web analytics

भोजपुरी में देश दुनिया के खबर (अतवार, 24 मई 2015)

  • उपराज्यपाल से अपना अधिकार के लड़ाई आगे बढ़ावत दिल्‍ली सरकार मंगल का दिने विधानसभा के विशेष सत्र बोलवले बा. दू दिन के एह सत्र में केन्द्र सरकार के ओह अधिसूचना पर चरचा होखी जवना में कहल गइल बा कि नियुक्ति, तबादला, पुलिस आ सार्वजनिक मुद्दा पर सगरी अधिकार उपराज्यपाल का लगे बा. केजरीवाल के मनसा बा कि कवनो तरह से अइसन हालात बना दीहल जाव कि उनुका सरकार के बरखास्त क के दिल्ली में राष्ट्रपति शासन लाग जाव. केजरीवाल के शासन चलावे त आवे ना बस नौटंकी के माहिर कलाकार हउवन आ मीडिया उनुका में हवा भर के उनका के अतना बड़हन बना दिहले बावे कि उहो भुला गइल बाड़न आपन असली औकात.
  • केन्‍द्रीय सूचना आयोग आ सतर्कता आयोग के प्रमुखन के बहाली का बारे में शनिचर का दिने दिल्ली में पीएम नरेन्द्र मोदी के अध्यक्षता में एगो बइठक भइल. एहमें कवनो फैसला ना हो सकल आ अब कुछ दिन बाद दोबारा बइठक होखी. एह बइठक में गृह मंत्री राजनाथ सिंह, वित्‍त मंत्री अरुण जेटली, लोकसभा में कांग्रेस पार्टी के नेता मल्‍लिकार्जुन खड़गे आ प्रधानमंत्री कार्यालय के बड़का अधिकारी मौजूद रहलें.
  • आई पी एल क्रिकेट के फाइनल में आजु कोलकाता के इडेन गार्डन में चेन्नई सुपर किंग्स आ मुंबई इंडियंस के बीच मुकाबला होखी. चेन्नई टीम दू बेर आ कोलकाता टीम एक बेर फाइनल जीतले बिया.
  • एआईबीए महिला जूनियर विश्व चैम्पियनशिप में भारतीय मुक्केबाज शनिचर का दिने तीन गो स्वर्ण पदक आ दू गो रजत पदक जीतलें.
  • मथुरा में सोमार 25 मई के होखे वाली रैली में प्रधानमंत्री के हत्या करे के धमकी वाला एगो चिट्ठी ओहिजा के एसपी का आफिस में आइल बा. एह चिट्ठी के अइला का बाद से प्रशासन में हड़कम्प मच गइल बा आ सगरी सुरक्षा एजेन्सी अउरी सतर्क हो गइल बाड़ी सँ.
  • सउदी अरब में एगो शिया मस्जिद पर फिदायिन हमला क के नाहियो त दू दर्जन शिया मुसलमानन के मार डालल गइल बा. हमला सुन्नी आतंकवादी कइले बाड़े.
  • हर दिन एगो नया मुद्दा लेके उठला से मीडिया में मिलत वाहवाही से खुश राहुल गाँधी काल्हु एक रैंक-एक पेंशन के मुद्दा उठवले. मौका रहुवे कुछ रिटायर्ड सैनिकन से भेंट करे के. बाकिर कवनो मुद्दा उठावत राहुल ई ना बतावसु कि पिछला साठ बरीस से देश के सरकार चलावत उनकर आपन कांग्रेस एह बारे में कुछ काहे ना कइलसि. कवनो मीडियोवालन के अतना बेंवत नइखे कि राहुल भा सोनिया से सवाल कर सकसु. मोदी से सवाल करे भा मोदी पर सवाल उठावे में इहे मीडिया वाले हमेशा आगे रहेले.
  • राजस्थान में चलत गुर्जर आंदोलन का चलते रेल यात्रियन के परेशानी बहुते बढ़ गइल बा. दिल्ली मुंबई लाइन पर सगरी गाड़ी लेट चलत बाड़ी सँ.
  • डालर के दाम गिरला क चलते आ रिजर्व बैंक के कदम से देश के विदेशी मुद्रा भंडार में लगातार बढ़ोतरी होखल जात बा. पिछला 15 मई के आंकड़ा का हिसाब से भारत का लगे विदेशी मुद्रा भंडार 1.74 अरब डॉलर बढ़के 353.87 अरब डॉलर हो गइल बा.
  • गायक कैलाश खेर के बीमारी का चलते गुजरात में आपन शो रद्द क केकोकिलाबेन आस्पताल में भरती होखे पड़ल बा.

 389 total views,  2 views today

%d bloggers like this: