यूपी आ बलिया न्यूज – 25 मई 2015

  • वाराणसी में अपना मंत्रालय के रिपोर्ट कार्ड जारी करत रेल राज्य मंत्री मनोज सिन्हा कहलन कि सरकार के पूरा कोशिश बा कि ट्रैक कंजेशन के कम कइल जाव. एह चलते ना त कवनो नया ट्रेन चलावल जात बा ना ही कवनो नया परियोजना शुरू होखी. सगरी जोर एह बात पर रही कि पुरनका परियोजनन के पूरा करा लीहल जाव. बतवलन कि मुगलसराय इलाहाबाद सेक्शन पर तिसरका लाईन बिछावे के फैसला कइल गइल बा आ साल 2019 ले एकरा के बना लीहल जाई. मालगाड़ियन खातिर अलग से लाईन बिछावल जाई जेहसे कि ट्रेनन के आवाजाही सुगम हो सके.
  • स्कूल बस में भीड़ का चलते विद्यार्थियन के खड़ा हो के चले के शिकायत करे वाला अभिभावक से सेक्रेडहार्ट स्कूल के संचाकल मार पीट कइलन आ उनुका बेटा आ बेटी के स्कूल से निकाल दिहलन. एह पर थाना में केस दर्ज करावल गइल बा.
  • भदोही टीसन पर अतवार का दिने उपरी पुल के एगो गार्डर नीचे मालगाड़ी पर गिर पड़ल जवना चलते वाराणसी भदोही जंघई रेलमार्ग पर दू घंटा ले रेलगाड़ियन के आवाजाही रुक गइल. उपरी पुल अबहीं बनावल जात बा एही दौरान गार्डर नीचे गिर पड़ल. संजोग ठीक रहुवे कि केहू के जान ना गइल ना केहु घवाहिल भइल.
  • मेहरारू से झगड़ा का बाद अपना छह बरीस के बेटा के गरदन काटत आदमी ओकरा के रोके चहुँपल एगो बूढ़ पर हमला कर दिहलसि आ टाँगी से घवाहिल क दिहलसि. हल्ला मचल त भागल आ पुल पर से नीचे कूद गइल आ अपनहु घवाहिल हो गइल. पुलिस तीनो घवाहिलन के अस्पताल में भरती करवलसि. घटना मऊ के खालसा चक मुहल्ला के ह.
  • आजमगढ़ के बम्हौर गाँव में पोखरा से माटी काढ़े चहुँपल दू गो लड़िकयन के मौत पोखरा में डूबला का चलते हो गइल. एक घंटा बाद दुनू के लाश निकालल जा सकल.
  • सम्पूर्णानंद संस्कृत विश्वविद्यालय के सालाना परीक्षा आजु से शुरु हो रहल बा. एकरा खातिर देश भर में 358 गो परीक्षा केन्द्र बनावल गइल बा. परीक्षा 8 जून ले चलेवाला बा.
  • उत्तर प्रदेश बीएड संयुक्त प्रवेश परीक्षा के नतीजा आजु निकले वाला बा. 1 लाख 60 लोग एह परीक्षा में शामिल भइल रहुवे. जवना के नतीजा आजु सोमार के तीन बजे ले जारी क दीहल जाई.