बिहार आ छपरा न्यूज – 25 मई 2015

  • बिहार में सरकार केकेर बनी एकर फैसला मुलायम, सोनिया आ लालू का हाथे बतवले बाड़न भाजपा नेता अरुण जेटली. हालांकि उनकर इहो दावा बा कि सरकार भाजपे के बनी. सभे जानत बा कि दिल्ली विधानसभा चुनाव में मिलल हार के दाग मेटावे खातिर बिहार विधानसभा जीतल भाजपा खातिर बेहद जरूरी बा. एह खातिर भाजपा हर दाँव खेले के तइयारी क लिहले बिया. जातिवाद खतम करे के दावो होखत बा आ सामाजिक समीकरणो साधल जात बा.
  • विकास आ गरीब विरोधी नक्सली आजु आ काल्हु दू दिन झारखंड आ बिहार बंद राखे के गोहार लगवले बाड़न. एकनी के हिंसक रुख देखत प्रशासन सचेत बिया. नक्सलियन के ग्रीन हंट अभियान से शिकायत बा जवन ओकनी के बेंवत खतम करे खातिर चलावल जात बा.
  • केंद्र के नरेन्द्र मोदी सरकार के एक साल पूरा होखला पर सगरी जिला मुख्यालयन पर उत्सव मनावल जाई. 26 मई से 3 जून का बीच हर जगहा कवनो ना कवनो केन्द्रीय मंत्री के कार्यक्रम होखे वाला बा.
  • पश्चिमी चंपारण जिला में गंडक आ नारायणी नदी में उफान आवे के अनेसा देखत बिहार सरकार अलर्ट जारी कइले बिया. बाल्मीकिनगर बराज के छतीसो फाटक खोल दीहल गइल बा जेहसे कि पानी के लेवल बहुते मत बढ़ पावे.
  • प्रदेश कांग्रेस अध्यक्ष अशोक कुमार चौधरी के कहना बा कि अगर विधानसभा चुनाव में सगरी सेकूलर गोलन के एक जगहा इकट्ठा नइखे कइल जात त कांग्रेस अकेले चुनाव लड़ी. असल में कांग्रेस के भाव अतना गिर गइल बा कि जनता परिवार ओकरा बारे में इचिको ख्याल नइखे करत आ एही खातिर दबाव बनावे के कोशिश में कांग्रेस अकेले चुनाव लड़े के बात कहले बिया.जदयू नेता संजय सिंंह के कहना बा कि अगर कांग्रेस अकेलही लड़ल चाहत बिया त एकरा ला ऊ आजाद बिया.
  • बिहार के डाक्टर अतवार का दिने क्लीनिकल ईस्टेब्लिशमेंट एक्ट के विरोध में पटना में जुलूस निकललें. एह जुलूस में आइएमए का साथही आयुषो डाक्टरन के संगठन शामिल भइली सँ.
  • गोपालगंज के यादोपुर इलाका के पतहरा गांव से एगो वाहन लूटेरा गैंग के तीन गो सदस्यन के पुलिस गिरफ्तार कर लिहलसि.