web analytics

खबर भोजपुरी में (मंगल, 9 जून 2015)

सत्ता में आवे खातिर लालू यादव जहरो पी लीहें. काल्हु सोमार का दिने दिल्ली में उनुका मौजूदगी में मुलायम सिंह यादव नीतीश कुमार के बिहार विधानसभा चुनाव में मुख्यमंत्री पद के उम्मीदवार बनावे के एलान क दिहलें. एह पर लालू के कहना रहुवे कि बिहार में भाजपा के रोके आ जनता परिवार के सरकार बनावे … Read more

 87 total views

भोजपुरी में देश दुनिया के खबर (सोमार, 8 जून 2015)

बिहार विधानसभा चुनाव के तइयारी खातिर आपन गोटी सेट करे आ दोसरा के मामर हेठ करे में सबही लागल बा. अतवार का दिने दिल्ली में भइल बइठक में अतना त तय भइल कि राजद आ जदयू मिल के चुनाव लड़ीहें बाकिर मुख्यमंत्री के होखी आ केकरा कतना सीट मिली एह पर कवनो फैसला ना हो … Read more

 41 total views

भोजपुरी में देश दुनिया के खबर (अतवार, 7 जून 2015)

अपना विदेश यात्रा का दौरान हिन्दू मन्दिरन में पूजा अर्चना करे के परंपरा निभावत प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी बांगला देश का दौरो पर दुसरका दिने अतवार के ओहिजा के राजधानी ढाका के लालबाग स्थित ढाकेश्वरी मंदिर जा के पूजा-अर्चना कइलन. एकरा बाद ऊ रामकृष्ण मिशनो गइलन. जान जाईं कि श्री ढाकेश्वरी राष्ट्रीय मंदिर सरकार के अधीन … Read more

 50 total views,  5 views today

भोजपुरी में देश दुनिया के खबर (शनिचर, 6 जून 2015)

केन्द्रीय कृषि मंत्री राधा मोहन सिंह किसानन के भरोसा देत कहले बाड़न कि कम मानसून के असर में पड़े वाला इलाकन में केन्द्र का ओर से डीजल आ बीज के खरीददारी में सब्सिडी दीहल जाई. कहलन कि केन्द्र हालात से निपटे के पूरा तइयारी क के बइठल बावे. बिहार के आई.टी.आई. से निकलल विद्यार्थियन खातिर … Read more

 68 total views,  5 views today

भोजपुरी में देश दुनिया के खबर (बियफे, 4 जून 2015)

भारत आ अमरीका का बीच रक्षा उपकरण बनावे आ ओकरा तकनीकि के साझा में विकास के शुरुआत करत दस बरीस ला एगो नया समझौता पर दस्तखत भइल बा. दिल्ली में भइल एह समझौता पर रक्षा मंत्री मनोहर पर्रिकर आ भारत आइल अमरीकी रक्षा मंत्री एश्‍टन कार्टर कर दस्तखत भइल. जेट विमान आ विमानराखे वाला पोत … Read more

 41 total views,  5 views today

भोजपुरी में खबर (बुध, 3 जून 2015)

आसमान से बरसत आग का बीच काल्हु खबर आइल बा कि एह साल मानसून कमजोर रहे के अनेसा बा आ सूखा पड़ सकेला. सबले अधिका परेशानी उत्तर पश्चिम के राज्यन के झेले के पड़ी. मौसम विभाग के भविष्यवाणी वइसे पचहतरे फीसदी ले सही साबित होला बाकिर अबकी ओकर दावा सही खबर देबे के बा. अलनीनो … Read more

 52 total views

भोजपुरी में देश दुनिया के खबर (मंगल, 2 जून 2015)

सोामर का दिने पीएम मोदी एगो समाचार एजेन्सी यूएनआई के साक्षात्कार देत कहलन कि नीमन दिन त आ गइल बा. कहलन कि कवनो समुदाय का खिलाफ बेजा हरकत बरदाश्त ना कइल जाई. एह बात पर खुशी से उछलत टीवी मीडिया वाले एकरा के मोदी बनाम संघ के लड़ाई देखावे बनावे मे लाग गइले. बाकिर एह … Read more

 88 total views