web analytics

खबर भोजपुरी में (अतवार, 10 मई 2015)

  • शनिचर का दिने कोलकाता में पीएम मोदी तीन गो सामाजिक सुरक्षा योजना के शुरुआत करवलन. एह योजनन के देश के 115 शहर में एके साथ शुरू कइल गइल. अब महज 1 रुपिया महीना के खरचा पर 18 बरीस से 40 बरीस का बीच के कवनो आदमी दू लाख रुपिया के दुर्घटना बीमा के हकदार बन जाई. मोदी कहलन कि गरीबन के भीख ना चाहीं ओकरा ताकत चाहीं. अबले सरकार ओकरा के अनुदान का नाम पर बझवले राखत रहली सँ आ अब पहिला बेर ओह लोग के ताकत मिले के शुरुआत भइल बा. एगो दोसर योजना प्रधानमंत्री जीवन ज्‍योति बीमा योजना में कवनो कारण से मौत होखला पर बीमा के सुविधा मिल जाई जबकि अटल पेंशन योजना बुढ़ापा में सामाजिक सुरक्षा देबे के काम करी. एह योजना के बहुते प्रचार के जरूरत बा आ अपना संपर्क में रहे वाला हर गरीब गुरबा के एह बात के जानकारी चहुँपावल हमनी सभके काम होखे के चाहीं.
  • पश्चिम बंगाल दौरा के दौरा पर गइल प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी आजु अतवार का दिने दक्षिणेश्वर काली मंदिर में पूजा कइलन आ बाद में बेलूर मठ गइलन. ओहिजा स्वामी विवेकानंद का कक्ष में जाके धियान लगवलन. काल्हु शनिचर का दिने ढेर दिन से बीमार पड़ल अपना गुरू स्वामी आस्थानंद जी से भेंट कइलन आ उनकर आशीर्वाद लिहले.
  • आजु अतवार का दिने मुंबई के पृथ्वी थिएटर में भइल एगो समारोह में केन्द्रीय सूचना प्रसारण आ वित्त मंत्री अरुण जेटली दिग्गज अभिनेता-निर्देशक शशि कपूर के देश के प्रतिष्ठित दादा साहेब फालके अवॉर्ड से सम्मानित कइलन.
  • भीड़ वाला सीजन में आपन कमाई बढ़ावे का साथेसाथ यात्रियन के बढ़िया सुविधा देबे का लिहाज से रेलवे ‘तत्काल स्पेशल’ ट्रेन सर्विस चलावे के फैसला कइले बिया. एह सेवा के भाड़ा बाकी रेलगाड़ियन से पौने दू सौ से लेके चार सौ रुपिया ले महँगा होखी.
  • तिब्बत के आध्यात्मिक नेता दलाई लामा शनिचर का दिने कहलन कि अगर भारत आ चीन का बीच दोस्ती हो जाव त एकर असर दोसरो देशन पर पड़ी आ एकर स्वागत होखे के चाहीं.
  • ब्रिटेन में दुबारा सरकार बनावे जात कैमरन अबकी कवनो दोसरा दल से सलाह लेबे से आजाद बाड़न काहें कि अबकी उनका कंजरवेटिव पार्टी के अकेले बहुमत मिल गइल बा. 23 साल में पहिला बेर अइसन मौका मिलल बा कंजरवेटिव के.
  • कांग्रेसी नेता जयराम रमेश शनिचर का दिने इंदौर गइल रहलन. ओहिजा पत्रकारन से बतियावत कहलन कि पिछला लोकसभा चुनाव में कांग्रेस के हार के कारण तब प्रधानमंत्री रहल मनमोहन सिंह, सोनिया गाँधी आ राहुल के ‘चुप्पी’. कहलन कि भ्रष्टाचार का मुद्दा पर आपन बात ई लोग ठीक से ना राख सकल आ कांग्रेस के बहुते नुकसान हो गइल.
  • छत्तीसगढ़ में मोदी के सभा खातिर जात गाँव वालन के नक्सली पकड़ के राख लिहले रहले सँ. बाद में ओहमें से एक आदमी के पीट पीट के मुआ दिहलन स आ तब बाकी लोग के छोड़लन सँ. ओकनी के नाराजगी एह बात से रहुवे कि मना कइला का बावजूद ई लोग बारू नदी पर बनत पुल के काम में सहयोग देत बा. नक्सली तनिको ना चाहऽ सँ कि ओकनी का इलाका में विकास के कवनो काम हो पावे.
  • राहुल गाँधी के उनुका गढ़ मे घेरे के योजना पर काम करत भाजपा फेरू दाँव मरले बिया. 12 मई का दिने स्मृति इरानी अमेठी जा के ओहिजा के किसानन से भेंट करीहें आ ओहिजा कुछ एलानो कर सकेली. एह बात के जानकारी मिलते राहुल गाँधी के ‘आफिस’ से ट्वीट आइल कि राहुलो 18 मई अमेठी जइहें.
  • डॉट के नियम से दाँव चलत रिलायंस जियो के 3300 करोड़ के नाजायज फायदा मिले के आरोप लगवले बावे कैग. ओकर कहना बा कि महज 15 करोड़ रुपिया में इन्फोटेल ब्रॉडबैंड ब्रॉडबैंड चलावे ला स्पेक्ट्रम लिहलसि. ओकरा लगे सिर्फ इंटरनेट सेवा देबे के लाइसेंस मिलल बाकिर ओह कंपनी के खरीदला का बाद रिलायंस जियो स्पेक्ट्रम के इस्तेमाल बदलवा लिहलसि आ साल 2001 का आधार पर माईग्रेशन शुल्क 1658 करोड़ रुपिया दिहलसि. ओकरा ब्रॉडबैंड स्पेक्ट्रम यूजेज चार्ज महज 1 फीसदी के पड़ल जबकि दोसरा कंपनियन के एकरा ला 3 से 5 फीसदी ले देबे के पड़ल बा.
  • देश के विकास का राह पर तेजी से बढ़त देख कांग्रेस हर संभव लंघी मारे का फेर में लाग गइल बिया. लोकसभा से पारित हो चुकल वस्तु अउर सेवा कर (जीएसटी) के राज्यसभा में रोके खातिर पूरा प्लान बना के बइठल बिया कांग्रेस. ओकर पूरा कोशिश बा कि एह विधेयक के केहु तरह से लटका दीहल जाव.
  • इंडियन प्रीमियर लीग के मैच में कोलकाता नाइट राइडर्स आखिर में जात जात किंग्स इलेवन पंजाब के 1 विकेट से हरा दिहलसि आ प्लेऑफ में पहुंचे के उम्मीद अउर टाँठ क लिहलसि. दोसर मैच मे सनराइजर्स हैदराबाद दिल्ली डेयरडेविल्स के 6 रन से हरा दिहलसि.
  • मैड्रिड ओपन टेनिस टूर्नामेंट के महिला एकल सेमीफाइनल मुकाबला में विश्व के नंबर एक खिलाड़ी अमेरिका के सेरेना विलियम्स आ पिछला बेर के चैंपियन रूस के मारिया शारापोवा के सनसनीखेज हार झेले के पड़ल. सेरेना के पेत्रा क्वीतोवा हरवली त शारापोवा के उनुके देश के स्वेतलाना कुज्नेत्सोवा हरवली.
  • रेडियो के दायरा बढ़ावे का मकसद से देश भर के मीडियम वेव टॉवर के एफ एम टावर में बदल जाई. एह समय देश के 45 फीसदी इलाका में एफ एम रेडियो सुनल जाला आ एकर दायरा अउर बढ़ जाई जब हर जगह एकर टावर लाग जाई.
  • बिहार के गुटका कारोबारियन के 24 मई ले समय दीहल गइल बा जवना से पहिले ओह लोग के पान-मसाला, जर्दा, सुगंधित सुपारी, सुगंधित तंबाकू भा कवनो नाम से बेचात एह तरह के सामान खतम कर देबे के बा. एह तरह के सामान बनावे, पैक करे, राखे भा बेचे पर अगिला आदेश ले रोक लगा दीहल गइल बा.
  • यूपी के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव राज्य के गँवई इलाका में पाइप से पानी उपलब्ध करावे खातिर चलावल जात तीन हजार सात सौ करोड़ रूपिा के योजना खातिर केन्द्र सरकार से डेढ़ हजार करोड़ रुपिया मँगले बाड़न.
  • उर्दू के बढ़ावे खातिर यूपी सरकार के आदेश से अगिला साल से बोर्ड परीक्षा के प्रश्न पत्र उर्दूओ में मिलल करी. राज्य के हर सरकारी स्कूल के कम से कम एगो उर्दू अखबार खरीदे के आदेशो दीहल गइल बा.

 352 total views,  5 views today

%d bloggers like this: