- रेलवे के तत्काल सिस्टम में कुछ ना कुछ घोटाला त जरूरे हो रहल बा ना दू मिनट का भितरे 180 टिकट कइसे कट जात बा. विभाग के देखे के चाहीं कि तत्काल टिकट कटावे वालन के आइपी का ह आ कहीं एके आइपी भा कुछेके से त ई घपला नइखे हो रहल. आखिर सब कुछ सही बा त दलाल कइसे टिकट कटवा देत बाड़े आ आम आदमी अपना कंप्यूटर पर झिकते रहि जात बा. हम खुद दू दिन से परेशान होखला का बावजूद टिकट ना कटा पवनी ह. बियफे का दिने इलाहाबाद से आइल रेलवे के टीम भदोही के गोपीगंज से एगो अइसने जासाज दलाल के नौ गो टिकट का साथे पकड़लसि जवन कि गलत आईडी पर बनावल गइल रहुवे.
- आजु शुक का दुपहरिया में मुंबई के लोग बड़का ज्वार के लहर झेलल. करीब दस बारह हाथ ले ऊँच रहली स समुन्दर के लहर. रात सवा आठ बजे का आसपास लो टाइड माने कि भाटा आई. ई क्रम शनिचरो का दिने चले के अनेसा बतावल गइल बा. आजु भइल भारी बरखा का चलते मुंबई आ सबर्बन इलाका के जनजीवन थथम गइल आ कई जगहा ट्रेनो रोक देबे के पड़ल काहे कि रेल लाईन पर पानी जाम हो गइल रहुवे.
- ललित मोदी विवाद का चलते राजस्थान के मुख्यमंत्री वसुन्धरा राजे सिंधिया के छुट्टी हो सकेला आ उनुका जगहा भाजपा के उपाध्यक्ष ओम माथुर के मुख्यमंत्री बनावल जा सकेला. ललित मोदी वसुन्धरा के आपना पारिवारिक नाता वाला बतवले रहन आ वसुन्धरा के बेटा दुष्यंत के कंपनी में ललित मोदी पइसा लगवले रहले. हालांकि कवनो कंपनी के शेयर कवनो आदमी खरीद सकेला बाकिर सवाल एह से उठ गइल कि दस रुपिया फेस वैल्यू वाला शेयर ई 96000 का रेट से खरीदले.
- यूपी के प्रतापगढ़ का एगो होटल में आजु सबेरे भयंकर आग लाग गउवे जवना चलते कम से कम दस लोग के मौत जरला का चलते हो गइल आ करीब दू दर्जन लोग झँसइला का बाद अस्पताल में भरती करावल गइले. एहमें सात जने के हालत अब तब वाला बतावल जात बा. अनुमान लगावल जात बा कि शार्ट सर्किट का चलते आग लगुवे जवन देखते देखत पसर गउवे.
- एगो प्रेमी जोड़ा का खिलाफ यूपी के गोरखपुर के पिपराइच से समाजवादी पार्टी के महिला विधायक के बेटा अइसन अनेत कइलन कि पुलिसो कुछ बोल नइखे पावत. पहिले त दुनू के मुड़ी छिलवा दिहले आ फेर मुँह पर करीखा पोत के पूरा गाँव घुमावल गइल. ओह पर से इहो फरमान सुना दिहले कि दुनू के शादी करा के गाँव से भगा दीहल जाव.
- इस्लामिक चरमपंथी गिरोह बोको हराम नाइजीरिया के सीमा में घुस के दू गो शहरन पर हमला क दिहलें आ घरन में आग लगा दिहले जवना चलते कम से कम चालीस लोग के दर्दनाक मौत हो गउवे.
- सत्ता का मद में डूबल आआपा पार्टी के सरकार में दिल्ली के उप मुख्यमंत्री मनीष सिसोदिया के कार के पिछला हप्ता चालान कटला के खबर सामने आइल बा. पुलिस के कहना बा कि गाड़ी बहुते तेज रफ्तार से जात रहुवे आ पुलिस के रुके के इशारा का बावजूद ना रुकल त ओकरा के एक घंटा ले चहेटला का बाद पकड़ल गइल आ ड्राइवर से 400 रुपिया जुर्मान वसूलल गइल. आपन गलती का रहला का चलते एह घटना के कवनो खबर सिसोदिया का तरफ से पता ना चल सकल केहु के.
- आजु सोशल मीडिया पर विश्व पप्पू दिवस मनावल जात बा काहे कि आजु राहुल गाँधी के जनम दिन ह. आ पिछलो साल पप्पू दिवस मनावल गइल रहुवे. 45 बरीस के हो चुकल राहुल गाँधी के दिन अतना खराब चलत बा कि एक युग का बाद उनुका आपन जनमदिन हिन्दुस्ताने में मनावे के पड़ल बा. ना त इनकर जनम दिन हमेशा विदेशे में मनावल जात रहुवे. राहुल का बारे में तरह तरह के सवाल सोशल मीडिया पर उठत रहेला जवना के कवनो वाजिब जवाब सुने के ना मिले. जइसे कि राहुल के असल नाम का ह, उनकर धरम का ह, कवना कवना देश के नागरिकता उनुका लगे बा, पढ़ाई कतना कइले बाड़न, वगैरह वगैरह.
- बंगला देश के मीरपुर में होखत एक दिना मैच में एगो बंगला देशी खिलाड़ी के धकियावे के दोषी मिलला का बाद भारत के कप्तान धोनी पर मैच फीस के पचहत्तर फीसदी जुर्माना लगावल गइल बा. बंगलो देश के खिलाड़ी जवना के धकियावल गइल रहे ओकरो पर पचास फीसदी के जुर्माना लगावल गइल बा. बियफे का दिने भइल एह घटना के दुनू खिलाड़ी आम बात बतवले बाड़न कि मैच में अइसनका कबो कभार हो जाला बाकिर एकरा के रेघरियवला के जरुरत ना होखे के चाहीं. एह मैच में भारत हार गइल रहुवे.
- बिहार के उपमुख्यमंत्री रहल सुशील मोदी बिहार के सरकारी अधिकारियन के चेतवले बाड़न कि एमएलसी चुनाव में जिन जने मौजूदा नीतीश सरकार के गठबन्हन के समर्थन में काम करत मिलिहें उनका खिलाफ अगिला सरकार कार्रवाई कइले बिना मानी ना. जान लेबे के चाहीं कि अगिला सरकार भाजपे के बने वाली बिया. अब सुशील के एह बड़बोलापन से अधिकारियन में गलत सनेसा जाव त जाव एहसे सुशील के का.
- यूपी के हर ओह टोला आ गाँव के बिजली कनेक्शन चहुँपावल जाई जवना के आबादी कम से कम सौ आदमी के बा. बतावल जात बा कि अइसनका नाहियो त आठ हजार से बेसी टोला मुहल्ला बाड़ी सँ जहवाँ आजु ले बिजली के उजियार नइखे चहुँपल.
- सारण जिला के डोरीगंज इलाका के सिंगही गांव के एगो इनार से बीस दिन पहिलही बिआह के आइल कनिया के लाश मिलल बा. एह खबर के सुन के ओकरा नइहर के लोग बवाल क दीहल आ रौजा का लगे सड़क जाम क के प्रदर्शन कइल. ओकर बाप ओकरा ससुरारी के सभ लोग पर दहेज हत्या के केस लिखववले बाड़न.
- सारण जिला के दाउदपुर इलाका के धर्मपुरा गांव में बुध के रतिया एगो नवही देसी कट्टा से अपना के गोली मार के जान दे दिहलसि. पुलिस मौका पर चहुँप के जाँच करत बिया,
- सारण जिला के इसुआपुर के थानाध्यक्ष रहते संजय कुमार तिवारी के हत्या का मामिला में आरोपी पंकज कुमार सिंह बियफे का दिने अदालत में सरेंडर क दिहलसि.
- सिवान जिला के गोरेयाकोठी के एगो लड़िका के साँप काट लिहलसि त घर वाले ओहिजा के उपर पट्टी बान्ह के सरकारी अस्पताल ले गइले. ओहिजा के डाक्टर पट्टी खोल दिहलन आ कहलन कि साँप के काटल ना ह, मूस वगैरह कटले होखी. बाकिर हालत बिगड़े लागल त घर वाले साँप कटला के इलाज शुरु करे के कहलें त डाक्टर जिदिया गइल आ कहलसि कि पहिले काटे वाला साँप ले के आवऽ लोग तबे इलाज शुरु करब. हार थाक के घर के लोग सिवाल सदर अस्पताल ले गइल बाकिर तब ले राहे में ओकर मौत हो गइल. अब ओह डाक्टर का खिलाफ इलाज में लापरवाही करे के मुकदमा दर्ज कइल गइल बा.
- बुध का रात गोपालगंज सदर अस्पताल में ड्यूटी पर तैनात डाक्टरन से मारपीट करे का आरोप में बियफे का दिने मांझा इलाका के भोजपुरवां गांव के दू जने के गिरफ्तार कत लिहले बिया.
- भोजपुर जिला के पीरो प्रखंड के वैना जमुनीपुर गाव में आजु ले बिजली के तार नइखे चहुँपल बाकिर ओकरा पहिलहीं बिजली विभाग गाँव के दस लोग के बिजली के बिल भेज दिहले बावे.
- रोहतास जिला के डेहरी-आनसोन का आईटीआई परिसर में बियपफे का दिेने नियोजन मेला लगा के 1062 गो बेरोजगारन के नौकरी के कागज के थमावल गइल.
- बेतिया के शिकारपुर इलाका के नौतनवा-पचमवा गांवन के बीच बुध के सँझिया त्रिवेणी कनाल का लगे सड़क हादसा में एगो मोटरसाइकिल सवार नवही के मौत हो गइल.
- जौनपुर लाइन बाजार के जेसीज चौराहा का लगे सड़क हादसा से एगो नवही के मौत हो गइल जब ओकरा मोटरसाइकिल के एगो बस वाल धक्का मार दिहलसि.
- गाजीपुर जेल के चरदीवारी फान के कैदी के भाग जाए का मामिला में जेल के चार गो बंदी रक्षकन के सस्पेंड कर दीहल गइल बा.
- सोनभद्र जिला के पिण्डारी, दीघुल, कनहरा, आ परसोई में बियफे का दिने गिरल ठनका से चार आदमी के मौत हो गइल आ ओतने लोग झँउसलो बावे.
331 total views, 5 views today