web analytics

सगरी खबर भोजपुरी में (शुक, 26 जून 2015)

  • मालेगांव विस्‍फोट मामिला में सरकारी वकील रोहिणी सेलियन के कहना बा कि राष्‍ट्रीय जांच एजेंसी उनुका पर एह मामला में नरम रुख अख्तियार करे के दबाव डालत बा. साल 2008 से चलत एह मुकदमा में आजु ले सरकार कवनो चार्ज शीट नइखे दाखिल कर सकल बाकिर मामला के लटकावत आवल जात बा काहे कि एह मामिला के आरोपी साध्वी प्रज्ञा ठाकुर जइसन हिन्दुत्व से जुड़ल लोग बा. हर तरह के अत्याचार कइला का बावजूद सरकारी पक्ष आजु ले कवनो मजगर सबूत नइखे बटोर सकल आ कैंसर के मरीज साध्वी प्रज्ञा ठाकुर के जमानतो नइखे दीहल जात. एनआईए के कहना बा कि सरकारी वकील के आरोप गलत बा आ सरकारी वकील के काम शुरु होखेला अदालत में चार्ज शीट दाखिल भइला का बाद से. अबहीं ले एह मामिला में चार्ज शीट दाखिले नइखे भइल.
  • प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी बियफे का दिने तीन गो बहुते खास योजनन के शुरूआत कइलन. – स्‍मार्ट सिटी मिशन, अटल पुनरुत्‍थान अउर शहरी परिवर्तन मिशन (अमृत) आ सबका ला आवास. ई तीनो योजना देश के शहरी विकास में मील के पत्थर लेखा साबित होखिहें सँ. एह मौका पर पीएम मोदी कहलन कि हर आदमी के सपना होला कि ओकर एगो आपन घर होखे आ सरकार ओकर ई सपना पुरावे ला डाँड़ कस लिहले बिया. बतवलन कि पहिला बेर बनल स्मार्ट सिटी के योजना अइसन बा कि एकर फैसला भारत सरकार ना करी, राज्य सरकार ना करी. ई काम ओह शहर के लोग, ओहिजा के नगर पालिका, ओहिजा के अगुवा लोग तय करी.
  • एह मौका पर शहरी विकास मंत्री एम वेंकैया नायडू बतवलन कि अगिला सात बरीस में दू करोड़ मकान बनवावे के इरादा बा. आ ई सगरी मकान औरतन का नामे दीहल जाई. मकान पर पहिला हक औरतने के होखल करी.
  • इन्दिरा गाँधी के पीएम रहला का दौरान लगावल इमरजेन्सी वाला रात के याद करत प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी कहलन कि केहु 25 आ 26 जून 1975 वाली करिया रात के भुला ना सके. ओह रात पूरा देशे के आपातकाल के जंजीरन से जकड़ के जेल बना दीहल गइल रहे. लाखों लोग के राते रात उठा के जेहल में डाल दीहल रहे. अखबारन के मुँह पर ताला लगा दीहल रहे आ रेडियो उहे बोले जे सरकार बोलत रहे. कहलन कि जयप्रकाश नारायण के स्‍मारक बनावे का फैसला से लोकतंत्र समर्थकन के प्रेरणा मिलल करी.
  • याद करीं जब महज आपन कुरसी बचावे खातिर कांग्रेसी सरकार इमरजेन्सी लगा दिहले रहुवे आ तब के पीएम कहली कि एकरा खिलाफ एगो कुकुरो ना भूंकल. शायद एही चलते महतारी बेटा – सोनिया आ राहुल गाँधी – कुछ दिन पहिलहीं से कवनो दोसरा देश मे लुकाइल बा कि इमरजेन्सी वाला कलंक के जवाब ना दे पाई ऊ लोग. कुछ लोग त इहो कहत बा कि हो सकेला आपन करिया कमाई के ठिकाने लगावे गइल बा ई लोग. पता ना साँच का बा बाकिर लुकाइल तरीका से विदेश भगला पर सवाल उठबे करी.
  • मुम्‍बई आतंकी हमला के षडयंत्रकारी जकीउर्रहमान लखवी के मामिला में संयुक्‍त राष्‍ट्र में पाकिस्‍तान के विरूद्ध भारत के प्रस्‍ताव पर चीन के वीटो लगवला के मुद्दा विदेशमंत्री सुषमा स्‍वराज काठमांडू मेंं चीन के विदेशमंत्री वांग यी से बातचीत में उठवली आ कहली कि चीन के एह वीटो से भारत चीन के संबंधन में असहजता आइल बा.
  • बिहार आ पूर्वांचल में सक्रिय हो गइल बा आ लगातार आगे बढ़त जाए खातिर माहौल बढ़िया बनल बा. मौसम विभाग के अनेसा कि एह साल मानसून कमजोर रह सकेला एकदम गलत साबित हो गइल बा. एह साल के मानसून एकदम सामान्य रहे के उमेद बढ़ल जात बा. काल्हु बियफे का दिने बिहार आ पूर्वांचल में कई जगहा निकहा बरखा भइला के खबर बा आ आजुओ तेज बरखा होखे के अनुमान बतावल जात बा. काल्हु गोपालगंज के डुमरियाघाट में आठ सेंटीमीटर बरखा भइल.
  • भूकम्‍प से तबाह नेपाल में बड़हन पैमाना पर होखे वाला पुनर्निर्माण खातिर भारत का तरफ से नेपाल के एक अरब अमरीकी डॉलर के सहायता दीहल जाई. एह काम में सात अरब डाॅलर खरच होखे के अनुमान बतवले बा नेपाल. दुनिया के अकेला हिन्दू देश के दीहल जा रहल एह सहायता से दुनू देश के नागरिक संबंध अउरी पोढ़ होखे के अनुमान बावे.
  • बिहार में जनता दल यूनाइटेड के बाहुबली विधायक अनन्‍त सिंह के पटना बेउर जेल भेज दीहल गइल बा. एह गिरफ्तारी पर राजद नेता लालू प्रसाद खुशी जतवले बाड़न काहे कि पुटुस यादव के जान ले लिहले रहले अनंत सिंह आ उनकर गुर्गा. दोसरा तरफ अनंत सिंह के समर्थक काल्हु बियफे का दिने जगहे जगह सड़क जाम आ रेल जाम कइले.
  • पाकिस्तान के पुरान क्रिकेटर रहल जहीर अब्बास के अंतर्राष्ट्रीय क्रिकेट परिषद (आईसीसी) के नया अध्यक्ष एक बरीस ला बनावल गइल बा.
    आईसीसी के एकदिना मैचन के टटका रैकिंग में भारत दू अंक नीचे खिसकल बा बाकिर दुसरका जगहा पर बरकरार बा. विश्‍व चैंपियन ऑस्‍ट्रेलिया पहिला जगहा पर आ न्‍यूजीलैंड तिसरका पर बावे.
  • ग्रीस संकट का बावजूद स्मार्ट सिटि मिशन, सबका ला आवास, आ अमृत योजना के शुरुआत से सरकारी खरचा बढ़े के खबर से उत्साहित देश के शेयर बाजार में बियफे का दिने तेजी दर्ज भइल आ सेंसेक्स 166 अंक चढ़ के आ निफ्टी 37 अंक बढ़ के बंद भइल.
  • भारत के सानिया मिर्जा आ स्विटजरलैंड के मार्टिना हिंगिस के जोड़ी डब्‍ल्‍यू टी ए एगोन इंटरनेशनल टेनिस प्रतियोगिता के सेमीफाइनल में पहुंच गइल बावे. एह जोड़ी के मुकाबला फ्रांस आ स्‍लोवीनिया के जोड़ी कारोलीन गर्शिया अउर कैटरिना सरे बोत्निक से होखे वाला बा.
  • यूपी के बेसिक शिक्षा परिषद के प्राथमिक आ उच्च प्राथमिक विद्यालयन में तैनात शिक्षकन आ कर्मचारियन के उत्तर प्रदेश लोक सेवा आयोग के भर्ती परीक्षावन में अधिकतम आयु सीमा में पांच साल के छूट मिलल करी. एह बारे में शासनादेश जारी हो गइल बा.
  • केन्द्र सरकार बिहार के तीन गो शहरन के स्मार्ट सिटी बनावे का दिशाईं काम करी. एह खातिर पटना आ गया के चुन लिहल गइल बा. तिसरका शहर खातिर तीन गो नाम बा – मुजफ्फरपुर, भागलपुर अउर बिहारशरीफ के – जवना में से एगो के चुनल जाई.
  • जदयू के पुरान आ बड़का नेतन में शामिल सांसद रहल रंजन यादव जदयू से राजद के गठबन्हन से नाराज होके जदयू छोड़े के एलान क दिहले बाड़न. कहलन कि जदयू अपना राह से भटक गइल बिया एहसे एकरा संगे ना रहल जा सके.

 447 total views,  5 views today

%d bloggers like this: