- अलगाववादी नमकहराम देशविरोधी कश्मीरियन के गिरोह हुर्रियत कांफ्रेस बुध का दिने फेरू अपना रैली में पाकिस्तान के झंडा लहरवलसि आ पाकिस्तान समर्थक नारा लगवलसि. आजु श्रीनगर में सुरक्षा व्यवस्था कड़ा कर दीहल गइल बा. ओने कट्टरपंथी हुर्रियत नेता सैयद अली शाह गिलानी के पासपोर्ट का मुद्दा पर मुफ्ती महबूबा के कहना बा कि एह पर राजनीति ना होखे के चाहीं आ गिलानी के पासपोर्ट जारी क देबे के चाहीं. जबकि असल में राजनीति खुद गिलानी करत बाड़े जे अपना के हिन्दुस्तानी नागरिक मानत पासपोर्ट खातिर आवेदन नइखन कइल चाहत. उनुकर मनसा बा कि बिना अपना के हिन्दुस्तान के नागरिक बतवले पासपोर्ट मिल जाव जइसे कि पिछला कांग्रेसी सरकारन में मिल जात रहुवे.
- बिहार विद्यालय परीक्षा समिति अपना इंटर साइंस परीक्षा के नतीजा आजु जारी क दिहलसि जवना में करीब 89 फीसदी परीक्षार्थी पास हो गइल बाड़े. एहमें लड़िकियन के सफलता दर लड़िकन से बेसी बा. टाॅप पर समस्तीपुर के विकास कुमार, दुसरा जगहा पर यशस्वी कश्यप आ तिसरका जगहा पर विश्वजीत कुमार के नाम बा.
- गूगल आ ट्विटर का बीच साल 2011 में खतम हो गइल समझौता फेरू से हो गइल गइल बा. अब कवनो खोज कइला पर ओहसे जुड़ल ट्विटो नजर आइल करी. फेसबुक का साथे अइसन समझौता पहिले से बा.
- अमेरिका में जारी भइल दस्तावेजन से पता चलत बा कि इस्लामी आतंकवादी ओसामा बिन लादेेन के पोर्नोग्राफिओ के शौक रहुवे. ओकरा लगे से पोर्न वाली किताब आ अउरी सामग्री मिलल रहुवे बाकिर ओह सामग्रियन के जारी नइखे कइले अमेरिका.
- अपना हाल के चीन यात्रा में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी भारत आ चीन के बीच के हर मसला के बेबाकी से उठावत साफ क दिहलन कि अगर संबंध बढ़िया बनावे के बा त कोशिश दुनू ओर से होखे के चाहीं आ चीन के आपन कुछ जिद्द छोड़ देबे के चाहीं आ मिल जुल के हर विवाद के समाधान निकाले के चाहीं. अतना बेबाकी से भारत के राय कबो चीन का सोझा ना राखल गइल रहल अबले.
- केन्द्र सरकार दिल्ली के केजरीवाल सरकार के साफ निर्देश दे सकेले कि दिल्ली में संविधान के प्रावधान का हिसाब से सरकार चलावल जाव. काल्हु एह बारे में राष्ट्रपति से मिलला का बाद केन्द्रीय गृह मंत्री राजनाथ सिंह के कहना रहल कि एह विवाद में केन्द्र सरकार के दखल दिहला के जरूरत नइखे आ दुनू फरीक मिल जुल के मामिला सलटा लेसु. कहलन कि एह बारे में राष्ट्रपति से उनकर कवनो चरचा ना भइल. एह बीच दिल्ली के उपराज्यपाल नजीब जंग हाल में दिल्ली सरकार के कइल सगरी बहाली आ तबादला रद्द क दिहले बाड़न. दिल्ली भाजपा के कहना बा कि केजरीवाल बेमतलब के सवाल उठा उठा के मीडिया के सुर्खियन में बनल रहल चाहेलें काहें कि प्रचार बिना उनका चैन ना मिले. ओने दिल्ली उच्च न्यायालय आआपा से पूछले बिया कि दिल्ली के 21 गो विधायकन के संसदीय सचिव बहाल करे पर ओकर राय का बा. दिल्ली सरकारो से आपना नजरिया दाखिल करे के कहल गइल बा.
- छत्तीसगढ़ के मुख्यमंत्री रमन सिंह आ राजद अध्यक्ष लालू प्रसाद से एनएसजी सुरक्षा कवच हटा लीहल गइल बा आ अब एह लोग के सुरक्षा सीआरपीएफ का लगे रही. एह लोग के मिले वाला जेड प्लस सुरक्षा अबहियों जारी राखल गइल बा. एह काम ला साठ साठ गो कमांडो आ करीब आधा दर्जन वाहन एह लोग के सेवा में अबहियों हाजिर रहल करी.
- बिहार में पिछला 15 मई से बेमियादी हड़ताल करत होमगार्डन का चलते बिहार के चक्का जाम आंदोलन से आइल गइल बहुते दुश्वार हो गइल. बिहार सरकार एह लोग के बात माने के तइयार नइखे अबहीं. असल में जब जब विधानसभा चुनाव सामने आवेला तब तब कर्मचारियन के संगठन आपन आपन माँग ले के सरकार पर दबाव बनावल शुरु क देलें आ देर सबेर राजनीतिक फायदा उठावे के सपना देखत सरकार एह माँगन के मानिओ लेबेली सँ.
- यूपी के पुलिस बहाली खातिर लिखित परीक्षा हटा दीहल जा सकेला. एह बात के इशारा मुख्यमंत्री अखिलेश यादव खुदे दिहले बाड़न. प्रदेश में चालीस हजार पुलिस सिपाहियन के बहाली के प्रक्रिया चल रहल बा.
- बुध का दिने मुंबई शेयर बाजार में तेजी के रुख देखे के मिलल आ सेंसेक्स 192 अंक के छलांग लगा के 27837 पर आ निफ्टी 58 अंक बढके 8423 पर बंद भइल. हालांकि बुध का दिने रुपिया में कमजोरी आइल. सोना आ चांदियो के दाम में गिरावट देखे के मिलल.
279 total views, 5 views today