल जाई. बाकिर सजाय का बावजूद ओकरा के जेल ना भेज के किशोर सुधार गृह में राखल जाई.
  • संसद से बियफे का दिने विवाह कानून में संशोधन अधिनियम समेत 36 गो बेमतलब के कानून रद्द करे के मंजूरी मिल गइल.
  • कुछ जरूरी विधेयकन के पास करावे खातिर लोकसभा के मौजूदा सत्र तीन दिन ला अउर बढा दीहल गइल बा. संसद अब 13 मई ले चलावल जाई. राज्‍यसभा के मौजूदा सत्रो 13 मई ले चले वाला बा.
  • सलमान खान के जमानत पर मुंबई हाई कोर्ट में शुक का दिने सुनवाई होखे वाला बा. ओने सुप्रीम कोर्ट में एगो याचिका के मंजूरी मिल गइल बा जवना में सलमान के जमानत के विरोध कइल गइल बा. अचरज ना होखे के चाहीं कि सुप्रीम कोर्ट में याचिका के सुनवाई होखे तकले हाई कोर्ट जमानत के सुनवाई टार देव आ सलमान के मिलल जमानत बरकरार रहि जाव.
  • ब्रिटेन में 650 सीट पर भइल चुनाव के गिनिती आजु जारी बा. शुरुआती रुझान में लेबर पार्टी के बढ़त मिलत लउकत बा. अबकी के चुनाव में कवनो दल के बहुमत मिले के आसार नइखे लउकत.
  • गया से किडनैप भइल डाक्टर दंपति के फिरौती ले के छोड़ल जाए के बात हवा में उड़त बा. एह किडनैपिंग में बिहार के एगो बाहुबली विधायक आ यूपी के बाहुबली आ सांसद रहल के नाम सामने आवत बा.बिहार के विधायक सरकारी खेमा के हउवन.
  • राजद में सामाजिक न्याय के बात उठावे वाला आ मधेपुरा से सांसद पप्पू यादव के निकाल दिहल गइल बा. पप्पू यादव के कहना बा कि लालू प्रसाद अपना बेटा बेटी का मोह में सामाजिक न्याय का मुद्दा से बहक गइल बाड़न.
  • कांग्रेसी सरकार का दौरान कुछ ना करे वाला राहुल गाँधी अमेठी के फूड पार्क रद्द होखे पर नाराजगी जतवले बाड़न. बाकिर पहिले उनुका ई बतावे के चाहीं कि पिछला सरकार का दौरान एकर काम काहे ना हो सकल आ दोसरे फूड पार्क खातिर जमीन कहाँ से आ कइसे आई. ओने अमेठी में अपना सांसद राहुल गाँधी का खिलाफ काल्हु प्रदर्शन कइल गइल. एह लोग के आरोप रहुवे कि अमेठी के किसान मरत बाड़े आ राहुल का लगे एह लोग से मिले बतियावे के समय नइखे मिलत.
  • शिक्षा मंत्री पी.के.शाही से बतियवला का बाद बिहार में प्राथमिक शिक्षक संघ आपन हड़ताल बियफे का दिने वापिस ले लिहलसि.
  • बिहार विधान परिषद के 24 गो सीट ला होखे वाला चुनाव के देखत राजनीतिक हलचल बढ़ गइल बा. राजद, जदयू आ कांग्रेस का बीच एह चुनाव खातिर आपसी समुझ बन गइल बा. जदयू आ राजद 9 9 गो सीट से आ कांग्रेस 2 गो सीट से चुनाव लड़ी. 4 गो सीट का बारे में अबहीं समझौता नइखे भइल. दोसरा तरफ भाजपा के अगुआई वाला एनडीए एकजुट होके लड़ी.
  • बिहार स्टेट पावर होल्डिंग कंपनी लिमिटेड 1280 गो मीटर रीडर के बहाली के प्रक्रिया शुरु कइले बिया. एह पद खातिर गणित में स्नातक होखल जरूरी मानल गइल बा.
  • यूपी के डाक्टर आजु राज्य भर में आपना क्लिनिक आ नर्सिंग होम बंद रखीहें. एह लोग के शिकायत बा कि आएदिन डाक्टर पर हमला होखत बा आ सरकार हमलावरन पर कार्रवाई नइखे करत. साथही नर्सिंग होम चलावे वाला लोग के तरह तरह से परेशान कइल जात बा.
  • ट्वीटर पर राहुल गाँधी के नाम से खाता खोल के चहके वाला आफिस आफ राहुल गाँधी के स्वागत करत भाजपा सांसद गिरिराज सिंह कहले बाड़न कि ट्विटर एकाउन्ट सम्हारे वाला लोग खातिर बहुते मुश्किल होखी राहुल के काम करत देखावल. वइसे अबहीं ले राहुल गाँधी के आपन कवनो ट्विट नइखे आइल.
  • शेयर बाजार त गिरते बा अब रुपयो में गिरावट के दौर शुरु हो गइल बा. रुपिया 64 के लाइनो पार कर गइल बा जवन कि साल 2013 का बाद के सबले खराब स्तर बा.
  • अपना घरेलू मैदान पर आइपीएल मैच खेलत कोलकाता नाइट राइडर्स बियफे का दिने दिल्ली डेयरडेविल्स के 13 रन से हरा दिहलसि. एगो दोसरा मैच में मुम्‍बई में खेलत सनराइजर्स हैदराबाद सात रन से राजस्‍थान रॉयल्‍स के हरवलसि.
  • केरल में भारतीय खेल प्राधिकरण केन्‍द्र के चार गो लड़िकी खिलाड़ी उत्पीड़न के आरोप लगावत जहर खा लिहली जवना से एगो के मौत हो गइल आ बाकी तीन गो के खराब हालत में अस्पताल में इलाज चलत बा.
  • पूर्वी चंपारण जिला के केसरिया प्रखंड के अंचलाधिकारी अखिल कुमार मल्लिक के बियफे का दिने तेरह हजार रूपया घूस लेत मौके पर गिरफ्तार कर लीहल गइल.
  • यूपी के राज्य सड़क परिवहन निगम के बस अब एथेनॉलो से चलीहें सँ. एह फैसला से गन्ना किसानन के फायदा मिले के बात कहल जात बा. निगमो के फायदा होखी काहे कि एथेनाॅल के दाम डीजल से कम पड़ेला.
  • सात करोड़ रुपिया के खरचा क के वाराणसी के काशी विश्वनाथ मंदिर के सौन्दर्यीकरण करावे के फैसला मंदिर के प्रबंध समिति कइले बिया.
  • राजपूत वोट हथियावे का नीयत से मुख्यमंत्री अखिलेश यादव 9 मई का दिने महाराणा प्रताप जयंती का मौका पर सार्वजनिक छुट्टी के एलान कइले बाड़न.