web analytics

बलिया न्यूज : 10 जुलाई 2015

  • सदर कोतवाली के महावीर घाट हनुमान मंदिर का नियरा बियफे का साँझ मोटर साइकिल सवार दू गो बदमाश मोहन छपरा गांव के प्रधान सुरेंद्र प्रसाद बाइक पर पीछै बइठल प्रापर्टी डीलर विजय ठाकुर के गोली मार के भाग परइलें सँ. ठावें पर उनकर मौत हो गइल बाकिर लथपथ देह लेके लोग जिला अस्पताल चहुँपल जहाँ उनुका के मरल घोषित क दिहलें डाक्टर. पुलिस प्रधान से पूछताछ कइलसि बाकिर अबहीं ले कवनो सुराग नइखे मिलल.
  • एनआरएचएम घोटाला के आँच एक बेर फेरू यूपी के स्वास्थ्य महकमा पर लागे लागल बा. बुध का दिने लखनऊ, गोरखपुर, आ कानपुर में स्वास्थ्य विभाग जे जुड़ल आठ जगहा छापा मार के कुछ दस्तावेज बिटोरलसि सीबीआई. हालही में विभाग में लागल आगो से एकरा के जोड़ के देखल जात बा जवना में बहुते कुछ जरा दीहल गइल रहे. सीबीआई कुष्ठ निवारण आ जननी सुरक्षा से जुड़ल लोगन पर खास धेयान देत बिया. एह विभागन में तीन करोड़ से बेसी के हेराफेरी भइल बा.
  • सपा नेता अमरमणि त्रिपाठी के बेटा पतोह काल्हु बियफे का दिने अपना कार से लखनऊ से दिल्ली जाए का राह में हादसा के शिकार हो गइल. एगो मोटरसाइकिल वाला के बचावे का फेर में एह लोग के कार सिरसागंज के गुंजन चौराहा का लगे पलट गइल आ अमरमणि त्रिपाठी के पतोहु के मौत हो गइल. बेटा अमनमणि घवाहिल हो के बाँच गइलन. कई गो अपराधन में शामिल रहल अमनमणि के पुलिस गिरफ्तार कर लिहले बिया. अमरमणि पहिलहीं से हत्या का मामिला में जेल में बाड़न.
  • अखिल भारतीय विद्यार्थी परिषद के स्थापना दिवस का मौका पर बियफे का दिने रसड़ा शाखा के बइठक श्रीनाथ मठ परिसर में भइल जवना में अध्यक्ष अविनाश उपाध्याय, मंत्री आशुतोष जायसवाल, उपाध्यक्ष दुर्गेश सिंह, आ महामंत्री रोहित वर्मा के बनावल गइल. एह मौका पर प्रदेश कार्यकारिणी के सदस्य मयंक शेखर मौजूद रहलन.
  • बलिया जिला में समाजवादी पेशन योजना में माल काटे वाला डेढ़ सौ लोग से अब विभाग वसूली करे के फैसला कइले बा काहे कि ई लोग गलत तरीका से ई सुविधा उठवले बा. एकर शिकायत सिकन्दरपुर से सपा विधायक मो. रिजवी कइले रहुवन.
  • शोभा छपरा के रमेश सिंह के बेटा रणवीर सिंह आईएएस में चुनइला का बाद काल्हु जब सुरेमनपुर टीसन पर उतरलन त लोग बैंड बाजा आ फूल माला ले के उनकर स्वागत कइल आ कान्हे पर बइठा के बहुत दूर ले ले गइल लोग. पाँच भाई बहिन में सबसे बड़ रणवीर बहुते पूजा करे वाला हऊवन आ नोएडा में विप्रो में इंजीनियर रहुवन. बाद में नौकरी छोड़ के इलाहाबाद से तइयारी कइलन.
  • उत्तर प्रदेश कांग्रेस कमेटी में संगठन मंत्री रहल आ बलिया कांग्रेस के जिलाध्यक्ष रहल राजीव उपाध्याय के प्रदेश महासचिव बनावल गइल बा.
  • सुखपुरा के सरूआ गांव में छेड़खानी करे वाला एगो नवही के लोग बियफे का दिने जम के धून दीहल. बहुते घवाहिल हो चुकल एह आशिक के इलाज अब जिला अस्पताल में चलत बा.
  • बियफे का दिने गाजीपुर जिला में कई एक जगहा ठनका गिरल जवना का चलते रोहिली गाँव के एगो मेहरारू के मौत हो गइल आ दोसरा जगहन पर नाहियो त दस लोग झउँस गइल बा.
  • मौसम विभाग के कहना बा कि शुक आ शनिचर का दिने यूपी में जोरदार बरखा होखी.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: