Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

जरूरत बा वालंटियर्स के

भोजपुरी के आनलाइन अखबार टटका खबर के जरूरत बा स्मार्ट फोन राखे वाला वालंटियर्स के जे रोज अपना इलाका के खबर भोजपुरी में दे सको. एह काम में लागेवाला लोगन के कवनो तरह के भुगतान कइल सम्भव नइखे बाकिर मान सम्मान बनावे-बढ़ावे के भरपूर कोशिश रही. इच्छुक लोग अबहियें tatkakhabar@gmail.com प सम्पर्क करो.

RSS Feed

Archives for July 2015

टटका खबर : शुक, 31 जुलाई 2015 (अबेर)

लोकसभा में गृहमंत्री राजनाथ सिंह शुक का दिने कांग्रेस के याद दिअवलन कि यूपीए सरकार का दौरान ‘हिंदू आतंकवाद’ के जुमला गढ़ के देश में आतंकवाद का खिलाफ लड़ाई के कमजोर क दीहल गइल. एह बात ला हाफिज सईद तब सरहले रहुवे यूपीए सरकार के. कहलन कि मोदी सरकार अब एह तरह के शर्मनाक हालात

टटका खबर : शुक, 31 जुलाई 2015 (सबेर)

देवरिया जिला के भागलपुर में बियफे का दिने भइल विश्व भोजपुरी सम्मेलन के राष्ट्रीय कार्यकारिणी का बैठक में ओकर अध्यक्ष सतीश त्रिपाठी अपना पद से इस्तीफा देबे के मनसा जतवलन बाकिर संगठन पर पूरा नियन्त्रण राखे वाला अरुणेश नीरन सभका के पहिलहीं बता दिहले रहलन कि इनकर इस्तीफा नइखे सकारे के. कुछ सदस्य लोग के

टटका खबर : बियफे, 30 जुलाई 2015 (सबेर)

साल 1993 में मुम्‍बई शहर में बम विस्‍फोट करा के अढ़ाई सौ से बेसी लोग के जान लेबे वाला याकुब मेमन के फांसी चढ़वला से रोके खातिर सगरी कर्म आ कुकर्म करे वाला लोग सब जतन कर के थाक गइल. बीच अधरतिया सुप्रीम कोर्ट के दुआर ठकठका के रात बेरा सुप्रीम कोर्ट के खोले खातिर

टटका खबर : बुध, 29 जुलाई 2015 (अबेर)

मानवता आ देश के दुश्मन याकूब मेमन के फाँसी रोके खातिर दीहल याचिका आजु सुप्रीम कोर्ट खारिज कर दिहलसि. ओने महाराष्ट्र के राज्यपाल दुबारा मिलल दया याचिका खारिज कर दिहलन. अब रह गइल राष्ट्रपति का लगे फेरू भेजल दया याचिका जवना के खारिज करे के सलाह केन्द्र सरकार दे दिहले बिया. बाकिर राष्ट्रपति ओकरा बाद

टटका खबर : बुध, 29 जुलाई 2015 (सबेर)

बलिया जिला के रसड़ा में एगो भोजपुरी फिलिम के शूटिंग शेड्युल का दौरान रात में अपना पति संगे सूतल नायिका रुपाली पर फिलिम के निर्देशके तेजाब फेंक के मरद मेहरारू के झउँसा दिहलसि. निर्देशक सुखपुरा इलाका के मिड्ढा गाँव के अजय पुजारी के एह मामिला में गिरफ्तार कर लीहल बा. नायिका रुपाली गाजीपुर के रेहाती

टटका खबर : मंगल, 28 जुलाई 2015 (अबेर)

शनिचर का साँझ शिलांग में निधन का बाद डा. कलाम साहब के पार्थिव शरीर आजु वायु सेना के विमान से दिल्ली ले आइल गइल आ बाद में उनुका सरकारी निवास पर राखल गइल जहाँ भारी संख्या में लोग चहुँपल आ कलाम साहब के आपन श्रद्धांजलि दीहल. हवाई अड्डा पर पार्थिव शरीर चहुँपे का बेरा ओहिजा

टटका खबर : मंगल, 28 जुलाई 2015 (सबेर)

देश के राष्‍ट्रपति रहल डॉ एपीजे अब्‍दुल कलाम के निधन पर देश मेें सगरो शोक के लहर पसर गइल बा. राष्ट्रपति, उपराष्ट्रपति, प्रधानमंत्री, समेत खासमखास लोग आ आम जनतो आपन आपन शोक जतावे में लागल बा. एह शोक जताओ में कांग्रेसो के लोग शामिल बा जे कलाम के एह जोग ना मानल कि उनुका के

टटका खबर : सोमार, 27 जुलाई 2015 (अबेर)

ना रहलन मिसाइल मैन अब्दुल कलाम. आजु सोमार 27 जुलाई का साँझ शिलांग के आईआईएम में व्याख्यान देत घरी साँझ करीब साढ़े छह बजे देश के राष्ट्रपति रहल अब्दुल कलाम के 84 साल का उमिर में दिल के दौरा पड़ल आ कुछे देर बाद अस्पताल में उनकर मौत हो गइल. कलाम साहब के मौत पर

मिसाइलमैन अब्दुल कलाम उड़ गइलन

भारत के राष्ट्रपति रहल, परमाणु वैज्ञानिक, महान राष्ट्रभक्त, सरस्वती साधक अवुल पकीर जैनुलाब्दीन अब्दुल कलाम साहब के आज अचानके निधन हो गइल. देश दुनिया में मिसाइल मैन का नाम से मशहूर अब्दुल कलाम साहब के याद ना रहल कि जब मिसाइल छोड़ल जाले त ओकरा पहिले पूरा तइयारी होला आ पल पल के हिसाब राखे

टटका खबर : अतवार, 26 जुलाई 2015 (अबेर)

257 लोग के जान लेबे वाला आतंकी याकूब मेनन के पैरवी कइला का बाद आलोचना के बाढ़ देख बालीवुड स्टार सलमान खान आपन ट्विट वापिस कर लिहलन आ लोग से माफी मँगलन कि अइसन ट्विट करे के गलती क दिहलन. बाकिर एह बीच 40 जने राष्ट्रपति का लगे गोहार लगवले बाड़न कि याकूब के फाँसी

Older Posts››