- बुध का दिने सारण प्रमंडल में ठनका गिरला से पाँच लोग के मौत हो गइल आ दस जने झँउस गइलन. घटना परसा के डेरनी थाना के खोजौली गाँव, पानापुर के मुड़वा गाँव, आ सिवान जिला के हसनपुरा के छोटकी टड़िला में भइल.
- बिहार सरकार जेपी आन्दोलन के सेनानियन के पेंशन दुगुना करे के एलान कइले बिया. कैबिनेट काल्ह एकरा के मंजूरी दे दिहलसि. छह महीना से कम के जेल काटे वालन के अब पाँच हजार आ अधिका समय जेल में रहे वालन के दस हजार रुपिया महीना मिलल करी.
- बुध का दिने सिवान जिला के हनुमत नगर गाँव में भाजपा के जिलाध्यक्ष अभिमन्यु कुमार सिंह का चाचा वकील सिंह का खटाल पर हमला भइल जवना से उनुका नौकर के मौत हो गइल. ऊ बेचारा दरौली थाना के शहजनिया पकरी गाँव के रहुवे.
- हड़ताल करे वाला पंचायत रोजगार सेवकन के बर्खास्तगी में अब 114 गो अउरी पंचायत रोजगार सेवकन के बरखास्त कर दिहले बावे सारण प्रशासन. एहसे पहिलहु 36 जने के बर्खास्त कइल गइल रहुवे.
- मशरख ब्लाॅक के गंडामन स्कूल में जहर वाला मिडडे मील खइला से भइल 23 गो बचवन के मौत का मामिला में बुध का दिने अदालत में हादसा के खबर देबे वाला के गवाही करावल गइल.
- छपरा बीएसएनएल जिला के अढ़ाई सौ पंचायतन के ब्राड बैंड से जोड़ देबे के दावा कइले बा. एह बात के जानकारी ओकर महाप्रबंधक आलोक कुमार बुध का दिने प्रेस के बतवलन.
- मशरख के बंगरा काली स्थान का लगे का एगो दुकान से मंगल के रात में चोरी कर के करीब साथ हजार के सामान आ नगदी चोरा लिहल गइल बा.
- दू दिन से छपरा शहर फीडर-2 में होखत बिजली के कटौती से परेशान बा. हाल ई हो गइल बा कि मोबाइलो चार्ज कइल दुलम हो चलल बा. ओने बिजली विभाग निहोरा करत बा कि ओतने बिजली जराईं सभे जवना बिना काम नइखे चले वाला.
- मशरख में एगो स्कूली छात्र से सामूहिक कुकर्म करे वालन में से एगो अनेरिया अतुल कुमार के बुध का दिने पुलिस गिरफ्तार कर लिहलस आ एगो अउरी आरोपी के गिरफ्तार करे ला छापा मारत बिया.
- छपरा-सिवान रेल खंड के एकमा आ दाउदपुर टीसनन का बीच हेकाम गांव का लगे बुध का दिने 35 बरीस उमिर के एगो आदमी लिच्छवी एक्सप्रेस का सोझा कूद के जान दे दिहलसि.
- अपना सिनेमा बंधन के प्रोमो करे निकलल भोजपुरी सिनेमा के स्टार आ गायक खेसारी लाल यादव बुध का दिने छपरा के पंकज टाकिज चहुँप के दर्शकन से बतियवलन. खेसारी के घर रसूलपुर का लगे धानाडीह हवे.
- बेगूसराय के तेघड़ा में एगो बस के मोटरसाइकिल से चहेट ओह पर चढ़के एगो सवारी के गोली मार दिहले सँ तीन गो बदमाश. मरे वाला बछवाड़ा के रमाशंकर झा रहलन आ हत्या जमीन के झगड़ा ले के भइल बतावल जात बा.
331 total views, 5 views today