- लालू आ नीतीश के आपसी आगपाछ का फेर में जनता परिवार के विलय के मसला पर चरचा करे ला दिल्ली में बोलावल बइठक बेनतीजा रह गइल. एह बइठक में नीतीश अइबो ना कइलन. ओने जदयू नेता केसी त्यागी के बयान का बाद सपो महटियावे लागल बिया विलय के मुद्द. त्यागी के कहना रहे कि विलय का बाद सगरी दल मिल के नयका अध्यक्ष के चुनाव करीहें. एही पर सपा के लोग बिदक गइल बा. ऊ लोग पहिलहीं से एह विलय के खिलाफ रहुवे आ अब जब मुलायम सिंह यादव के अध्यक्षतो पर सवाल उठे लागल त ओह लोग के नाराजगी स्वाभाविक बा.
- आरा के उदवंत नगर में जीरो माइल का लगे एगो नवही के मौत ट्रक से कचरइला का चलते हो गइला का बाद खिसियाइल लोग जम के बवाल काटल. आरा सासाराम आ आरा मोहनिया रोड के घंटन जाम क के हादसा करे वाली ट्रक के आग लगा दीहल लोग. बाद में लाठी भाँज के पुलिस हालात काबू में कइलसि.
- पटना हाई कोर्ट के खंडपीठ के आदेश का बाद अब मोबाइल खरीदला के तुरते बाद एक्टिवट करावल संभव ना हो पाई. अदालत के आदेश बा कि पहिले पहिचान आ पता साबित हो जाव तबहिए मोबाईल चालू कइल जाव. आए दिन गलत नाप पता से सिम ले के तरह तरह के अपराध करे के खबर आवत रहऽता. एह चलते अदालत के आदेश एह पर काबू पावे में सफल होखी.
- छपरा जिला के एकमा इलाका के सफरी गाँव में एगो नया बिआहल औरत फाँसी लगा के लटक गइल त ओकरा नइहर के लोग ओकरा मरद आ सास पर खुदकुशी करे ला उकसावे के मुकदमा करा के गिरफ्तार करा दीहले. कहल लोग कि बिआह का बादे से हमेसा मार पीट करत रहुवे लोग.
- गोपालगंज के कुचायकोट इलाका के पकड़ी तुरपट्टी गाँव में मामा के झगड़ा छोड़ावे चहुँपल भगीना के गरदन दबा के मार देबे के आरोपल लगावल गइल बा जबकि पुलिस के कहना बा कि ओकरा साथे मारपीट त भइल रहे बाकिर ओकर मौत साँँप के कटला से भइल बा.
353 total views, 5 views today