भोजपुरी में देश दुनिया के खबर (सोमार, 25 मई 2015)

  • देश में चलत गर्मी आ लू के प्रकोप से अतवार का दिने नाहियो त पाँच दर्जन लोग के मौत होखे के खबर बा. तेलंगाना में अबले करीब दू सौ लोग मर चुकल बा. ओहिजा के सरकार मरे वालन के परिवार के एक लाख रुपिया के सहायता देबे के एलान कइले बिया. आवे वाला दू तीन दिन ले एह गरमी से राहत मिले के कवनो उमेद नइखे लउकत.
  • आआपा गोल के विधायकन के आरोप बा कि उपराज्यपाल के सगरी अधिकार दे देबे वाली केन्द्र सरकार के अधिसूचना संविधान के खिलाफ बा. एही मुद्दा पर काल्हु मंगल का दिने दिल्ली विधानसभा के विशेष सत्र बोलावल गइल बा. आआपा के कहना बा कि अगर एह में सुधान ना भइल त मामिला अदालत में ले जाइल जाई.
  • राजस्‍थान सरकार से बातचीत के कवनो नतीजा ना निकलला का बाद ओहिजा गुर्जर आन्‍दोलन अउरी तेज कर दिहले बा लोग. एह लोग का चलते राजस्थान से गुजरे वाली रेलगाड़ियन पर बहुते खराब असर पड़ल बा.
  • ईरान मान गइल बा कि संयुक्त राष्ट्र के निरीक्षक लोग ओकरा सैन्य परमाणु ठिकाना के निरीक्षण कर सकेला. ओकरा उमेद बा कि एहसे आगे चल के पच्छिम के देशन से कुछ करार हो सकी.
  • कोलकाता के इडेनगार्डेन में भइल आईपीएल फाइनल मैच में अपना बेहतरीन बल्लेबाजी का बल पर मुंबई इंडियंस खिताब जीत लिहलसि आ चेन्नई सुपरकिंग्स के एकतरफा मुकाबला में 41 रन से हरा दिहलसि.
  • एनडीए सरकार के एक साल पूरा होखे का मौका पर आजु प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी मथुरा में रैली करीहें. एह मैदान में करीब एक लाख लोग भाषण सुन सकेला. जगहे जगह बड़का बड़का टीवी स्क्रीन लगावल गइल बा जेहसे लोग मंच के दृश्य आसानी से देख सकी.
  • भूकंप का बाद से नेपाल में पहाड़ खिसकला का चलते काली गंडक के प्रवाह रुक गइल बा आ एगो बड़हन झील लेखा बन गइल बा. एकरा से खतरा देखत बिहार सरकार सचेत हो गइल बिया. बाकिर प्रशासन के इहो कहना बा कि घबड़इला के जरूरत नइखे.
  • नोबेल पुरस्कार विजेता महान अमेरिकी गणितज्ञ जॉन नैश आ उनुका पत्नी के मौत न्यूजर्सी में एगो कार हादसा से हो गइल बा. ई लोग अतवार का दिने टैक्सी से कतहीं जात रहुवे जब ऊ हादसा के शिकार हो गइल.
  • केन्द्रीय माध्यमिक शिक्षा बोर्ड (सीबीएसई) के 12वीं के रिजल्ट आजु आवे वाला बा. एकरा के दुपहरिया बारह बजे आनलाइन क दीहल जाई.