web analytics

टटका खबर : (बियफे, 16 जुलाई 2015, अबेर संस्करण)

  • भारत आजु पाकिस्तान के साफ चेता दिहलसि कि अगर बिना मतलब सीमा पर गोलीबारी भइल त ओकर सही जवाब दीहल जाई. कहले बा कि सीमा पर शांति बनवले राखे खातिर भारत प्रतिबद्ध बा बाकिर एकर मतलब ई ना होखे कि हमनी का अपना सुरक्षा के कमजोर क देब. एह बीच आजुओ जम्‍मू के आरएसपुरा तहसील के कुछ गांवन पर आ पांच गो अगवढ़ सीमा चौकियन पर पाकिस्तानी गोलीबारी होखे के खबर बा.
  • जाति के गिनिती जारी करे का बारे में केन्द्र सरकार आजु बियफे का दिने कहलसि कि सही समय पर आँकड़ा जारी कर दीहल जाई बाकिर ओकरा से पहिले ऊ राज्य आपन रिपोर्ट त भेज देस केन्द्र का लगे जवना से जातियन के वर्गीकरण कइल जा सके. जातियन के वर्गीकरण करे खातिर एगो कमिटी बनावल गइल बा जवना के अध्यक्ष रहीहें नीति आयोग के उपाध्यक्ष डॉ. अरविन्‍द पानगाडिया. सरकार के कहना बा कि एह जनगणना में जातियन के 46 लाख नाम सामने आइल बा एकरा के सरिहावे खातिर राज्यन से सगरी जाति उपजातियन के नाम के वर्गीकृत क के भेजे के कहल गइल बा. जाति के आंकड़ा जारी करे खातिर हल्ला करे वाला राज्य त ई रपट जल्दी से भेज देसु.
  • वाराणसी में पीएम नरेन्द्र मोदी के कार्यक्रम खातिर डीरेका परिसर में मैदान सजावे में लागल एगो बिजली मजदूर के करंट लगला से भइल मौत का बाद कार्यक्रम रद्द कर दीहल गइल. ओह मजदूर के परिवार के साढ़े सात लाख रुपिया के सहायता देबे के एलान कइले बाड़न केन्‍द्रीय ऊर्जा मंत्री पियूष गोयल. एह हादसा के मजिस्ट्रेटी जाँच करावे के आदेश दे दीहल गइल बा.
  • बिहार विधानसभा चुनाव खातिर भाजपा के अगुअई में राजग के चुनाव प्रचार आजु से शुरू हो गइल. एकरा खातिर प्रचार वाहनन के पटना के गाँधी मैदान से सगरी बिहार खातिर रवाना करत भाजपा अध्यक्ष अमित शाह कहलन कि बिहार के विकास के गति देबे खातिर एनडीए के पक्ष में वोट डाले लोग. एह वाहनन से बिहार के हर विधानसभा क्षेत्र में प्रचार कइल जाई आ चुनाव होखे से पहिले नाहियो त एक लाख सभा करे के लक्ष्य बनावल गइल बा. एह मौका पर लोजपा अध्यक्ष रामविलास पासवान, रालोसपा अध्यक्ष उपेन्द्र कुशवाहा, आ हिन्दुस्तानी अवाम मोर्चा के संस्थापक जीतन राम मांझी वगैरह नेता मौजूद रहलें.
  • बिहारशरीफ विधानसभा के विधायक डॉ. सुनील कुमार आजु बियफे का दिने एलान कइलन कि ऊ अगिला चुनाव भाजपा का टिकट पर लड़ीहें. सब कुछ तय हो गइल बा बस एकर एलान होखल बाकी बा.
  • बकबकहा बिहारी बाबू एहघरी लगातार पटना में जमल बाड़े आ आपन पुरान हित मीतन से बतियावे में लागल बाड़े. उनुका एह सक्रियता से सभे हैरान बा कि चुनाव जीतला का बाद अपना इलाका में नजर ना आवे वाला ई आदमी काहे अतना सक्रिय हो गइल बा. ऊ अपना जाति के एकजुट क के आपन भाव बढ़ावे में लागल बाड़न.
  • महाराष्ट्र में गैर मराठा, हरियाणा में गैर जाट, आ झारखण्ड मे गैर आदिवासी मुख्यमंत्री देबे वाली भाजपा का बारे में कहल जात बा कि हो ना हो एक जमाना बाद बिहार में कवनो सवर्ण के मुख्यमंत्री बने के राह खुल जाव. शायद एकरे चलते पीएम आ बहुते भाजपा मुख्यमंत्रियन के पिछडी जाति के बतावे पर जोर दिहले बिया भाजपा.
  • यूपी में कानून व्यवस्था के हालत अइसन खस्ता बा कि एहिजा डीएम के कोठी आ रेलवे प्लेटफार्म तकले बिका जात बा. मुजफ्फरनगर के अइसने मामिला में एगो मंत्री के भतीजा के शामिल होखे के बात कहल जात बा.
  • भाकपा माले कहले बिया कि बिहार विधान सभा चुनाव में सगरी बँवारा दल मिलके तीसरा मोर्चा का रूप में चुनाव लड़ीहें.
  • इलाहाबाद उच्च न्यायालय के लखनऊ पीठ नोएडा विकास प्राधिकरण के निलम्बित चलत मुख्य अभियंता यादव सिंह के खिलाफ भ्रश्टाचार के जाँच सी.बी.आई. से करावे के आदेश दिहले बिया काहे कि यूपी सरकार यादव सिंह का खिलाफ जाँच में सुस्त बिया. कोर्ट के आदेंश एगो जनहित याचिका पर दीहल गइल.
  • यूपी में बंद पड़ल सिनेमाघरन के फेरू चालू करावे खातिर सरकार नया शासनादेश जारी कइले बिया. अब सिनेमाघर मालिकन के डिजिटल प्रोजेक्षन सिस्टम आ सौर ऊर्जा से चले वाला संयंत्र लगावे में सहायता दीहल जाई.
  • लगभग सगरी बिहार आ यूपी में काल्हु राते से रुक रुक के बरखा होखत बा. एहसे कई जगहा के जिनिगी अस्तव्यस्त हो गइल बा. इलाहाबाद, मिर्जापुर, वाराणसी आ बलिया में गंगा के पानी लगातार बढ़ल जात बा. राज्य के दोसरो नदियन के पानी बढ़े के खबर बा.
  • नेट तटस्थता पर आपन रिपोर्ट में दूरसंचार विभाग कहले बावे कि स्काइप, वॉट्सएप्प आ वाइबर जइसन इंटरनेट सेवा देबे वाला एप्लीकेशन के सरिहावे के जरूरत बा. बाकिर फेसबुक के इंटरनेट डॉट ओ आर जी जइसन सेवा ना होखे के चाहीं. कमिटी के राय बा कि ओवर द टॉप आ वॉइस ओवर इंटरनेट प्रोटोकॉल जइसन सेवा खातिर उदार रूख अपनावल जा सकेला.
  • सरकार हर तरह के विदेशी निवेश के एके साथे क्लब करे के फैसला कइले बिया जेहसे निवेशकन के कवनो दिक्कत ना होखे आ आराम से बिजनेस कर सकसु भारत में.
  • यूरोपीय देशन के मंत्री ग्रीस के सात अरब यूरो करजा देबे पर सिद्धांत रूप से सहमत हो गइल बाड़े.
  • भारत के पी. वी. सिंधू, किदांबी श्रीकांत आ समीर वर्मा सिंगल्स के दुसरका दौर में हार के चीनी ताइपे ओपन ग्रां प्री गोल्ड बैडमिंटन टूर्नामेंट से बाहर हो गइल बाड़े आ एह टूर्नामेंट में भारत के चुनौती खतम हो गइल बा. सायना नेहवाल आ पी. कश्यप एहमें हिस्सा ना लीहल.
  • अमेरिका के सबले पुरनिया राष्ट्रपति रहल जॉर्ज एचडब्लू बुश अपना घर में बिछिला के गिर गइलन जवना से उनुका गरदन के एगो हड्डी टूट गइल बा. 91 बरीस के बूढ़ जार्ज बुश के अस्पताल में भरती करावल गइल बा जहाँ उनकर हालत अबहीं सुधार पर बा.
  • भोजपुरी के साहित्य सरोकार से जुड़ल रहे खातिर भोजपुरिका डाॅटकाॅम पढ़त रहीं आ खबरन खातिर टटका खबर डाॅटकाॅम.

 263 total views,  5 views today

%d bloggers like this: