- प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी फेरू कहले बाड़न कि सेना के एक रैंक एक पेंशम के सवाल पर उनुकर सरकार प्रतिबद्ध बिया आ एह बारे में केहु के कवनो संशय ना होखे के चाहीं. कहलन कि पिछला सरकार में रहे वाला लोग एह बारे में कुछ ना कइल आ अब जान बूझ के गलतफहमी पसारे में लागल बावे लोग. भूमि अधिग्रहण विधेयको का बारे में कहलन कि एकर एको फैसला किसानहित के खिलाफ नइखे. कहलन कि जवना सरकार में तीन लाख किसान खुदकुशी करे ला मजबूर हो गइलें ओह गोल के किसानन का बारे में बतियावे के कवनो नैतिक अधिकार नइखे.
- राष्ट्रीय मानवाधिकार आयोग चित्तूर मुठभेड़ में मराइल चंदन तस्करन के मामिला के जाँच सीबीआई से करावे के सिफारिश कइले बावे आ ओकनी के परिवार के पाँच पाँच लाख मुआविजा देबे के कहले बावे. धन्य बा एह देश के व्यव्स्था जहाँ अपराधियन ला हर कानूनी सहायता उपलब्ध बा आ कानून माने वाला आदमी ला डेगे डेग पर परेशानी बा. कानून व्यवस्था लागू करावे वाला सुरक्षा बल खातिर कवनो मानवाधिकार ना मिले बाकिर ओहनी के जान लेबे वालन खातिर हर अधिकार मुहैया करा दीहल जाला.
- बियफे का दिने कुवैत में खतम भइल इस्लामिक सहयोग संगठन के बइठक में प्रस्ताव पास क के कश्मीरी अलगाववादी नेतवन ला यात्रा दस्तावेज जारी ना कइला पर नाराजगी जतावल गइल बा. एही इस्लामी देशन में गैर समुदाय ला कवनो सुविधा ना दीहल जाव आ आए दिन ओहिजा के अल्पसंख्यकन के तरह तरह के अत्याचार झेले के पड़ेला. खास क दुनिया के इस्लामी देशन में हिन्दुवन के हालत सबले खराब बा केहु एह हिन्दुवन ला खड़ा ना होखे. खैर भारत सरकार इस्लामिक सहयोग संगठन के प्रस्ताव पर गहीर नाराजगी जतवले बिया आ एकरा के अपना आंतरिक मामिला मे दखल के कोशिश करार दिहले बिया.
- क्यूबा से रिश्ता सहज करे में लागल अमरीका अब क्यूबा के आतंकवाद प्रायोजक देशन के सूची से हटा दिहले बावे, अब दोसरो प्रतिबंध हटावे पर काम चलत बा.
- मॉरिशस के राष्ट्रपति कैलाश प्रयाग आपन इस्तीफा देबे के एलान कइले बाड़न. अब ओहिजा पहिलका महिला राष्ट्राध्यक्ष बना दीहल जइहें अमीनाह गुरीब-फकीम.
- पाकिस्तान में आतंकी गिरोह दू गो बस से तीस पैंतीस गो यात्रियन के अगवा क लिहले बाड़े आ ओहिमें से 19 लोग के गोली मार के हत्या क दीहल गइल बा.
- विवादन का बीच सैप ब्लैटर के फेरू फीफा के अध्यक्ष चुन लीहल गइल बा. पिछला सतरह बरीस से उहे फीफा पर काबिज बाड़न.
- केन्द्रीय सूक्ष्म, लघु आ मध्यम उद्योग मंत्री कलराज मिश्र के कहना बा कि केन्द्र बिहार में दस गो रोजगार केन्द्र खोलल चाहत बा बाकिर बिहार सरकार पिछला कई महीना से एकरा ला जमीन नइखे देत.
- बिहार के हर विधान सभा क्षेत्र में रंगीन वोटर कार्ड बनावे खातिर कैंप लावल जाई. ई कैंप निर्वाचक निबंधक पदाधिकारियों के कार्यालय में लगावल जाई.
- केन्द्र सरकार के शुरू कइल जीवन प्रमाण योजना से पेंशन लेबे वालन के बड़हन फजीहत से बचाव हो गइल बा. पहिला अपना जिन्दा होखे के सबूत देबे ला एह लोग के अपने बैंक जाए के पड़त रहुवे. अब कवनो बैंक में जा के आपन फिंगर प्रिंट, बायोमेटिंक जानकारी, मोबाईल संख्या, खाता संख्या आ आधार संख्या दर्ज कराके ई सर्टिफिकेट लीहल जा सकेला.
- बिहार बोर्ड के इंटर आर्ट्स के रिजल्ट आजु जारी होखे वाला बा.
- जब उत्तराखंड में आपदा आइल रहुवे तब ओहिजा के अधिकारी एह दौरान गुलाबजामुन, चिकन आ मटन खाए में लागल रहलें. स्कूटर में डीजल भरावल जात रहुवे आ ओही पर माल ढुलाई देखा दीहल जात रहुवे. सगरी जानकारी अब सामने आइल बा जवना का बाद सूचना आयोग एह मामिला के सीबीआई जांच करावे के सलाह देत मुख्यमंत्री दफ्तर भेजे के कहले बावे..
- राहुल गाँधी के उकसवला का बाद कांग्रेस के छात्र संगठन एनएसयूआई का तरफ से केन्द्रीय मानव संसाधन मंत्री स्मृति ईरानी के डेरा पर प्रदर्शन कइल गइल आ ई लोग फाटक तूड़ के घर में घुसे के कोशिश कइल. एकरा बाद स्मृति ईऱानी राहुल गाँधी के चुनौती दिहली कि सीधे बहस क लेसु. कहली कि जल्दिए फेरू अमेठी के दौरा करीहें. जान जाईं कि स्मृति ईरानी के बार बार अमेठी दौरा कइला से पूरा गाँधी परिवार बेचैन हो गइल बा.
- भाजपा खातिर खुशी के बात बा कि बिहार विधानसभा चुनाव में बिहार कांग्रेस के कमान सीधे राहुल गाँधी का हाथ में रही. एने कुछ दिन से सवाल उठत रहुवे कि बिहार चुनाव का बारे में राहुल के कवनो चरचा नइखे होखत.
- बिहार में 78 रुपिया महीना आ यूपी में 94 रुपिया महीना के खरच पर हाईस्पीड ब्रॉडबैंड योजना भारतनेट से जुड़ल जा सकी.
- कमजोरी आ कान्ह में दरद का शिकायत का चलते अस्पताल में भरती बालीवुड अभिनेता धर्मेन्द्र के अस्पताल से छुट्टी मिल गइल बा बाकिर जल्दिए आपरेशन करावे खातिर उनुका अस्पताल आवे के पड़ी.
307 total views, 5 views today