web analytics

छपरा न्यूज – 22 मई 2015

  • सिवान जिला के दू गो सहोदर भाईयन के अपहरण आ मुआ देबे के मामिला में बियफे का दिने अदालत में दाखिल अपना बयान में बीएसएनएल बतवलसि कि जवना फोन से जेल से धमकी दीहल गइल ओह फोन के सिम राजद नेता आ सिवान के सांसद रह चुकल मो॰ शहाबुद्दीन के नाम वाला रहुवे.
  • बिहार विधानसभा चुनाव से पहिले जदयू आ राजद के विलय हो जाए के पूरा उमेद नीतीश कुमार के बावे. एह बीच विधान परिषद चुनाव के टिकट के झगड़ा में जदयू अपना कोटा के चार गो सीट – गया, रोहतास, ओरंगाबाद, आ आरा – पर राजद के समर्थन देबे के समझौता क लिहलसि. लालू यादव, नीतीश कुमार आ वशिष्ठ नारायण सिंह विलय पर चरचा खातिर बियफे का दिने दिल्ली रवाना हो गइलें. एह बीच लालू फेरू कहलन कि उनकर भरपूर कोशिश रही कि जीतन राम माँझी जनता परिवार में शामिल हो जासु.
  • बिहार शरीफ के नालन्दा काॅलेज कैम्पस में बियफे का सबेर में एगो सिपाही अभ्यर्थी के मौत पियास से हो गइला का बाद खिसियाइल लोग जम के बवाल काटल. कोचिंग संस्थान के जबरिया बंद करा दीहल लोग आ सड़क पर चलत गाड़ियन के सीसा फोड़ दीहल लोग. बाद में पुलिस लाठी भाँज के भीड़ के काबू में कइलसि.
  • छपरा नगर परिषद के बइठक में पार्षद तब नाराज हो गइलें जब देखलें कि पिछला बइठक के कार्यवाही में फेर बदल क के दोसरा तरह के कार्यवाही बना लीहल गइल बा. बवाल बढ़त देख पुलिसो चहुँप गइल बाकिर पिछला काटकूट में बदलाव क के मामिला सलटा लीहल गइल.
  • बियफे का दिने छपरा जंक्शन पर बेटिकट सवारियन के धरपकड़ के मजगर अभियान चला के नाहियो त एक हजार लोग के बिना टिकट ध लीहल गइल आ ओह लोग से जुर्माना में तीन लाख रुपिया वसूलल गइल. एह काम में छपरा, वाराणसी, मऊ, आ गोरखोपुर के टिकट परीक्षकन के लगावल गइल रहुवे. ओने सोनपुर में मौर्य एक्सप्रेस के जनाना डिब्बा में सफर करत दस जने के रेल पुलिस ध लिहलसि.
  • तरैया इलाका के डेवढ़ी गाँव में साँप के कटला से एगो औरत के मौत हो गइल. मढ़ौरा में एगो बोलेरो से कचरइला का चलते दामोदरपुर गाँव के एगो बूढ़ के मौत सदर अस्पताल में हो गइल. अमनौर के झखड़ा बिरित गाँव का लगे एगो अधेड़ के लाश चँवरा में फेंकल मिलल. अनेसा बा कि बदमाश ओकर हत्या पीट पीट के क दिहलें आ लाश फेंक के चल गइले.
  • माँझी के बरेजा गाँव के आकांक्षा मिश्र ताइवान में चलत आइवा वीमेंस जूनियर मुक्केबाजी के क्वार्टर फाइनल ले चहुँप गइल बाड़ी.
  • छपरा के जेपी विश्वविद्यालय के उत्तरपुस्तिका खरीद घोटाला के चारो आरोपियन के जमानत के अरजी मुजफ्फरपुर के निगरानी कोर्ट बियफे का दिने खारिज क दिहलसि. एह बीच अब एगो नया घोटाला सामने आइल बा जवना में कुलपति आपन तनखाह अनुमति से अधिका उठवले बाड़न. सरकारी आवास में रहला का बावजूद हर महीना 26 हजार रुपिया के आवास भत्तो लेबेेलें.
  • विदेश में नौकरी दिआवे का नाम पर देश के नवहियन के फँसा बझा के भेज दीहल जाला आ ओहिजा गइला का बाद एह लोग के तरह तरह के परेशानी झेले पड़ेला. एही तरह के एगो मामिला सामने आइल बा जवना में मलेशिया गइल सौ गो से बेसी नवहियन के तरह तरह के यातना झेले के पड़त बा. एह में छपरा जिला के एकमा प्रखंड के मुबारकोपुर के एगो नवही शामिल बा जवना से फीटर के काम का जगहा घास काटे आ शौचालय साफ करावे के काम करावल जात बा.

 432 total views,  2 views today

%d bloggers like this: