Go to ...
RSS Feed

छपरा न्यूज : 13 जुलाई 2015


  • NaMoप्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी 25 जुलाई के आईआईटी, पटना के बिहटा वाला नयका कैपस के उद्घाटन करे आवत बाड़े आ ओही दिने एस के मेमोरियल हाॅल में भारतीय कृृषि अनुसंधान परिषद के सालाना बइठको के संबोधित करीहें. मुजफ्फरपुर से भाजपा के चुनावी शंखनाद ओही दिने करे वाला बाड़न पीएम.
  • भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष अमित शाह 16 जुलाई का दिने पटना गांधी मैदान से पार्टी के प्रचार रथन के रवाना करीहें. एह मौका पर केन्द्रीय मंत्री राम विलास पासवान अउर उपेन्द्र कुशवाहा, बिहार भाजपा के नेता सुशील कुमार मोदी, नंद किशोर यादव वगैरह आ हम के नेता जीतन राम मांझी समेत एनडीए के तमाम माथ नेता मौजूद रहीहें.
  • केन्द्रीय कौशल विकास राज्य मंत्री राजीव प्रताप रूढ़ी काल्हु अतवार का दिने पटना में बतवलन कि सारण जिला के मढ़ौरा आईटीआई के मॉडल औद्योगिक प्रशिक्षण संस्थान बनावल जाई. एकरा खातिर मढ़ौरा आईटीआई के दस करोड़ रूपये दीहल गइल बा.
  • बिहार में मतदाता सूची के सुधार के काम जारी बा आ नाम दर्ज करावे भा हटावे खातिर आवेदन करे के आजु आखिरी तारीख हवे. सुधारल सूची 31 जुलाई के प्रकाशित होखी.
  • केन्द्रीय मंत्री राम विलास पासवान का घरे करावल इफ्तार पार्टी में भाजपा के सुशील कुमार मोदी समेत अनेके बड़का नेता मौजूद रहलें.
  • बोधगया के महाबोधि मंदिर के उड़ावे के धमकी मिलला का बाद पुलिस तीन जने के एह मामिला में गिरफ्तार कर लिहले बिया. इहे लोग मैसेज भेजले रहुवे.
  • बिहार विधानसभा चुनाव खातिर राजनीतिक गोल आपन सूची रिलीज करे लगलें आ सबले पहिला सूची जारी कइले बिया बसपा. एकरा सूची में 49 गो प्रत्याशियन के नाम बा जवना में से 11 गो मुसलमान बाड़े.
  • पहिलका पिछड़ा प्रधानमंत्री के नाम पर शुरू भइल बतकुच्चन में भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष मंगल पाण्डेय पूछले बाड़न कि लालू प्रसाद आ नीतीश कुमार बतावसु कि तब प्रधानमंत्री रहल एचडी देवेगौड़ा आ हाल ही में मुख्यमंत्री रहल जीतन राम मांझी के के हटावल. लालू प्रसाद जवना तरीका से देवगौडा के हटवलें ना त ओकरा के देश भुलवले बा ना जीतन राम माँझी के हटावे के नीतीश के काम के.
  • चिकित्सा विभाग के लोग खुश हो गइल बा कि पोलियो टीकाकरण अब जल्दी खतम ना हो पाई काहे कि सारण जिला के एकमा प्रखण्ड के एगो गाँव के पाँच बरीस के लड़िका में पोलियो के शुरुआती लक्छन मिलल बा आ अब कम से कम तीन बरीस ले अउर चलावे के पड़ी पोलिया अभियान.
  • नगर पंचायत परसा के चुनाव अतवार का दिने शांति से पूरा हो गइल. 22 गो वार्ड में से 10 नं. वार्ड से किशोरी देवी बिना विरोध चुना गइली बाकिर बाकी 21 जगहा ला वोट करावल गइल. 60 फीसदी लोग वोट डालल.
  • सिवान जिला के दरौली थाना ‎इलाका में होखत अपराधन से नाराज ऐपवा के झंडा तरे सैकड़ों महिला अतवार का दिने थाना घेर लिहली. एह लोग के शिकायत रहुवे कि बलहूं आ चंदौर में नाबालिगन का साथे भइल कुकर्म के अपराधी अबहीं ले ना पकड़‎इले सँ. थानाध्यक्ष रवीन्द्र मोची दस दिन का भीतर सगरी आरोपियन पर कार्रवाई करे के वादा कर के घेराव हटववलें.
  • गोपालगंज जिला के श्रीपुर चौकी पुलिस अतवार का दिने बंशी बतरहां मोड़ के एगो शराब दुकान पर जुटल अपराधियन में से एगो के असलहा समेत गिरफ्तार कर लिहलसि. ओकरा पर अलीचक गांव का लगे के पेट्रोल पंप से पांच लाख लूटे के आरोप बा.
  • थावे जंक्शन से अतवार का दिने तीन गो नवहियन के आरपीएफ गिरफ्तार कर लिहलस. ई लोग बिना कवनो जायज कारण प्लेटफार्म पर घूमत रहुवे. सिगरेट पियत तीन गो दोसरा नवहियन के दू दू सौ रुपिया जुर्माना ले के छोड़ दीहल गइल.
  • सिवान जिला के मदारपुर में अतवार का दिने लोग नेशनल हाईवे जाम क के घंटन प्रदर्शन कइल. एह लोग के शिकायत रहुवे कि बरबाद भइल फसल के मुआवजा अबहीं ले नइखे मिलल.

Tags: , , , , , , , ,

More Stories From बिहार

%d bloggers like this: