- बिहार में आजु भइल विधान परिषद के 24 गो सीटन ला मतदान में करीब 94 फीसदी वोट पड़े के खबर बा. वोट गिने के काम 10 जुलाई के होखी. आजु पटना के एगो मतदान केन्द्र पर वोट डाले आइल मंत्री ललन सिंह आ पीके शाही पर एफआइआर दर्ज कर लीहल गइल जवना के जानकारी मिलला का बाद ई लोग थाना में सरेण्डर कर दिहलसि. वइसे मतदान कुल मिलाके शांत रहल.
- मुस्लिम राजनीति करे खातिर जानल जाए वाला एआईएमआईएम के अध्यक्ष असदुद्दीन ओवैसी यूपी विधानसभा के अगिला चुनाव में उतरे के ऐलान कर दिहले बाड़न. एह के नजर में राखत रमजान का मौका पर जगहे जगह इफ्तार पार्टी देबे के फैसला कइले बिया. ओवैसी के पार्टी के एह तरह मैदान में उतरला से सबले अधिका नुकसान मुलायम सिंह यादव के गोल समाजवादी पार्टी के होखे जा रहल बा. काहे कि उनकर आधार में मुसलमान आ यादव समुदाय के वोट बा.
- यूपी के जंगल राज में बाराबंकी थाना में एगो औरत के जरा के मार देबे के मामला सामने आइल बा. एह मामिला के न्यायिक जांच के आदेश
दे दीहल गइल बा. मरे वाली महिला के आरोप रहे कि अपना मरद के छोड़ावे खातिर घूस देबे से मना कइला पर पुलिस वाले ओकरा के जरा दिहले. बाद में ओह महिला नीतू द्विवेदी के आजु अस्पताल में मौत हो गइल. - यूपी में पुलिस के इकबाल कइसन बा एकर नमूना आजु देवरिया में देखे के मिल गइल जबा सपा नेता पुलिस का गिरफ्त से अपराधी के छोड़वा के भगा दिहले. ऊ अपराधी एगो सपा नेता के भतीजा हवे आ पुलिसो से खूब बदतमीजी कइले रहुवे. एगो झगड़ा वाला जमीन पर नाजायज कब्जा क के ओहपर यादव छात्रावास बनावत घरी ओकरा के रोके पुलिस चहुँपल त ऊ आपन दबंगई देखावे लागल. पुलिस से हाथापाईओ कइलसि. बाद में ओकरा के पकड़ के ले आइल पुलिस त सपा के लोग पुलिस से ओकरा के छोड़वा भगावल.
- पिछला सरकार के फुरसते ना रहुवे कि विदेशन से देश के संबध सुधारे भा पोढ़ करे के काम करे. एकर नतीजा ई भइल कि चीन भारत के चारो तरफ आपन जाल बिछावे में कामयाब हो गइल आ संप्रग सरकार एकर कवनो परवाह ना कइलसि. मध्य एशिया के पाँच गो देश का यात्रा पर निकलल पीएम मोदी अब ओह देशन से भारत के नाता सुधारे में लागल बाड़न. बाकिर चीन एह मामिला में अतना आगे निकल गइल बा कि ई काम सहज नइखे रहि गइल. देखल जाव कि कवना हद ले नुकसान के कम करे के कोशिश हो पावत बा.
- मध्यप्रदेश के मुख्यमंत्री शिवराज सिंह चौहान व्यापम मामला के सीबीआई जांच करावे खातिर सहमत हो गइल बाड़न. अब राज्य सरकार उच्च न्यायालय से एह घोटाला के सीबीआई जांच के अनुमति देबे के गोहार लगाई.
- सुप्रीम कोर्ट में सगरी राष्ट्रीय आ ईलाकाई राजनीतिक गोलन आ सरकारी संगठनन के सूचना के अधिकार अधिनियम के तहत लेआवे का बारे में दायर एगो याचिका का बारे में सुप्रीम कोर्ट भाजपा आ कांग्रेस समेत छह गो राजनीतिक गोलन के नोटिस भेजले बिया.
- राष्ट्रीय स्तर पर न्यूनतम रोजाना मजदूरी 137 रूपिया से बढ़ाके 160 रूपिया रोजाना कर दीहल गइल बा. ई दर एह महीना के पहिला तारीख से लागू मानल जाई. केन्द्र से सगरी राज्य सरकारन के एह संशोधन के लागू करावे के कहल गइल बा जेहसे मजदूरन के सही मजूरी मिल सको.
- अंजिक्य रहाणे के कप्तानी में जिम्बाब्वे से तीन गो एकदिना आ दू गो बीसबीसा खेले खातिर भारत के क्रिकेट टीम आजु सबेरे जिम्बाब्वे खातिर रवाना हो गइल बिया.पहिलका एकदिना शुक का दिने हरारे में खेलल जाई.
- भाजपा आ कांग्रेस के कहना बा कि दिल्ली के पूरा राज्य के दर्जा बनावे का मुद्दा पर जनमत संग्रह करावे के बात गैर संवैधानिक होखी बाकिर आआपा पार्टी ना त कबो संविधान के परवाह कइले बिया ना आगे करे वाली बा.
- भारत के महिला क्रिकेट खिलाड़ी मिताली राज एकदिना मैचन में पाँच हजार रन बनावे वाली दुनिया के दुसरकी आ भारत के पहिलकी खिलाड़ी बन गइल बाड़ी. न्यूजीलैंड से होखत चउथका एकदिना में मिताली 81 रन बनवली. भारत ई मैच जीत के दू दू मैच के बरोबरी पर आ गइल बा आ अब आखिरी एकदिना में सीरिज के फैसला होखी.
- तुर्की के एगो हवाई जहाज में बम होखे का खबर का बाद ओकरा के दिल्ली का हवाई अड्डा पर उतार लीहल गइल. जहाज के जाँच करे खातिर एनएसजी कमांडो चहुँप के सवारियन से पूछताछ कइले. सगरी 150 सवारियन के सही सलामत निकाल लीहल गइल बाकिर कवनो बम ना मिलल. हवाइ जहाज के टायलेट में केहू लाल लिपस्टिक से बम के खबर लिखले रहुवे.
- इस्लामी आतंकवादी संगठन इस्लामिक स्टेट उत्तरी इराक के मोसूल शहर का अगल बगल से नाहियो त 110 विद्यार्थियन के अपहरण कर लिहले बावे आ एकनी के सैनिक प्रशिक्षण देबे खातिर भेज दिहले बावे.
- यूपी में खुले वाला 26 गो नयका मॉडल डिग्री कॉलेजन खातिर 1200 शिक्षकन के बहाली होखे वाला बा. शैक्षिक रुप से पिछड़ल जिलन में एह माॅडल काॅलेजन के खोलल जाई. एहिजा आधुनिक सुविधा आ बेहतरीन भवन में बढ़िया पढ़ाई के व्यवस्था रही.
- केंद्रीय दूरसंचार मंत्री रविशंकर प्रसाद आजु मंगल का दिने कहलन कि मोबाइल से होखे वाला रेडिएशन ले के कुछ अधिके तेजी देखावल जात बा. सरकार के कोशिश बा कि सगरी सरकारी बिल्डिंगन पर मोबाइल टावर लगावल जाए जेहसे कि मोबाइल कनेक्टीविटी बेहतर हो सके. कहलन कि रेडिएशन का बारे विश्व स्वास्थ्य संगठन कह चुकल बा कि मोबाइल टावर से कवनो तरह के नुकसानदेह रेडिएशन ना होखे.
- ग्रीस संकट के अहजह बनल रहला का चलते आजु शेयर बाजार में मामूली गिरावट देखे के मिलल. सेंसेक्स 37.07 अंक गिरके आ निफ्टी 11 अंक गिर के बंद भइल.
- एगो अपराधी के छोड़ावे खातिर भइल धरना प्रदर्शन के गैरकानूनी बतावत कांग्रेस के बिहार अध्यक्ष अशोक चौधरी का खिलाफ मामला दर्ज हो गइल बा. दू बरीस पहिले 22 जुलाई 2013 का दिने बिहार सरकार के मंत्री पीके शाही का घर पर कांग्रेस के लोग बवाल कइले रहुवे जवना के अगुआ रहलन अशोक चौधरी.
- यूपी सरकार के बड़हन झटका देत सुप्रीम कोर्ट कह दिहलसि कि राज्य के पौने दू लाख शिक्षामित्रन के सहायक शिक्षक बनावल एकदम गलत आ नियम विरूद्ध बा. अब एह बहाली पर पूरा रोक लगा दीहल गइल बा.
378 total views, 5 views today