web analytics

भोजपुरी में देश दुनिया के खबर (सोमार, 8 जून 2015)

  • बिहार विधानसभा चुनाव के तइयारी खातिर आपन गोटी सेट करे आ दोसरा के मामर हेठ करे में सबही लागल बा. अतवार का दिने दिल्ली में भइल बइठक में अतना त तय भइल कि राजद आ जदयू मिल के चुनाव लड़ीहें बाकिर मुख्यमंत्री के होखी आ केकरा कतना सीट मिली एह पर कवनो फैसला ना हो सकल. ओने नीतीश कुमार एह बइठक से पहिले जा के राहुल गाँधी से गरे मिल अइलें. कांग्रेस बिहार में एही लोग का भरोसे आपन टूटल नाव किनारे लगावे के जुगत में बिया. ओने सभे जीतन राम माँझी पर डोरा डाले में लागल बा काहें कि सभका उमेद बा कि माँझी के पटा लिहला पर दलित वोट थोक में मिल जाई.
  • गुर्जर आन्दोलन का तर्ज पर काल्हु अतवार का दिने गोरखपुर के कसरवल क्रासिंग पर निषाद समाज के लोग रेल पटरी पर धरना दे के अपना खातिर केन्द्र सरकार आ यूपी सरकार के आरक्षण के मांग कइल. एह धरना का चलते गोरखपुर मे गाड़ियन के आवाजाही कई घंटा ले रुकल रहल. बाद में पुलिस ताकत इस्तेमाल क के एह लोग के पटरी पर से हटवलसि. पुलिस फायरिंग का चलते एक आदमी के मौत हो गइल. मरे वाला के पहचान नइखे भइल कि कहाँ के रहुवे आ के रहुवे.
  • आंध्र प्रदेश के मुख्यमंत्री चंद्रबाबू नायडू आ एगो मनोनीत विधायक एलविस स्टीफंसन के बीच के बातचीत के एगो टेप अतवार का दिने एगो लोकल चैनल पर प्रसारित होखला का बाद वोट का बदले नोट विवाद में एगो नया मोड़ आ गइल बा. हालांकि तेदेपा के कहना बा कि टेप गढ़ल गइल बा आ असल ना ह.
  • बिजली किल्लत झेलत यूपी वालन खातिर एगो खराब खबर बा कि बिजली मिले भा मत मिले बाकिर अगिला महीना से बिजली के बिल जरूर बढ़े जा रहल बा. रेगुलेटरी सरचार्जो बढावल जाई. आ अब एकमुश्त समाधान योजना ना ले आवल जाई.
  • मैगी नूडल्स का खिलाफ केन्द्र सरकार कंज्यूमर कोर्ट में एह मामिला के उठावे जा रहल बिया. नेस्ले पर आरोप बा कि ऊ जानत बूझत नुकसानदेह सामान बनावत रहुवे आ ओकरा खातिर भरमावे वाला विज्ञापन करा के ओकर बिक्री बढ़वावत रहुवे.
  • मऊ जिला के घोसी कोतवाली के सेमरी जलालपुर गाँव में जमीन के झगड़ा ले के कुछ दबंग एगो मेहरारू के पीट पीट के मुआ दिहलें. ओकरा तीन गो बेटियनो के पिटाई क के घवाहिल क दीहल गइल बा.
  • मौसम के जानकारी देबे वाली एगो निजी संस्था स्काईमेट के कहना बा कि एह साल देश में मानसून सामान्य रहे वाला बा आ सूखा पड़े के कवनो अनेसा नइखे.
  • सारण जिला के अवतार नगर इलाका के संठा गांव का नियरा शनिचर का रात कवनो गाड़ी से धक्का लागे का चलते बाईक पर सवार दू भाई बहुते घवाहिल हो गइलें. एहमें से एक भाई के मौत बाद में ओहिजे हो गइल. मरे वाला आदमी डुमरी गाँव के रहुवन जे पटना से गाँवे जात रहले.
  • सिवान जिला के महाराजगंज प्रखंड के बलिया गाँव के मुखिया फुलकुमारी देवी के 17 बरीस के माँझिल बेटा बगइचा में आम तूड़े का फेर में गाछी से गिर के घवाहिल हो गइल आ अस्पताल ले जाए का राहे में ओकर मौत हो गइल.
  • गोपालगंज के सिनेमा रोड पर एगो मिठाई के दुकान पर अतवार रात़ करीब साढ़े आठ बजे कुछ बदमाश बम से हमला कर दिहलें. एह बमबाजी से दुकान के मालिक समेत तीन जने घवाहिल हो गइइले. अगल बगल के लोग एगो बदमाश के चहेट के ध लीहल आ पिटाई का बाद पुलिस के सँउप दीहल लोग.
  • परसादी दियारा के जवना लड़िकी के अपहरण के शिकायत मिलल रहुवे ओह लड़िकी के ओकरा आशिक मास्टर बहड़माड़र गाँव के आफताब आलम संगे परसा पुलिस दारोगा राय चौक से पकड़ लिहलसि. मास्टर आफताब के बापो के गिरफ्तार क लिहले बिया पुलिस. लड़िकी ओह आशिक का साथे निकाह हो जाए के बात कहतिया.
  • बलिया जिला जेल पर जिलाधिकारी आ पुलिस अधीक्षक के दौरा का दौरान एक दर्जन थाना के पुलिस पूरा जेल के खंगार डलले आ एहमें अनेके सामान मिलल जवन कि कैदियन का लगे होखल ना चाहत रहुवे. एगो कैदी का लगे से सिम आ चार्जर त एगो दोसरा कैदी का लगे से डायरी मिलल जवना में बहुते लोग के मोबाइल नंबर दर्ज बावे.
  • गाजीपुर के पुलिस अधीक्षक का डेरा पर अतवार का दिने एगो लाल बत्ती लागल इनोवा गाड़ी से ढेर दिन से फरार चलत अपराधी अमरनाथ यादव आ राजेश पाण्डेय चहुँपले आ समर्पण क दिहलें. सवाल उठत बा कि ऊ गाड़ी केकर रहुवे जे एह अपराधी के पुलिस से बचावत सुरक्षित रुप से समर्पण करा दीहल.
  • आजमगढ़ के सेंहदा गाँव का लगे शनिचर का रात दू गो बाइक का बीच आमने सामने के टक्कर हो गइल जवना से एगो बीएसएफ जवान आ एगो मोबाइल बेचेवाला के मौत हो गइल. दुनू मामा भगीना रहलें.

 285 total views,  2 views today

%d bloggers like this: