- बलिया में मंगल का दिने विकास का नाम पर बोलावल बइठक में भाजपा सांसद भरत सिंह आ सपा के राज्यसभा सांसद नीरज शेखर का बीच हाथापाई के नौबत आ गइल जब एगो सवाल पर भरत सिंह नीरज शेखर के कह दिहलन कि रउरा जाईं, रेव पार्टी करीं. बाकिर सलेमपुर से भाजपा सांसद रवीन्द्र कुशवाहा आ जिलाधिकारी बलिया के बीच बचाव से मामला सझुराइल. बाहर खड़ा दुनू जने के समर्थकन के पुलिस लाठी भाँज के भगा दिहलसि. दुनू जने के गाड़ी अलग अलग जगहा खड़ा करा दिहलसि प्रशासन आ जबले दुनू जने चल ना गइलें तब ले ओकर साँस सटकल रहल. हालांकि बहरी निकलला का बाद दुनू जने बिना कुछ कहले निकल गइलें. माननीय लोग के अइसन हरकत देखावत बावे कि राजनीति के स्तर कवना पावदान पर आ गइल बा.
- यूपी के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव के दीहल इफ्तार सहभोज में जालीदार टोपी आ लाल चारखाना गमछी लिहले मुलायम सिंह आ अमर सिंह त अइलन बाकिर आजम खान गैर हाजिर रहलन. बलिया विधायक नारद राय आ मंत्री अंबिका चौधरीओ जालीदार टोपी पहिरले रोजेदारन के स्वागत में खड़ा रहुवे. बाकिर आजम खान के गैरमौजूदगी बहुत कुछ कह गइल सपा के मु्स्लिम ‘अमर’ प्रेम का बारे में.
- सिवान जिला के दुरौंदा थाना के बाल बंगरा गाँव के एगो आदमी मुंबई में नौकरी करेला. ईद का मौका पर गाँवे आवे से मना कइलसि त ओकर मेहरारू अपना दू गो बेटियन संगे आग लगा के जरल. एगो बेटी तीन बरीस के आ दोसरकी छह महीना के रहुवे. हालांकि घर वालन के कहना बा कि गैस सिलिंडर फटला का चलते भइल हादसा में एह तीनों के जान चल गइल.
- सारण जिला के बनियापुर में धनगढवा गांव में अपना गोल हिन्दुस्तान अवाम मोर्चा के सभा में बिहार के मुख्यमंत्री रहल जीतन राम माँझी कहलन कि नीतीश लोग के बरगलावे में लागल बाड़न. अनुसूचित जाति के मुख्यमंत्री के कुरसी से उतरला के बदला बिहार के जनता नीतीश से लीहि. कहलन कि उनका सरकार के 34 गो कैबिनेट प्रस्तावन में से महज सात गो के पारित करवलन नीतीश.
- सुने में आवत बा कि मुंबई बम धमाकन के दोषी याकूब मेमन के 30 जुलाई के फांसी दीहल जा सकेला. ओकर दया याचिका राष्ट्रपति का लगे खारिज हो चुकल बा आ सुप्रीमो कोर्ट पिछला 10 अप्रेल के ओकर पुनर्विचार याचिका खारिज कर दिहले रहुवे. बतावल इहो जात बा कि डेथ वारंट जारी हो गइल बा.
- पाकिस्तानी रेंजर्स का संगे मिल के भारत के सेना के हेमराज आ सुधाकर के मूड़ी काट ले जाए वाला आतंकी के काल्हु सुरक्षा बल एगो मुठभेड़ में मार गिरवलें. मुठभेड़ मेंढर तहसील के बलनोई गांव का नियरा अतवार देर रात भइल रहुवे. मराइल आतंकी पाकिस्तान के हजीरा गांव के रहुवे.
- चीन में बिना सरकार से पूछले बच्चा जनमवला पर रोक बा. आ दोसरका खातिर त अउरी कड़ाई रहेला. अबहीं चीन सरकार का लगे बयालिस हजार से अधिका निहोरा पड़ल बावे दुसरका बच्चा जनमावे के लाइसेंसे लेबे खातिर. एहमें से सैंतीस हजार लोग के अनुमति दे दीहल गइल बा.
- बलिया जिला प्रशासन एगो दू गो ना, पूरे पौने पाँच सौ स्कूलन के बंद करे के नोटिस जारी कइले बावे काहें कि एह स्कूलन के बिना मान्यता लिहले चलावल जात बा. सबले अधिका 71 गो स्कूल अकेले गड़वार ब्लाक में बावे. नगर क्षेत्र में अइसन 11 गो स्कूलन के नाम बा.
- यूपी के मंत्री रहल आ कांग्रेस, सपा, जनता दल, समता पार्टी वगैरह में रह चुकल आ सिकन्दरपुर से विधायको रहल राजधारी मंगल का दिने लखनऊ में भाजपा के सदस्यता ले लिहलें. पिछला चुनाव में सिकन्दरपुर से विधानसभा खातिर लड़ल रहलें बाकिर हार गइल रहलें राजधारी.
- गाजीपुर के बिरनो इलाका में गोपालपुर गाँव में जमीन का झगड़ा में एगो बूढ़ के ट्रैक्टर से कचार के मुआ दीहल गइल.
324 total views, 5 views today