web analytics

छपरा न्यूज : 10 जुलाई 2015

  • राहुल सांस्कृत्यायन के शब्दन में भोजपुरी के शेक्सपीयर भा अनगढ़ हीरा कहाए वाला लोककलाकार भिखारी ठाकुर के आजु पुण्यतिथि ह. आजु के दिन भोजपुरी समाज के समस्या पर एगो सहज नजर राखे वाला आ ओकर सहजे समाधानो सुझावे वाला भिखारी ठाकुर के हार्दिक श्रद्धांजलि.

    लोकमन के कुशल चितेरा भिखारी के जनम सारण जिला के कोटवा पट्टी के कुतुबपुर दियारा में साल 1887 के 18 दिसंबर का दिने दल सिंगार ठाकुर के बेटा का रूप में भइल रहुवे.
    बाद में ऊ दिघवारा के फकुली के बाबू बसुनायक सिंह के आपन गुरु मान के गीत नाटक लिखे आ ओकरा के अपना मंडली में पेश करे लगलन.

    भिखारी ठाकुर के लिखल गीत नाटकन के साल 2005 में बिहार राष्ट्रभाषा परिषद भिखारी ठाकुर रचनावली के प्रकाशन कइलसि जवना के संपादक रहलन डा. वीरेन्द्र नारायण यादव.

    सामाजिक सरोकारन से हमेशा जुड़ल रहेवाला एह लोकमनई भिखारी ठाकुर के निधन 10 जुलाई 1971 का दिने भइल रहुवे. आजु का दिने सगरी भोजपुरी समाज उनुका के आपन श्रद्धांजलि दी.

    पुण्यतिथि के एक दिन पहिले जेपी विश्वविद्यालय, छपरा के एनसीसी आ एनएसएस कैडेट बियफे का दिने छपरा के भिखारी ठाकुर चौक के साफ-सफाई कइलन.

  • भाजपा नेता सुशील मोदी के कहना बा कि नरेन्द्र मोदी के अइला के खबर सुन के नीतीश कुमार बौखला गइल बाड़े आ अनाप शनाप बकत बाड़ें. कहलन कि विकास से 36 के रिश्ता राखे वाला लालू के आ भ्रष्टाचारी कांग्रेस से दोस्ती के ई असर ह.
  • फर्जी शिक्षक लोगन के इस्तीफा देबे के आखिरी तारीख बियफे का दिने खतम हो गइल. अबहीं ले करीब सवा दू सौ शिक्षक इस्तीफा दिहले बाड़न. एकरा बाद जेकर प्रमाणपत्त फर्जी मिली उनुका खिलाफ कानूनी कार्रवाई करी राज्य सरकार.
  • 14 जुलाई के बनियापुर आवे के कार्यक्रम बा मुख्यमंत्री रहल जीतन राम माँझी के. एह दिन के कार्यक्रम में जनता के बड़हन सहभागिता होखे एकरा खातिर उनकर हिन्दुस्तानी अवाम मोर्चा लागल बा.
  • अमनौर प्रखंड के अगुआन गांव में बुध का रात अचके में लागल आग से दू गो मँड़ई जर गइलीं सँ जवना से गरीब परिवारन के हजारन के घर गिरस्थी के सामान जर के राख हो गइल. एह लोग के कवनो सरकारी सहायता मिले के खबर नइखे.
  • गोपालगंज के कमला राय महाविद्यालय से दू दिन पहिले एगो लड़िकी के ओकरे गाँव के कुछ नवही उठा ले जाए के कोशिश कइलन. एह बारे में थाना में शिकायत दर्ज भइला का बाद एगो आरोपी शमशाद मियाँ के गिरफ्तार कर लीहल गइल बा.
  • जलालपुर के रूसी गम्हरिया गांव से मारपीट करे के एगो आरोपी धनंजय गिरि के पुलिस गिरफ्तार क के जेल भेज दिहले बिया.
  • सारण जिले के मशरख के डोमर्सन बाजार से एगो माओवादी बदमाश गणेश शर्मा के पुलिस गिरफ्तार कर लिहलसि.
  • सारण जिले के मढ़ौरा इलाका के ओलहनपुर गांव का लगे कुछ बदमाश एगो चावल व्यवसायी के कर्मचारी से तीन लाख छत्तीस हजार रूपिया छीन भगले.

 189 total views,  2 views today

%d bloggers like this: