Go to ...
RSS Feed

खबर भोजपुरी में (सोमार, 11 मई 2015)


  • अतवार का दिने अयोध्या चहुँपल केन्द्रीय गृहमंत्री राजनाथ सिंह श्रीराम जन्मभूमि मंदिर आ हनुमानगढ़ी के दर्शन कइलन आ कहलन कि राम मन्दिर बनवाए खातिर तइयार होखला का बावजूद भाजपा का लगे राज्यसभा में बहुमत ना रहला का चलते कानून बनावल संभव नइखे. ई पूछला पर कि राज्यसभा में बहुमत मिलला का बाद का होखी त कहलन कि ई सवाल काल्पनिक बा एहसे एह बारे में कुछऊ बोलल बेजांय होखी. कहलन कि एह बारे में सुप्रीम कोर्ट के फैसला आवे के इंतजार करे के चाहीं. राजनाथ सिंह अयोध्या के दीनबन्धु नेत्र चिकित्सालय के वाह्य रोगी विभाग आ चिकित्सक आवास खातिर भवन बनावे ला भूमि पूजनो कइलन.
  • बने का पहिलही बिखरे का कगार पर लउके लागल बा जनता परिवार के नयका संस्करण. अतवार का दिने सपा नेता राम गोपाल यादव साफ कह दिहलन कि अबहीं विलय के मतलब एके बा सपा के बरबादी. कहलन कि बिहार के चुनाव कपारे पर बा. पहिले ओहिजा सीट का बारे में सहमति बना के लालू प्रसाद आ नीतीश कुमार लड़ लेस. चुनाव का पहिले विलय के बात करी लोग त दुनू जने के चुनाव चिह्न छीना जाई आ जनता में बेमतलब के भरम पैदा हो जाई. विलय का बाद सपा के साइकिलो छीना जाए के डर बा आ एही सब तकनीकि कारण से जनता परिवार के विलय के बात फेरू रुक जाए के पूरा अनेसा बन गइल बा. असल बात ई बा कि सपा के बहुते नेता लोग नइखे चाहत कि बिहारी नेतवन का फेर में आपन गरदन फँसा लेव लोग. लालू आ नीतीश कव दिन ले साथ चल पइहें केहु ना बता सके. एह हाल में सपा आपन बरबादी काहे करो जब ओकरा एह विलय से कवनो फायदो नइखे होखे वाला.
  • पश्चिम बंगाल के बर्नपुर में आधुनिक इस्‍को इस्‍पात संयंत्र के उदघाटन करत प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी कहलन कि केंद्र आ राज्‍य सरकारन का बीच मतभेद हो सकेला बाकिर देश के विकास के बात आवे त ओहमें कवनो मतभेद ना होखे के चाहीं. कहलन कि केन्द्र आ राज्य सरकारन के मिल के टीम इंडिया के भाव संगे काम करे के जरूरत बा. एह मौका पर मुख्‍यमंत्री ममता बनर्जी ओ मौजूद रहली आ कहली कि विकास आ लोगन के जिनिगी सँवारे ला केंद्र आ राज्य के मिल जुल के काम करे पड़ी.
  • संसद के सत्र चलत होखला का बावजूद छप्पन दिन के अज्ञातवास करेवाला राहुल का लगे बिहार आवे के समय नइखे भेंटात काहे कि अबहीं संसद के सत्र चलत बा. बहुत जल्दी भइल त अगिला महीना ले बिहार खातिर समय निकाल पइहें आ अप्रैल में भूकंप के शिकार भइल परिवारन से मुलाकार करे जा सकेलें.
  • पाकिस्तान में हेलीकॉप्टर गिरावे के जिम्मेदारी लेत इस्लामी आतंकी संगठन तालिबान एगो वीडियो जारी क के पाकिस्तान के धमकवले बा कि अइसन हमला ऊ सब अल्लाह के मेहरबानी से आगहुं करत रहीहें. तालिबान के एह हमला में दू गो राजदूतन समेत सात लोग के जान चल गइल रहुवे. पाकिस्तान सरकार बात दबावे खातिर ओकरा के हादसा बतावत बिया.
  • अपना सरकार के पहिलका साल पूरा होखे का मौका पर विरोधियन के लगातार हमला का बावजूद छप्पन ईंच के छाती वाला नरेन्द्र मोदी पर कवनो असर नइखे लउकत. उनकर कहना बा कि ऊ ढेला के जबाब ईंटा से देबे पर विश्वास ना करस. उनकर कहना बा कि देश के विकास का दिसाईं लगातार आगे बढ़त देख कुछ विरोधी गोल छटपटात बाड़े बाकिर आवे वाला बरीसन में देश के बढ़न्ती देख के सभे मान ली कि उनकर सरकार देश खातिर काम करे वाली सरकार हीय.
  • यूपी के भदोही जिला में एगो रेल क्रासिंग पर अतवार का सबेरे एगो कार के दिल्ली से वाराणसी जात स्वतंत्रता सेनानी एक्सप्रेस टक्कर मार दिहलसि जवना से कार पर सवार चार लोग के घाँवे पर मौत हो गइल. सभे गोपीगंज इलाका के चकराजाराम तिवारीपुर गांव के रहलें. ट्रेन के इंजनो के नुकसान चहुँपल आ ज्ञानपुर रोड टीसन पर ओकरा के बदल के दोसर इंजन लगाके ट्रेन के आगा भेजल गइल.
  • शेयर बाजार में आइल बड़हन गिरावट का पाछे विदेशी निवेशकन के चिंता बतावल जात बा. उनुका लागत बा कि एहिजा के कमाई पर टैक्स देबे के पड़ जाई. एही चलते नाहियो त बारह हजार करोड़ के बिकवाली कइले बाड़े विदेशी निवेशक एह महीना ले.
  • नौ के लकड़ी नब्बे खरच. एक रुपिया के नोट छापे में खरचा एक रूपिया से बेसी भइला का चलते सरकार एक रुपिया के नोटे छापल बंद करा दिहले रहुवे. बाकिर अब फेरू हर साल 15 करोड़ नोट एक रुपिया के छापे के फैसला कइले बिया.
  • अब्राहम डिविलियर्स के बनावल 133 रन के धमाकेदार पारी का बदौलत रॉयल चैलेंजर्स बैंगलोर अतवार का दिने वानखेड़े स्टेडियम में करावल मैच में मुंबई इंडियंस के 39 रन से हरा दिहलसि. एह हार का साथही लगातार पाँच मैच जीतत आइल मुंबई इंडियंस के जीत के लाईन टूट गइल. दोसर मैच में चेन्नई सुपर किंग्स चेन्नई में भइल मैच में राजस्थान रॉयल्स के हरा दिहलसि. एकरा साथही चेन्नई सुपर किंग्स अंक तालिका में फेरू सबसे माथ पर आ गइल बा.
  • मुंबई पर पाकिस्तान से आइल इस्लामी आतंकियन का हमला में शामिल सरगना के मिलल पाकिस्तान के सरपरस्ती का बावजूद रुपिया कमाए का फेर में बीसीसीआई पाकिस्तान संगे क्रिकेट मैच खेले ला तइयार हो गइल लागत बिया. पाकिस्तान क्रिकेट बोर्ड के प्रमुख शहरयार खान कहलन कि उनकर देश दिसंबर का महीना में यूएई में सीरीज के मेजबानी करे ला तइयार बावे, उहो जानत बाड़े कि मौजूदा माहौल में कवनो देश पाकिस्तान जा के खेले ला तइयार नइखे होखे वाला.
  • शहीद भगत सिंह के अपराधी बतावे वाला गाँधी के परनाती तुषार गाँधी पर जालंधर में मुकदमा दर्ज करावल गइल बा. मोहनदास करमचंद गाँधी के परनाती तुषार के कहना बा कि भगत सिंह अपराधी रहलन आ एही से मोहनदास गाँधी उनुका खिलाफ रहलन.
  • उड़ीसा के कटक में 13 मई होखे जात अंडर-14 बालिका वर्ग के राष्ट्रीय फुटबॉल प्रतियोगिता में बिहार के छपरा जिला के परसा से दू गो लड़िकियन के शामिल कइल गइल बा. परसा के विशुनपुर निवासी राजेश्वर राय के बेटी प्रिया कुमारी आ दारोगा राय के बेटी प्रियंका कुमारी परसा हाई स्कूल के दसवीं में पढ़ेली आ एह लोग के बिहार के टीम ला चुन लिहल गइल बा.
  • बिहार के बेगूसराय, रोहतास आ बक्सर जिल‌न में अलग अलग घटना में आठ गो लड़िकन के डूब के मर गइला के खबर आइल बा. ओने यूपी के कैबिनेट मंत्री शाहिद मंजूर के बेटी के उत्तराखंड में रिषिकेश का लगे लक्ष्मणझूला इलाका में गंगा नदी में डूब गइला के खबर बा. ऊ अपना सहेलियन संगे नहाए गइल रही.
  • भोजपुर के कोइलवर में एगो बेकाबू ट्रक से कचरा के मोटरसाइकिल से जात दू गो नवहियन के मौत हो गइल.
  • बिहार विद्यालय परीक्षा समिति के इंटर विज्ञान के परीक्षाफल 15 मई के आ कला अउर वाणिज्य संकाय के परीक्षाफल 22 मई के निकालल जाई. जून ले मैट्रिको के रिजल्ट दे देबे के तइयारी चलत बा.
  • यूपी के स्वास्थ्य राज्यमंत्री नितिन अग्रवाल अतवार का दिने बलिया जिला अस्पताल के नया भवन के उद्घाटन कइलन जवना में इमरजेंसी आ पोस्टमार्टम हाउस के काम होखी. एह मौका पर कैबिनेट मंत्री अम्बिका चौधरी आ नारद राय समेत अनेके लोग मौजूद रहल.
  • गर्मी के मौसम में होखे वाला भारी भीड़ देखत गोरखपुर आ दिल्ली के आनन्द विहार टीसन का बीच प्रीमियम साप्ताहिक विशेष रेलगाड़ी अउर छपरा आ दिल्ली के बीच जन साधारण साप्ताहिक विशेष रेलगाड़ी चलावल चलावल जाई.
  • एह साल उमेद बा कि मॉनसून समय पर आ जाई आ पहली जुन के केरल का किनार पर चहुँपे के पूरा उमेद बा. एह साल 93 फीसदी बरखा होखे के उमेद जतवले बावे मौसम विभाग.

Tags: , , , , , , , ,

More Stories From उत्तर प्रदेश

%d bloggers like this: