web analytics

बिहार आ छपरा न्यूज 24 मई 2015

  • एह साल के आखिर में होखे वाला चुनाव के मद्दे नजर जनता परिवार के समेटे के कोशिश में पेंच फँस गइल बा. लालू नइखन चाहत कि जदयू का संगे र‌ाजद के विलय होखो. उनकर मनसा बा कि सगरी भाजपा विरोधी दल मिल के एगो महागठबन्हन बनावसु आ भाजपा के बिहार में रोक लीहल जाव.
  • दोसरा तरफ केन्द्र में मोदी सरकार के एक साल के हासिल गिनावत बतावत भाजपा के अगिला निशाना बिहार पर बावे आ ओकर पूरा कोशिश बा कि बिहारो में एनडीए सरकार बना लीहल जाव.
  • बिहार बोर्ड के इंटर वाणिज्य के परीक्षा परिणाम छब्बीस मई के बतावल जाई आ आर्ट्स के परिणाम 30 मई के.
  • रोहतास जिला के सासाराम मॉडल थाना इलाका में शनिचर का दिने एगो घर पर छापा मार के डेढ़ हजार डेटोनेटर बरामद कइलसि पुलिस. बतावल जात बा कि नक्लसियन के चहुँपावे खातिर एकरा के बटोर के राखल बतावल जात बा.
  • बक्सर जिला में शनिचर का दिने अलग-अलग घटना में एगो औरत समेत तीन लोग के मौत हो गइल.
  • केन्द्र के क्लीनिकल कानून के हिसाब से बनल प्राधिकार में नौकरशाह के अधीनता सकारे का खिलाफ बिहार के आइएमए का तरफ से अतवार का दिने पटना में रैली निकालल जाई. एह लोग के विरोध बिहार में लागू क्लनिकि एक्टो से बा आ ओकरा के वापस लेबे के मांगो करी लोग.
  • ममहर में एगो शादी समारोह से लवटत घरी हसनपुरवा के दू गो चचेरा भाईयन के मौत मढ़ौरा ढाला का लगे सामने से आवत मोटरसाइकिल से भइल टक्कर में हो गइल. दोसरको मोटरसाइकिल सवार नवहियन के हालत खराब बतावल जात बा.
  • परसा हाई स्कूल का दखिन बौधा नहर से 45 साल के एगो आदमी के लाश मिलल बा. बतावल जात बा कि रात में नशा में धुत ऊ आदमी दिशा मैदान ला निकलल रहुवे आ ओही नशा में नहर में गिर गइल होखी आ डूबला से ओकर मौत हो गइल.

 412 total views,  5 views today

%d bloggers like this: