web analytics

बलिया न्यूज – 22 मई 2015

  • अपना के एनडी तिवारी के बेटा साबित करा देखावे वाला रोहित शेखर तिवारी के यूपी सरकार अपना परिवहन विभाग के सलाहकार बहाल क लिहले बिया. ई बहाली करवा के मुलायम सिंह यादव एनडी तिवारी से अपना दोस्ती के अगिला पीढ़ी ले बढ़वा दिहलन.
  • उग्रवादियन के गिरफ्त में साल भर से पड़ल अपना मरदन के रिहाई करवावे खातिर सरकार पर दबाव बनावे खातिर बलिया आ बक्सर से आइल करीब दू दर्जन औरतन के वाराणसी में गिरफ्तार क लीहल गइल. एह लोग के कहना बा कि मेघालय में पिछला साल भर से उग्रवादियन के कब्जा से एह लोग के छोड़ावल नइखे गइल. बाद में पुलिस सभके निजी जमानत पर रिहा क दिहलसि.
  • बलिया के सुरेमनपुर टीसन पर चेन खींच के लखनऊ से छपरा जात एक्सप्रेस ट्रेन के रोकवा के उतरल नौ जने के रेल पुलिस दबोच लिहलसि. एहमें एगो आदमी सीआरपीएफ के जवान हवे. रेल पुलिस पहिलही से ट्रेन में सवार हो के आवत रहुवे आ जब ई लोग चेन खींच के उतरल त ध लिहलसि. एहमें कुछ औरतो शामिल रहली. बलिया से बकुल्हा का बीच करीब नौ जगहा पर ट्रेन रोक के उतरे के आदत लागल बा लोगन के आ एकरा खातिर कड़ा कार्रवाई कइला के जरूरतो बा.
  • इलाहाबाद हाई कोर्ट यूपी सरकार से पुछले बिया कि डा॰ अनिल यादव के यूपी लोकसेवा आयोग के अध्यक्ष कइसे बना दीहल गइल. एह बारे में सगरी पत्रावली अदालत मँगवले बिया.
  • यूपी के श्रममंत्री शाहिद मंजूर के बेटी के लाश आखिरकार बियफे का दिने मिल गइल. बारह दिन पहिले ऋषिकेश बैराज का लगे नहाए का दौरान ऊ डूब गइल रही आ लाख खोजला का बादो लाश के पता ना लागत रहुवे. लाश के पहचान हो गइल बा.
  • बलिया से सटले यारपुर बेदुआ दियरा में आग लगला से आधा दर्जन मँड़ई राख हो गइली सँ आ अनेके परिवार बेघरबार के हो गइल. आग कैलाश यादव के घर से शुरू भइल आ देखते देखते अगल बगल के घरो के अपना लहोक में शामिल क लिहलसि. कैलाश यादव के घर में तोसक में राखल लाखो रुपिया एह आग से जर गइल. कुछ दिन पहिले जमीन बेच के ई रुपिया मिलल रहुवे जवना के घरे में लुका के राख दिहले रहले.
  • गाजीपुर के शेखपुरा इलाका में एगो बोलेरो बाराते में घुस गइल जवना से कनिया के बाप समेत पाँच जने के मौत हो गइल. बोलेरो गाड़ी जमानिया तिराहा का ओर से आइल रहुवे आ एक आदमी के धक्का मरला का बाद बेकाबू होखत बाराते में घुस गइल.
  • आजमगढ़ के काँखभार का नियरा एगो ट्रक से कचरा के गोरखपुर के परसिया तिवारी तिड़हनी गाँव से आइल चाचा भतीजा के मौत हो गइल. ई लोग अपना हितई में बिआह में शामिल होखे आइल रहुवे.
  • पूर्वांचल विश्वविद्यालय जौनपुर में नवाचार केन्द्र खोले के फैसला भइल बा. देश के 13 गो विश्वविद्यालयन में एह तरह के केन्द्र खोलल जात बा. एह केन्द्र में विद्यार्थियन के रोजगारपरक शिक्षा दीहल जाई.

 367 total views,  5 views today

%d bloggers like this: