web analytics

टटका खबर : सबेर (बियफे, 16 जुलाई 2015)

  • पता ना कवना नक्षत्र के फेर बा कि जब जब पीएम मोदी के वाराणसी दौरा के कार्यक्रम बनेला तब तब बरखा उनकर आइल मुश्किल बना देले. आजुओ उनकर वाराणसी के कार्यक्रम बा आ रातही से रुक रुक के बरखा होखत बा. आजु उनुका एगो बिजली प्रोजेक्ट आ बीएचयू के ट्रामा सेंटर के उद्घाटन करे के बा.
  • लतखोर आदमी बात से ना माने वाला कहावत साँच करत पाकिस्तान बेर बेर युद्ध विराम के लाँघत रहेला आ काल्हुओ रात पौने दू बजे का आसपास भारत के चौकियन के निशाना बनवले बा पाकिस्तान. जम्मू के आरएस पुरा सेक्टर में होखत एह फायरिंग का खिलाफ भारत माकूल जबाबो देत बा आ पाकिस्तान से विरोधो जतवले बा.
  • बिहार के सासाराम में ताराचंडी मंदिर से घरे लवटत भाई बहिनन के रोक के भाई के सोझे पन्द्रह गो हरामी ओकरा दुनू बहिनन से बलात्कार कइलें. दुनू छठवीं आ सतवीं क्लास में पढ़ेली सँ जवना से ओकनी के कम उमिर के अंदाज लगावल जा सकेला. दुनू ममेरी आ फूफेरी बहिन हई सँ. घटना तनपीर पहाड़ इलाका में भइल.
  • टाटा संस के आनरेरी चेयरमैन रतन टाटा काल्हु सकार लिहलन कि नैनो कार के मार्केटिंग में कंपनी से कुछ गलती हो गइल जवना चलते एकरा के सबले सस्ता कार का तरह ब्रांडिग करा दीहल गइल. जबकि एकरा के किफायती कार का तरह प्रचारित करे के चाहत रहुवे. रतन टाटा चेन्नई के ग्रेट लेक्स इंस्टिट्यूट ऑफ मैनेजमेंट के 11वां दीक्षांत समारोह में बोलत रहुवन.
  • दक्खिन अफ्रीका के आखिरी एकदिना मैच में हरा के बांगला देश के टीम तीन मैचन के एह सीरिज के 2-1 से अपना नामे कर लिहलस.
  • मुख्यमंत्री नीतीश कुमार बुध का दिने दिल्ली में बोलावल नीति आयोग के बइठक में शामिल भइलन जहाँ ऊ विषय का जगहा बिहार के होखत आर्थिक नुकसान पर जोर दिहलन. बइठक भूमिसुधार विधेयक का बारे में बोलावल रहुवे.
  • बिहार विधानसभा चुनाव में जीत पक्का करे खातिर भाजपा कवनो कोर कसर बाकी नइखे छोड़े वाला. आजु पार्टी के 160 गो प्रचार रथ के रवाना करीहें राष्ट्रीय अध्यक्ष अमित शाह. एह वाहनन का सहारे बिहार में एक लाख सभा करे के योजना बा भाजपा के.
  • बेली रोड पर बनल बिहार अंतरराष्ट्रीय म्यूजियम के उद्घाटन 31 जुलाई का दिने मुख्यमंत्री नीतीश कुमार करीहें. एही दिने बिहार म्यूजियम के वेबसाइटो लांच होखी. अलग बात बा कि पिछला दू महीना से एकरा कर्मचारियन के तनखाह नइखे दे सकल बिहार सरकार.
  • फर्जी नौकरी के गोरखधंधा के भंडाफोड़ करत यूपी के स्पेशल टास्क फोर्स नोएडा के दू गो काल सेन्टरन के बंद करा दिहलसि आ ओहिजा काम करत 69 लोग के गिरफ्तार कर लिहलसि. एहमें 21 गो महिला कर्मचारी बाड़ी. एह लोगन पर आरोप बा कि नौकरी दिआवे के बहाने ई लोग नवहियन के ठगे में लागल रहुवे.
  • बुध का दिने भोर में दिलदारनगर टीसन का आगे दिल्ली से आवत संपूर्ण क्रांति एक्सप्रेस के इंजन के कपलिंग बाकी ट्रेन से अलग हो गइल आ दनदनात इंजन एक किलोमीटर ले आगे चल गउवे. बाद में गार्ड का फोन पर इंजन वापिस लवटल आ फेर गँवे गँवे पटना खातिर रवाना भइल.
  • काॅलेजन में सीट के कमी बा आ नवहियन के आबादी जे बा कि बढ़ले जात बा. एह चलते कवनो काॅलेज सगरी आवेदकन के दाखिला ले ना सके. बाकिर एह मजबूरी के अनदेखी करत विद्यार्थी जगहे जगह बवाल करे में लागल बाड़े. काल्हु छपरा के रिविलंगज के पीएनसिंह डिग्री काॅलेज में एही खातिर बवाल भइल. विद्यार्थियन के कहना बा कि दाखिला में पक्षपात भइल बा.
  • अखिल भारतीय कांग्रेस के नब्बे करोड़ रुपिया भलहीं सोनिया गाँधी आ राहुल गाँधी बेइमानी क के पचा गइलें बाकिर छपरा के कांग्रेसी संपति के लीज पर देबे वाला ओह समय के अध्यक्ष मनोज कुमार भारद्वाज आ लीज लेबे वाला नवीन कुमार पर मुकदमा हो गइल बा. दुनू जने के अगवाह जमानत के अर्जी छपरा जिला जज के अदालत से खारिज क दीहल गइल. एह मामिला में दू गो अउरी कांग्रेसी आरोपी बाड़े.
  • यूपी के पाँच लाख के इनामी डाकू बलखड़िया के मरइला के पुष्टी करत चितरकूट पुलिस ओकरा दाह संस्कार के फोटो जारी कइले बिया. कहलसि कि जल्दिए ओकरा राख आ हड्डी के डीएनए जाच करावल जाई.
  • मुलायम सिंह से रार ठाने के ‘गलती’ करे वाला आईपीएस अधिकारी अमिताभ ठाकुर पर लगातार तरह तरह के केस दर्ज करावल जात बा, निलंबित त करिए दीहल गइल बा आ अब आदेश भइल बा कि अमिताभ ठाकुर के सगरी परिवार के कीनल बेसाहल संपति के लेखा जोखा तइयार करावल जाय.
  • मोरी निकाले का झगड़ा में काल्हु बलिया के मनियर इलाका के निपनिया गाँव में एगो रिटायर्ड फौजी रमाशंकर यादव के उनकरे पटीदार पीट पीट के हत्या कर दिहलें. हालांकि डाक्टरन के कहना बा कि मौत हार्ट अटैक से भइल बा.
  • बलिये में जमीन के झगड़ा ले के सिकन्दरपुर के बनहरा गाँव में बाप बेटा के गोली मार के हत्या कर दिहलें पटीदार. एह मारपीट में सात जने घवाहिलो भइल बाड़े.
  • रमजान का महीना में जब मुसलमान विद्यार्थी रोजा पर रहेलें बेरुआरबारी के शिवपुर का तहसीली स्कूल आ बैरिया के एगो स्कूल समेत अनेके स्कूलन में विद्यार्थियन के चावल कोफ्ता का संगे दूधो परोसल गइल. सेमरी के इस्लामिया स्कूल में बेसिक शिक्षा मंत्री रामगोविन्द चौधरी अपनहूं विद्यार्थियन के दूध परोसलेंं. हालांकि बलिया के बहुते स्कूलन में दूध पियावे के महज खानापूर्ति भइल. बिल भँजा लीहल जाई तवन अलग बात होखी.
  • बलिया जिला के सुरेमनपुर इलाका के आधा दर्जन गाँवन के एह साल बाकी जिला से कटल तय बा. बरखा का चलते बालक बाबा पुल के चहुँप रोड कटल शुरु हो गइल बा. हर साल ई बाढ़ में दहात रहेला आ बाद में मरम्मति का नाम पर वारा न्यारा होखत रहेला. गाँव वालन के परेशानी होखे एहसे का.

 462 total views,  3 views today

%d bloggers like this: