web analytics

भोजपुरी में देश दुनिया के खबर (अतवार, 31 मई 2015)

  • देश के जनता से अपना मन के बात बतियावे के अठवाँ कड़ी में आजु फेरू प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अपना मन के बात आकाशवाणी पर बतइहें. अपना सरकार के एक साल पूरा होखे का मौका पर एह कार्यक्रम में एक बरीस के हासिल गिनवा सकेलें.
  • केन्द्र सरकार तिसरका बेर भूमि अधिग्रहण का बारे में अध्‍यादेश ले आवे खातिर रा्ष्ट्रपति से कहे के फैसला कइले बिया. कांग्रेस आ कुछ विपक्षी गोलन के जिद्द का चलते राज्यसभा से एह विधेयक के मंजूरी नइखे मिल पावत आ पिछलका अध्यादेश के अवधि 4 जून के खतम हो जाई. एहीसे एकरा के तिसरका बेर जारी करावे के काम करे के पड़त बा. सरकार के बेर बेर कहला का बावजूद कांग्रेस झूठ बोलले जात बिया कि एह भूमि बिल से गरीब किसानन के जमीन छीन के कार्पोरेट घरानन के दे दीहल जाई जबकि एह मे साफ लिखल बा कि सिर्फ सरकारी काम खातिर एह तरह के अधिग्रहण कइल जाई. पइसा आ रसूख वाला त पहिलहीं से जमीन लूटत आइल बाड़े जवना के सबले नायाब नमूना हवें सोनिया गाँधी के दामाद आ राहुल गाँधी के जीजा राबर्ट वाड्रा. आ महज पाँच लाख लगा के राहुल आ सोनिया नेशनल हेराल्ड के हजारन करोड़ के संपति हथिया के बइठल बा.
  • राष्‍ट्रपति प्रणब मुखर्जी आजु से स्‍वीडन आ बेलारूस के पांच दिन के सरकारी यात्रा पर निकल गइलें. पहिले स्वीडेन जइहें जहाँ पहिला बेर कवनो भारतीय राष्ट्रपति के दौरा होखे वाला बा. ओकरा बाद सोमार का दिने बेलारूस चहुँपिहें.
  • सोमार का दिन से बढ़ल सेवा कर लागू हो जाई जवना चलते रेलवे के एसी आ फर्स्ट क्लास से चले वालन के पहिले के मुकाबले एक हजार रुपिया के टिकट पर छह रुपिया अधिका देबे के पड़ी.
  • जापान के समुद्री किनारे काल्हु आइल भूकंप का चलते देरी ले इमारत हिलत रह गइलीं सँ बाकिर कतहीं कवनो नुकसान होखे के खबर नइखे. एह भूकंप के कुछ असर हिन्दुस्तान ले देखे के मिलल बा बाकिर एहिजो कतहीं कवनो नुकसान नइखे भइल.
  • 6 जून के भोजपुरी फिल्म उद्योग के पहिलका अंतराष्ट्रीय अवार्ड ‘बीआईएफए’ मॉरीशस में आयोजित कइल गइल बा. मॉरीशस के पोर्टलूइस के स्वामी विवेकानंद हॉल में 2014 के भोजपुरी सिनेमा के सर्वश्रेष्ठन के सम्मान कइल जाई. एकर आयोजन यशी फिल्मस् प्रा०लि० अउर एमजीटी वर्ल्डवाईड वन लिमिटेड का तरफ से करावल जा रहल बा.
  • बिहार बोर्ड के इंटर आर्टस के रिजल्ट में माथ के दस जगहा पर 26 परीक्षार्थियन के जगहा मिलल बा जवना में से 22 गो छात्रा बाड़ी सँ. आट गो टापर सीतामढ़ी से बाड़े.
  • बिहार के कवनो मेडिकल काॅलेज में दाखिला खातिर एको सीट कम ना करे के बात कहत बिया सरकार जबकि मेडिकल काउन्सिल तीन सौ सीट कम कइले बिया.
  • बक्सर जिला के राजपुर थाना के मिकरिस गांव का लगे बारातियन के ले जात एगो बस पलट गइल जवना चलते छह लोग के मौत हो गइल आ बहुते लोग घवाहिल हो गइल.
  • मध्यप्रदेश के छिंदवाड़ा में चलत ऑल इंडिया बॉल बैडमिन्टन टूर्नामेंट में बिहार के महिला टीम सेमीफाइनल में चहुंप गइल बिया.
  • देश के सबले पुरान मस्जिद केरल के जुमा मस्जिद के जीर्णोद्धार के पहिला चरण के उद्घाटन पीएम मोदी करे वाला बाड़े. कवनो मस्जिद के ई उनुकर पहिला दौरा होखे वाला बा. हालांकि एकर तारीख अबहीं ले तय नइखे भइल.
  • दिल्ली सरकार आम आदमी के टेलीफोन टेप करावे खातिर आधुनिक उपकरण मंगवले बिया एह बात के जानकारी मिलला का बाद भाजपा के लोग मुख्यमंत्री अरविन्द केजरीवाल के सरकारी डेरा का सामने जोरदार प्रदर्शन कइलें जवना का बाद आआपा का तरफ से कहल गइल कि एह तरह के कवनो उपकरण नइखे मंगा‌वल गइल आ ई मीडिया के कल्पना के उपज हवे.
  • कंगना रनौत आ आर.माधवन के फिलिम तनु वेड्स मनु रिटर्न्स रिलीज भइला के पहिलके हप्ता में 100 करोड़ रूपिया के आंकड़ा पार कर लिहलसि.
  • पाकिस्तान आ जिंबाब्वे के बीच होखत वन डे इंटरनेशनल क्रिकेट मैच का दौरान गद्दाफी स्टेडियम का लगे शुक का दिने भइल धमाका के पहिले बिजली ट्रांसफार्मर के धमाका बतावल जात रहुवे बाकिर बाद में पता चलल कि एगो फिदायिन अपना के बम से उड़ा दिहले रहुवे. ओकरा के रोके वाला पुलिस कर्मी के मौत एह धमाका का चलते हो गउवे.

 418 total views,  2 views today

%d bloggers like this: