भोजपुरी में देश दुनिया के खबर (बुध, 13 मई 2015)

  • मंगल का दुपहरिया में एक बेर फेरू भूकंपन के दौर चलल आ साढ़े बारह बजे से दू बजे का बीच 6 गो झटका आइल. पहिला झटका बहुते जोरदार रहुवे आ बाद वाला झटका में से कुछ के पता चलल कुछ का बारे में बाद में जानकारी मिलल. एह भूकंप के केन्द्र नेपाल चीन का सीमा पर कोडारी बतावल गइल आ तीव्रता 7.3 के रहुवे. एह भूकंप से भारत में 41 लोग के जान जाए के खबर बा. सबले अधिका मौत, 34 गो, बिहार में भइल आ यूपी मेंं सात आदम के मरे के खबर बा. मौसम विभाग के अनेसा बा कि भूकंपन के दौर एक महीना ले अउरी चल सकेला.
  • करिया धन का बारे में सुप्रीम कोर्ट में सुनवाई का समय मंगल का दिने बड़का आ पुरनिया वकील रामजेठमलानी सीधे सीधे मोदी, अमित शाह, आ अरुण जेटली पर हमला करत कहलन कि एह लोग के मनसे नइखे करिया धन वापिस ले आवे के. आ एह हमला में उनकर पूरजोर साथ दिहलन डा॰ सुब्रह्मण्यम स्वामी. उहो कहलन कि सरकार जरूरी आ सही कदम उठावते नइखे आ ई जनता आ अदालत का साथे धोखा बा.
  • बचपने से अपना सूटेड बूटेड घर परिवार के देखत आइल आ सगरी भ्रष्टाचार करीब से देखे वाला राहुल गाँधी के लागता कि सगरी सूटेड बूटेड लोग चोर होला. मंगल का दिने राहुल बबुआ फेरू मोदी के सूटेड बूटेड चोर से तुलना कर दिहलन. एह तरह के बयानबाजी के मर्यादा से गिरल मान के उनकर भरपूर आलोचना होखत बा. पूरा दुनिया जानत बा कि कांग्रेस के राज, जवना में सबले अधिका समय राहुले के पुरखा पुरनिया शासन चलवले, में देश के लूट के ध दिहल गइल. हर काम में जम के लूट भइल. आजु का दिने दुनिया के सबले धनी औरतन में सोनिया गाँधी के चउथा नंबर बा. आखिर ई सगरी धन कवना ईमानदार कमाई से आइल इहो त बतावसु राहुल.
  • राजनाथ सिंह के बयान, कि राज्यसभा में बहुमत ना रहला का चलते भाजपा सरकार अयोध्या में राममन्दिर के बनावे खातिर कानून नइखे बना पावत, से नाराज शंकराचार्य स्वरूपानंद सरस्वती कहलन कि सुप्रीम कोर्ट फैसला सुना देव त साधू संत बिना कवनो राजनीतिक मदद के मंदिर बना लीहें.
  • बांगला देश के मुसलमान अतिवादी एगो अउरी ब्लागर विजय दास के मंगल का सबेरे सिलहट शहर में छूरा घोंप के मार दिहलन स. एह तरह के ई तिसरका हत्या ह बांगला देश में. अपना घर से निकल के रिक्शा से दफ्तर जात विजय दास पर चार गो नकाबपोश अतिवादी छूरा से हमला बोल दिहले आ जान लिहला का बादे छोड़ले सँ.
  • मंगल का दिने चार गो राज्य में नया राज्यपालन के नियुक्ति कइल गइल. एहमें ओडिशा में मंत्री रहल द्रौपदी मुर्मु के झारखंड के राज्यपाल आ बीजेपी कार्यकारिणी के सदस्य तथागत राय के त्रिपुरा के राज्यपाल बनावल गइल बा. झारखंड के मौजूदा राज्यपाल सैयद अहमद के उनका बाकी बाचल कार्यकाल खातिर मणिपुर के राज्यपाल बनावल गइल बा. अरुणाचल प्रदेश के मौजूदा राज्यपाल निर्भय शर्मा के असम के मुख्य सचिव रहल जेपी राजखोआ के राज्यपाल बनावल गइल बा आ निर्भय शर्मा के मेघालय के राज्यपाल.
  • भाजपा सांसदन के बइठक संबोधित करत प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी मंगल का दिने कहलन कि अपना दस बरीस का राज में यूपीए जतना कर पवलसि ओकरा ले बेसी उनकर सरकार दस महीना में कर दिहलसि. कहलन कि जरूरी बा कि एह बाबत आम लोग के जानकारी दीहल जाव आ शान का साथे एह बात के रेघरियावे के जरूरत बा. कहलन कि कवनो गोल सरकार के विकास के काम ना रोक पाई. कहलन कि लड़ाई विपक्ष से अधिका ओह लोगन से बा जे अपना संपर्क का बल पर सत्ता के आनंद उठावेले.
  • मंगल का फजीरे सियालदह-कृष्णानगर लोकल में टीटागढ़ टीसन से बैरकपुर जाए का बीच एगो बम फाट गइल जवना से नाहियो त दू दर्जन लोग घवाहिल हो गइल. एह विस्फोट में असल आरोपी राजा दास के हाथ उड़ गइल बा.
  • उमेद से उलटा काल्हु मंगल का दिने देश के शेयर बाजार भहरा के गिर गइल. जबकि लोग उमेद लगवले रहुवे कि तेजी देखे के मिली. असल में राजनीति के खेल देखत निवेश के सही माहौल नइखे बन पावत काहे कि मुट्ठी भर कांग्रेसी सांसद लोकसभा में बहुमत वाला भाजपा सरकार के बान्ह के राख दिहले बाड़न. कवनो काम सुबहित तरीका से नइखन होखे देत ई लोग आ राज्यसभा में अपना बहुमत के बेजा इस्तेमाल करत विकास के हर काम में अड़ंगा डाले के नीति बना लिहले बा ई लोग. ना त भूमि सुधार विधेयक पारित होखे देत बा लोग ना वस्तु आ सेवा कर विधेयक आ एही दुनू विधेयक पर विकास के सगरी सपना टिकल बा. कांग्रेसियन के बढ़िया से मालूम बा कि अगर मोदी सरकार देश के विकास के काम करे में सफल हो गइल त ओह लोग के वापसी के सपनो टूट जाई.
  • मंगल का दिने भइल आईपीएल मैच में दिल्ली डेयरडेेविल्स छह विकेट से चेन्नई सुपर किंग्स के हरा दिहलसि आ अंक तालिका में सबका माथ पर बइठ गइल.
  • मंगल का दिने इलाहाबाद टीसन के साइकिल स्टैंड में कुड़ा का ढेर में लुका के राखल एगो देसी बम फाट गइल जवना से कवनो नुकसान के खबर नइखे बाकिर कूड़ा खोरत एगो कुकुर के मौत जरूर हो गइल.
  • कैमूर जिला के दुर्गावती इलाका में नेशनल हाईवे पर दरौली गांव का नियरा ट्रक से कचरा के एगो आदमी के मौत हो गइल.
  • सिवान के मैरवा इलाका के सेवतापुर गाँव में सड़क निकाले का झगड़ा का चलते गोली ले चल गइल आ एगो नवही के मौत गोली लगला से हो गइल.
  • बलिया के सुखपुरा इलाका में बसंतपुर गाँव में सोमार के अधरतिया में एगो झपड़ी में लागल आग से चार बरीस के एगो बच्ची जर के मर गइल.
  • इलाहाबाद से वाराणसी आवत घरी हाईकोर्ट के जज रह चुकल जस्टिस गिरधर मालवीय समेत चार लोग घवाहिल हो गइल जब ओह लोग के कार एगो मोटरसाइकिल वाला के बचावे का फेर में किनारे लागल फेड़ से टकरा गइल.