- गोपालगंज का भोरे इलाका के तिवारी बगहवां गांव में आइल बारात के लोग दही चिउरा खइला का बाद बीमार पड़े लागल आ 77 बरीस के एगो बूढ़ के मौतो हो गइल. बीमार लोग के भोरे अस्पताल में इलाज चलत बा.
- पीएम मोदी संगे भेंट कइला का बाद जीतन राम माँझी कहलन कि गठबन्हन के राह खुलल बा आ एहपर 15 जून के बोलावल बइठक में फैसला लीहल जाई. जनता परिवार में शामिल होखे के लालू के नेवता पर कहलन कि जेकरा संगे आवे के बा से उनुका लगे आवे ऊ कहीं काहे जइहें. कहलन कि लालू आजुए नीतीश से समर्थन वापिस ले के जीतन राम के मुख्यमंत्री बनवा देसु अगर साथ चाहत बाड़न त.
- हमेशा से चुनाव का बेरा बिहारी बाबू के बोल बदले लागेला आ ऊ अपना हिसाब से दबाव बनावे के कोशिश करे लागेलन. उनकर इहे कोशिश हमेशा उनुका के किनारे फेंक देला बाकिर ऊ समझु ना पावस कि कहाँ का चूक हो गइल. अब फेरू बिहार विधानसभा चुनाव सामने बा त बिहारी बाबू के कहना बा कि धीरज टूटल त कुछुओ हो सकेला. कहलन कि तब से भाजपा संगे बानी जब एकर महज दू गो सांसद रहलें. बाजपेई सरकार में मंत्री रहलन आ बढ़िया काम कइलन बाकिर पता ना कवना वजह से मोदी सरकार में उनुका के नइखे राखल गइल.
- बिहार विधानसभा चुनाव के माहौल कुछ एह तरह के बा कि कवनो गोल आपन नेता बतावे के हिम्मत नइखे कर पावत. जनता परिवारो एह बारे में चुप बा आ नीतीशो के नाम लेबे से परहेज राखल जात बा. भाजपा में सुशील मोदी के नाम वेंकैया नायडू आगे कइलन त तुरते एनडीए के विरोध सामने आ गइल. जीतन राम माँझी एगो फैक्टर जरूर बन गइल बाड़न बाकिर उहो जानत बाड़न कि उनुकर मुख्यमंत्री बनल बहुते मुश्किल होखी.
- माँझी इलाका के मुन्ना बाजार के रहवासी अपना दोस्त के बिआह में शामिल होखे दिल्ली से आइल दोस्त एन बारात निकले बेरा नदी में नहाए का फेर में डूब गइल. तेज बहाव का चलते ओकर लाशो अबहीं ले नइखे मिलल. मरे वाला दोस्त हाजीपुर के रहुवे. हादसा माँझी के महेशर घाट पर भइल.
- छपरा में बंद ढाला का नीचे से मोटर साइकिल निकाल के लाइन पार करे के कोशिश करे वाला दस जने के रेल पुलिस पकड़ लिहलसि आ बाद में जुर्माना ले के छोड़लसि.
- दैनिक जागरण प्रकाशित करे वाली कंपनी जागरण प्रकाशन लिमिटेड एगो एफएम कंपनी रेडियो सिटी के खरीदे वाला बा. एह अधिग्रहण के केन्द्रीय सूचना आ प्रसारण मंत्रालय मंजूरी दे दिहले बावे.
- अतर्राष्ट्रीय फुटबाल महासंघ फीफा के माथ अधिकारियन के भठियरपन का आरोपन का चलते गिरफ्तारी के बावजूद फीफा अध्यक्ष सेप ब्लाटर इस्तीफा नइखन देत आ समय से चुनाव करावत फेरू एकर अध्यक्ष बने का जुगाड़ में लागल बाड़न.
- दिल्ली सरकार आ केन्द्र सरकार का बीच अधिकारन के लड़ाई पर आजु देश के सबले बड़का अदालत सुप्रीम कोर्ट आ दिल्ली हाईकोर्ट में विचार होखे वाला बा. हालांकि दिल्ली हाई कोर्ट के एह मामिला पर सु्प्रीम कोर्ट के फैसला के इंतजार करे के बात बतावत बाड़े कानून के जानकार.
- पाकिस्तान में बियफे का दिने तीन गो विमान अपहरण करे वालन के फाँसी पर लटका दीहल गइल. ई लोग साल 1998 में एगो विमान के अपहरण क लिहले रहुवे जवना पर पाकिस्तान के हैदराबाद एयरपोर्ट पर सुरक्षा बल काबू पा लिहले रहुवे.
- गाजीपुर भांवरकोल इलाका के प्रह्लादपुर का लगे साइकिल से जात शेरपुर खुर्द गाँव के पंचायत सदस्य रहल बिरजू राम के गोली मार के हत्या कइला का बाद हत्यारा आराम से कुंडेसर ओर भाग गइले.
- इलाहाबाद उच्च न्यायालय बियफे का दिने फैसला सुनवलसि कि रसड़ा विधायक उमाशंकर सिंह के विधायकी रद्द करे के आदेश गैर कानूनी रहुवे. एह फैसला का बाद उमाशंकर सिंह के समर्थक रसड़ा में जश्न मनवले.
- मशहूर अभिनेता आ बाद में भाजपा सांसद रहल 79 बरीस के धर्मेन्द्र के काल्हु मुंबई के ब्रीच कैंडी अस्पताल में भरती करावल गइल बा. डाक्टर के कहना बा कि घबड़ाए वाली कवनो बात नइखे.
- मैसूर के महाराजा श्रीकांतदत्त नरसिंहराजा के निसंतान मरला का बाद साल भर पहिले रानी प्रमोदा देवी वाडियार यदुवीर कृष्णदत्त के गोद ले लिहले रहुई. ओही यदुवीर कृष्णदत्त चामराजा वाडियार के काल्हु मैसूर राजवंश के 27वां महाराज का तौर पर ताजपोशी कर दीहल गइल. हालांकि सोना के सिंहासन पर बइठे खातिर उनुका दशहरा ले इन्तजार करे के पड़ी.
- बलिया के ग्रामीण अभियंत्रण विभाग के अधिशासी अभियंता रासमणि मिश्र संगे पिछला 23 मई के मारपीट करे वाला लोगन पर अबले कवनो कार्रवाई ना होखला का चलते नाराज कर्मचारी काल्हु विकासभवन पर ताला मार दिहलें आ परिसर में धरना दिहलें. हमलावरन के संबंध समाजवादी पार्टी से बतावल जात बा आ प्रशासन के हिम्मत नइखे ओहनी का खिलाफ कुछ करे के. ई कहलन महासंघ के अध्यक्ष बलवंत सिंह.
310 total views, 5 views today