web analytics

भोजपुरी में देश दुनिया के खबर (शनिचर, 23 मई 2015)

  • केन्द्र सरकार के एक साल के हासिल बतावत केन्द्रीय वित्‍तमंत्री अरूण जेटली काल्हु कहलन कि देश में भ्रष्‍टाचार मुक्‍त प्रशासन दीहल एनडीए सरकार के सबले बड़हन हासिल बावे. देश के संघीय ढाँचा के मजगर बनावल गइल. नीति आयोग बना के ओहमें मुख्यमंत्रियन के खास भूमिका बनावल गइल जेहसे कि केन्द्रीय प्रशासन में राज्यन के जिम्मेदारी बढ़ल बा. कहलन कि हर काम में अड़ंगा डाले के नीति से विपक्ष के हटे के चाहीं आ वस्तु सेवा कर अउर भूमि अधिग्रहण विधेयक पास करावे में सहयोग करे के चाहीं. काहे कि पिछला कानून किसान हित के खिलाफ नजर आइल बा. कहलन कि सरकार के फैसला लेबे के रफ्तार बढ़ल बा आ फैसला जल्दी ले लीहल जात बा जवन विकास खातिर बहुते सहायक बा. देश के आम गरीब जनता के बीमा योजना से जोड़ल गइल बा आ अब गरीब से गरीब आदमी के दू लाख के दुर्घटना बीमा दीहल गइल बा.
  • अन्ना डीएमके पार्टी के मुखिया जयललिता के आजु शनिचर का दिने तमिलनाडु के मुख्यमंत्री के किरिया धरावल जाई. कार्यक्रम सबेरे 11 बजे राखल गइल बा. उनुका साथे 28 गो अउरी मंत्रियो किरिया लीहें.
  • दिल्ली सरकार के विवाद पर वित्‍तमंत्री अरूण जेटली कहलन कि दिल्‍ली केन्‍द्रशासित प्रदेश ह आ एकर प्रशासन केन्‍द्र सरकार चलावेले. एह बारे में कवनो गलतफहमी ना रहे एह खातिर अधिसूचना जारी क के उपराज्यपाल के शक्ति के रेघरियावल गइल बा. कुछ सरकार दिल्ली के चुनल सरकारो का लगे बा जवना के साफ साफ बतावल गइल बा संविधान में. बाकिर सत्ता मद में चूर अरविंद केजरीवाल एह अधिसूचना खातिर केन्द्र सरकार के आलोचना कइले बाड़न. केजरीवाल के चाह बा कि सगरी अधिकार उनुके लगे रहो जेहमें केहु दखल ना देव.
  • दिल्ली में मनावल गइल महान कवि रामधारी सिंह दिनकर के दू गो कालजयी कृतियन – ‘संस्कृति के चार अध्याय’ आ ‘परशुराम की प्रतीक्षा’ – के स्‍वर्ण जयन्‍ती समारोह में पीएम मोदी फेरू रेघरियवलें कि जबले देश के पुरवारा हिस्सा के विाकस ना होखी तब ले देशो आगे ना बढ़ पाई. एहमें बिहार, असम, बंगाल आ पूर्वाचल के इलाको शामिल बाड़ी सँ.
  • बंबई शेयर बाजार के सूचकांक शुक का दिने 148 अंक बढके आ निफ्टी 38 अंक बढके बंद भइल. डालर का मुकाबले रुपिया में 12 पइसा के तेजी आइल. सोना आ चांदी के दामों में मामूली गिरावट आइल.
  • आई.पी.एल. के मैच में चेन्नई सुपर किंग्स रॉयल चैलेन्जर्स बंगलौर के तीन विकेट से हरा दिहलसि आ अब छठवां बेर आईपीएल के फाइनल खेली जहाँ अतवार का दिने ओकर मुकाबला मुम्बई इंडियन्स का साथे होखी.
  • भारतीय वेटलिफ्टिंग महासंघ ओह वेटलिफ्टरन के कोच लोग पर दू साल के प्रतिबंध लगा दिहलसि जवना लोग पर दवाई लेबे के दोष साबित हो गइल बा.साथही चार गो राज्यन – दिल्ली, पंजाब, हरियाणा, अउर मणिपुर – के संघों पर एक साल के प्रतिबंध लगावल गइल बा.
  • कोयला घोटाला के सुनवाई करत विशेष अदालत में पिछला सरकार के कोयला राज्यमंत्री दसारी नारायण राव मनमोहन सिंह के नाम घसीटत कहलन कि फैसला पीएम के कार्यालय से भइल रहुवे. ओह समय मनमोहन सिंह का लगे कोयला मंत्रालयो रहुवे. आपन जमानत के अनुरोध करत कहलन कि सगरी फैसला मनमोहन सिंह कइलन आ दसारी नारायण राव के एह में कवनो दखल ना रहुवे.
  • सिविल सेवा परीक्षा खातिर फार्म भरे के काम आज शनिचर से शुरू हो गइल. आवेदन ऑनलाइन लीहल शुरु हो गइल बा. अबकी पद के कुल संख्या में कमी भइल बा. आवेदन करे के आखिरी तारीख 19 जून राखल गइल बा.

 372 total views,  5 views today

%d bloggers like this: