भोजपुरी में देश दुनिया के खबर (शुक, 15 मई 2015)

  • अबले चीन में कवनो भारतीय प्रधानमंत्री के अइसन स्वागत ना भइल रहुवे जइसन स्वागत तीन दिन के या‌त्रा पर चीन चहुँपल मोदी के भइल. प्रोटोक‌ाल तूड़ के चीन के प्रधानमंत्री ली कीचियांग बीजिंग से बहरा कवनो शहर में कवनो राष्ट्रनेता से चरचा करे चहुँपलन. भारत आ चीन का बीच एह यात्रा का दौरान अबले 24 गो समझौता पर दस्तखत हो चुकल बा आ दुनू देश का तरफ से साझा बयानो जारी भइल बा. बाकिर कुछ कुछ खरकोंचे वाला घटनो भइल जवना में भारत के गलत नक्शा देखावल शामिल बा. अरुणांचल आ जम्मू कश्मीर के भारत के नक्शा मे ना देखावल गइल. चीन के सरकारी टीवी मोदी के खबर देखावत घरी इ गलत नक्शा देखवलसि.
  • राजद मुखिया लालू प्रसाद के कहना बा कि कवनो तरह से भाजपा के बिहार में हरावे के बा आ एकरा खातिर ऊ कुछऊ कर सकेलें. कलन कि विलय के राह में आवत तकनीकि बाधा के पार क लीहल जाई. कहलन कि विधान परिषद के 24 गो सीट खातिर होखे व‌ाला चुनाव में सहमति बनावे के कोशिश होखत बा.
  • इस्लामी आतंकवादी संगठन इस्लामिक स्टेट अपना सरगना अबु बकर अल बगदादी के एगो नया वीडियो जारी कइले बा जवना में बगदादी अपना गिरोह के आतंकवादियन से सीरिया आ इराक के लड़ाई में पूरा जोर लगावे के गोहार कइले बा. वइसे खबर में इहो आवत रहेला कि बगदादी के लकवा मार दिहले बा आ ऊ अब चल फिर ना सके.
  • मीडिया पर अंकुसा लगावे खातिर जारी दिल्ली सरकार के आदेश पर सुप्रीम कोर्ट रोक लगा दिहलसि आ केजरीवाल के नोटिस जारी कइलसि कि ऊ बतावसु कि एह तरह के आदेश काहें जारी भइल. जान जाईं कि केजरीवाला खुद अपना मामिला में सुप्रीम कोर्ट में गोहार लगवले बाड़न कि उनुका पर मानहानि के मुकदमा मत चलावल जाव आ मानहानि के क्रिमिनल अपराध ना मान के सिविल अपराध का तरह सुनवाई होखे.
  • इराक से जान बचा के हिन्दुस्तान चहुँपल हरजीत मसीह के दावा बा कि रोजी-रोटी के तलाश में इराक गइल 39 गो नौजवानन के इस्लामिक स्टेट मार चुकल बा. बाकिर सरकार हरजीत के बयान माने के तइयार नइखे. सरकार के कहना बा कि ओकरा आठ गो स्रोत से पता चलल बा कि ई सगरी लोग अबहीं जिन्दा बा.
  • बाहर के देश में लुका के राखल आपन करिया कमाई के जानकारी सरकार के दे देबे खातिर एह लोगन के कुछ दिन के मौका दीहल जाई. एह बारे में एगो अधिसूचना दू तीन हफ्ता का भीतर जारी क दिहल जाई. एह कमाई पर 30 फीसदी का दर से आयकर आ 30 फीसदी जुर्माना लगावल जाई.
  • बियफे का दिने भइल आईपीएल मैच में मुंबई इंडियंस वानखेड़े स्टेडियम में कोलकाता नाइट राइडर्स के पांच रन से हरा दिहलसि आ प्लेऑफ में चहुँपे के आपन उमेद जियवले रखलसि.
  • भाजपा नेता शाहनवाज हुसेन के कहना बा कि बिहार विधानसभा के चुना खातिर मुख्यमंत्री पद के उम्मीदवार के होखी एकर फैसला सशसदीय बोर्ड में लीहल जाई. वइसे अगर टटका खबर के अनुमान से सोचल जाव त केन्द्रीय मंत्री रविशंकर प्रसाद के नेता बना के चुनाव लड़ल जा सकेला. काहें कि सुशील मोदी से नाखुश लोग के गिनिती भाजपा में बहुते बा आ अपना स्वार्थ का चलते सुशील मोदी नीतीश सरकार का समय भाजपा के भाव बिगाड़ के राख दिहले रहलन. अगर कवनो मजबूरी में भाजपा सुशील मोदी पर दांव खेले के कोशिश करी त चौखाने चित्त होखे के अनेसा बहुते बेसी होखी.
  • सुप्रीम कोर्ट नोएडा एक्‍सटेंशन में भूमि अधिग्रहण का खिलाफ जमीन बेचेवालन के याचिका खारिज कर दिहलसि. इलाहाबाद उच्‍च न्‍यायालय के ओह फैसलो के पलट दिहलसि जवना में भूमि अधिग्रहण के रद्द करे के आदेश दीहल रहुवे. असल में पहिले के समझौता से मौका देख के पलटी मारत लोग चाहत बा कि जमीन ओह लोग के वापिस दे दीहल जाव जेहसे कि ऊ लोग फेरू ओह जमीन के कई गुना दाम पर बेच सको.
  • वोडाफोन आ भारती एयरटेल समेत अनेके दूररसंचार कंंपनियन के गोहार सुप्रीम कोर्ट से खारिज हो गइल बा. ई लोग अपना बीस बरीस के लाइसेंस के दस बरीस ला बढ़वावल चाहत रहुवे आ खाली भइल स्‍पैक्‍ट्रम के नीलामी करे के केन्द्र सरकार के फैसला का खिलाफ अरजी डलले रहुवे.
  • थोक महँगाइ के दर में लगातार छढवो महीना कमी के दौर जारी बा. अप्रैल में महँगाई के दर शून्यो से 2.65 फीसदी नीचे रहुवे. कारखाना में बनल सामानो के दाम में कमी आइल बा. ईंधन आ बिजली के दाम में13 फीसदी से अधिका के गिरावट भइल बा.
  • मुबई शेयर बाजार के सेंसेक्स बियफे का दिने 45 अंक आ निफ्टी 11 अंक गिर के बंद भइल रुपिया में डालर का मुकाबले 35 पइसा के मजबूती आइल आ सोना के दाम 325 रूपिया बढ़ गइल. चांदी के दाम में एक हजार रूपिया हर किलो पर बढ़ती भइल.
  • काबुल के होटल पर भइल आतंकी हमला में भारत के चार गो लोग के जान गइल रहे. एह लोग के लाश देश ले आवे के प्रक्रिया शुरु क दीहल बा. बतावल जात बा कि निशाना पर भारत के राजदूत रहलन आ संजोग से ऊ मौका पर ना रहलन.
  • एह साल मानसून दू दिन पहिलहीं 30 मई के केरल का तट पर चहुँपे वाला बा. अडमान के इलाका में मानसून चहुँपे के बात तीन चार दिन के भितरे बतावल जात बा.
  • भारत के तेजस्विनी सागर विश्व स्कूल शतरंज चैंपियनशिप के अंडर-15 वर्ग में स्वर्ण पदक श्रीलंका कर काविन्या मियुनी राजपक्षे के हरा के जीत लिहली. सानिया मिर्जा आ मार्टिन हिंगिस के माथ जोड़ी रोम मास्‍टर्स टेनिस के सेमीफाइनल में पहुंच गइल बा. पुरूष वर्ग में रोहन बोपन्ना आ फ्लोरिन मर्जिया प्रीक्‍वार्टर फाइनल्‍स में हार गइले.
  • बिहार के शिक्षा मंत्री प्रशांत कुमार शाही के कहना बा कि नियोजित शिक्षकन खातिर पहिला जुलाई से नया सेवा शर्त लागू हो जाई आ ओकरा बाद से कवनो तरह के भेदभाव के शिकायत ना रह जाई.
  • मेडिकल काउंसिल ऑफ इंडिया का तरफ से बेतिया आ पावापुरी मेडिकल कॉलेज में एह साल नया दाखिला लेबे पर रोक लगा दीहल गइल बा. मुजफ्फरपुर, भागलपुर आ गया के मेडिकल कॉलेजन में सीट बढ़ावे के मंजूरी नइखे मिलल.
  • गरमी के भीड़ से निपटे खातिर रेलवे का तरफ से पटना आ मुंबई का बीच सुपरफास्ट प्रीमियम स्पेशल चलावे के एलान भइल बा. ई रेल गाड़ी हर मंगल का दिने छत्रपति शिवाजी टर्मिनस से आ बुध का दिने पटना से खुलल करी.
  • अल्पसंख्यकों में पारम्परिक कला आ हस्तकला के बढ़ावा देबे खातिर केन्द्र सरकार का तरफ से ‘उस्ताद’ नाम के एगो नया योजना के शुरुआत केन्द्रीय अल्पसंख्यक कल्याण मंत्री नजमा हेपतुल्ला बियफे का दिने वाराणसी में कइली.
  • यूपी के पावर कार्पोरेशन का तरफ से बिजली दर बढ़ावे के आदेश वापिस ले लीहल गइल बा. तीन फेज के कनेक्शन लेबे वाला लोग के बिल में 15 फीसदी के बढ़ोतरी कइल गइल रहुवे.