प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी आजु नई दिल्ली के विज्ञान भवन में स्किल इंडिया अभियान के शुरूआत कइलन. एही साथे राष्ट्रीय कौशल विकास मिशनो के औपचारिक शुरूआत भइल आ राष्ट्रीय कौशल विकास तथा उद्यमिता नीति 2015 के अनावरण कइल गइल. पीएम बतवनी कि कौशल विकास मिशन ओह विद्यार्थियन ला बा जे कवनो कारण से आपन पढ़ाई पूरा ना कर पावस. कहलन कि कौशल विकास का जरिए सरकार गरीबी का खिलाफ लड़ाई छेड़ दहले बिया.
- आजु नीति आयोग के बइठक के अध्यक्षता करत प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी कहनी कि भूमि अधिग्रहण विधेयक के राह में राजनीति ना आवे के चाहीं. एह बइठक में शामिल मुख्यमंत्रियन के कहना रहुवे कि अगर केन्द्र सरकार पूरा देश खातिर भूमि अधिग्रहण विधेयक पास नइखे करा पावत त राज्यन के अधिकार दे देव कि ऊ अपना हिसाब से अपना राज्य ला कानून बना लेव. नीति आयोग के बइठक में कवनो कांग्रेसी मुख्यमंत्री ना अइलें आ ममता, जयललिता, अउर नवीन पटनायको शामिल ना भइलें. गैर भाजपा मुख्यमंग्रियन में अरविन्द केजरीवाल आ नीतीश कुमार बइठक में शामिल भइलें.
- सी बी आई बुध का दिने मध्य प्रदेश के व्यापम घोटाला में तीन गो मामिला दर्ज करा दिहलसि. पहिलका में प्री-मेडिकल टेस्ट 2010 पास करे वाला 21 गो उम्मीदवारन का खिलाफ, दुसरका में प्री-पी.जी. ग्रेजुएट परीक्षा के आठ गो अभियुक्तन का खिलाफ आ तिसरका में साल 2009 आ 2010 का बीच पी एम टी टैस्ट में अवैध तरीका इस्तेमाल करे वाला 28 जने के नाम शामिल कइल गइल बा.
- ढेर दिन से खबर में ना आवे वाला आदती हड़ताली अन्ना हजारे 2 अक्टूबर का दिन से रामलीला मैदान पर बेमियादी अनशन करे के कहले बाड़न. अबकी उनकर मुद्दा रही एक रैंक एक पेंशन के आ भूमि अधिग्रहण विधेयक का खिलाफ. देखे जोग होखी कि उनुका कतना समर्थक मिलत बाड़े. काहे कि उनकर चेला त अब उनुको ले बड़का गुरुघटाल बन गइल बा.
- भारतीय महिला क्रिकेट टीम आजु न्यूजीलैंड से तीन मैच के सीरिज के आखिरी बीसबीसा मैच तीन विकेट जीत लिहलसि. बेंगलूरु में भइल मैच में पहिले खेलत न्यूजीलैंड 126 रन बनवले रहुवे जवना का जवाब में भारत के महिला टीम सात विकेट का नुकसान पर 128 रन बना लिहलसि. बाकिर पहिले खेलल दुनू मैच हार के भारत के महिला टीम सीरिज गवां चुकल बिया.
- मुलायम सिंह से रार ठाने वाला आ निलंबित आईजी अमिताभ ठाकुर के कहना बा कि ऊ इस्तीफा ना दीहें काहे कि ओकरा बाद उनकर हत्या करावल सहज हो जाई. लोग अब अनुमान लगावत बा कि अमिताभ ठाकुर शायद अब राजनीति का मैदान में उतर जासु. ओने उनुका खिलाफ एगो अउरी मुकदमा दर्ज करावल गइल बा शाहजहाँपुर के सपा नेता फिरोज बेग का नाम से.
- आजु बुध का दिने बलिया के लोग दिन भर बरखा का बाद भइल उमस में उफनइले बाकिर बिजली रानी के दर्शन दिन भर नाहिए भइल.
- बलिया के बेल्थरा मार्ग पर तिलौली गांव का लगे एगो गाय से टकरा के मोटरसाइकिल चलावत एगो नवही के मौत हो गइल. पीछे बइठल दोसर नवही घवाहिल हो गइल बा. दुनू सार बहनोई रहलें आ एगो जनाजा में शामिल होखे जात रहलें.
- पाकिस्तानी सेना के दावा बा कि ऊ आजु एगो भारतीय ‘जासूस’ ड्रोन के मार गिरवलसि जवन हवाई फोटोग्राफी करे में लागल रहुवे.
- मुंबई धमाकन के मुख्य आरोपी याकूब मेमन के 30 जुलाई का दिने फांसी चढ़ावल जाई बाकिर ओकरा तरफ से बोले वालन के कहना बा कि मुसलमान होखला का चलते ओकरा के फाँसी दीहल जात बा ना त दू सौ बेगुनाहन के जान ले के ऊ कवनो बड़का गलती नइखे कइले. एह लोग के बात मान लीहल जाव त कवनो मुसलमान अपराधी के सजा ना दीहल जा सके. ओकरा पूरा छूट मिले के चाहीं कि जब चाहे जतना लोग के जान ले लेव बाकिर ओकर जान ना जाए के चाहीं. याकूब मेनन का तरफदारी में सपा नेता अबू आजमी खुल के बोलत बाड़ें.
- बाम्बे स्टाक एक्सचेंज के सेंसेक्स आज 265 अंक बढ़ के आ निफ्टी 70 अंक बढ़ के बंद भइल. बाजार में आइल उछाल का पाछे ईरान का साथे भइल छह गो देशन के परमाणु समझौता बतावल जात बा. वइसे हर बढ़त आ हर गिरावट का पाछे जानकार लोग कवनो ना कवनो कारण बता देलें बाकिर तबो केहू ना जाने कि काल्हु का होखे वाला बा.
- साल 2009 से शुरू भइल चैंपियंस लीग बीसबीसा क्रिकेट टूर्नामेंट अब ना खेलल जाई. आयोजकन के कहना बा कि अब एकरा के देखे वाला नइखन भेंटात.
- सारण जिला के मशरख थाना के सिकटी गाँव में जहरीला ताड़ी पियला से दू जने के मौत हो गइल आ पाँच जने के तबियत खराब हो गइल बा. ताड़ी बेचे वाला के पुलिस गिरफ्तार कर लिहले बिया.
- बिहार के अदालतन में बुध का दिने कवनो काम काज ना हो सकल काहे कि करीब एक लाख वकील आजु हड़ताल पर रहलें. बुध के हड़ताल भ्रष्टाचार का खिलाफ रहुवे आ एह लोग के मांग बा कि निचला अदालतन के भ्रष्टाचार रोके खातिर निगरानी विभाग के जाँच के अधिकार दीहल जाव.
- पेट्रोल आ डीजल के दाम में आजु रात से दू दू रुपिया हर लीटर पर दाम घटा दीहल जाई. तेल कंपनी एकर एलान कइले बाड़ी सँ.
- तत्काल टिकट लेबे खातिर अब बुकिंग का बेरा कवनो पहचानपत्र के नंबर दर्ज करावल जरूरी ना होखे. फोटो वाला दस तरह के पहचानपत्र में से कवनो एगो पहचानपत्र देझावे के पडी आ यात्रो का दौरान टीटी के कवनो एगो पहचानपत्र देखवला से काम चल जाई. मौजूदा कड़ा नियम के 1 सितंबर से बदल दीहल जाई.
120 total views, 3 views today