- राजद नेता लालू प्रसाद के कहना बा कि भाजपा के परिवर्तन रथन का जवाब में ऊ एक हजार टमटम से आपन चुनाव प्रचार शुरू करीहें. जान जाई कि राजनीतिक नौटंकीबाजी आ लबरई मे लालू के आजु ले कवनो सानी नइखे.
- उत्तर आ दक्खिन बिहार के जोड़े वाला पटना से सोनपुर का बीच गंगा नदी पर बनत रेल सह सड़क पुल के काम अब अपना आखिरी दौर में बा. एह लाईन के जाँच करे खातिर एह पर 25 तारीख के एगो इंजन चलावल जाई.
- बिहार के भाजपा नेता आ केन्द्रीय मंत्री गिरिराज सिंह के कहना बा कि बिहार में कवनो सवर्ण के मुख्यमंत्री ना त बनावल जा सकेला ना केहु बनल चाहत बा. कहलन कि लालू नीतीश का संगत में पड़ के अनाप सनाप बोले लागल बाड़े.
- रमज़ान के महीना पूरा भइला का बाद आजु चांद लउक गइलें आ अब काल्हु पूरा देश में ईद उल फितर मनावल जाई. उपराष्ट्रपति आ प्रधानमंत्री एह पर्व पर देशवासियन के बधाई दिहले बाड़े.
- यूपी में पूर्वांचल के बाहर राज्य के दोसरा हिस्सन में इलेक्ट्रानिक्स, दूध, सीमेन्ट, पेपर, फर्टिलाइज़र आ इस्पात के नया कारखाना लगावे खातिर आजु आठ गो लेटर आफ कम्फर्ट जारी कइल गइल. एह कारखानन से 21 हजार लोग के नौकरी मिली बाकिर पूर्वांचल खातिर अइसन कवनो एलान ना भइल एह सिलसिला में.
- बिजली चोरी का खिलाफ़ यूपी में 21 जुलाई से दू महीना के अभियान चलावल जाई जवना में सभका से कहल जाई कि ऊ लोग आपन मीटर गवा लेस आ देखस कि मीटर में कवनो तरह के गड़बड़ी त नइखे.
- आजु उत्तर प्रदेश के अनेके नेता भाजपा में शामिल होखे के एलान कइलन. एहमें सपा के अमरजीत सिंह जनसेवक आ बसपा के जय प्रकाश सैनी
खास रहलन. - मथुरा के बृज क्षेत्र में गोवर्धन परिक्रमा के एक महीना ले चले वाला कार्यक्रम आजु पूरा हो गइल. एह साल एह परिक्रमा में करीब 40 लाख लोग शामिल भइल जवन कि एगो रिकार्ड हो गइल.
- वाराणसी आ इलाहाबाद के बीच स्थित सीता समाहित स्थल सीतामढ़ी में आजु से नौ दिन के लव कुश मेला शुरू हो गइल.
- शुक का दिने पूरा यूपी में जोरदार बरखा होखे के समाचार बा.
- मध्यप्रदेश के व्यापम घोटाला के जाँच करत सीबीआई आजु शुक का दिने पाँच गो अउर एफआईआर दर्ज कइलसि. ई मिला के अबले कुल दस गो केस दर्ज हो चुकल बा. आजु मेडिकल छात्रा रहल नम्रता डामोल के मौत के संदिग्ध मानत ओह केस के फेरू से खोल दीहल गइल जवना के आत्महत्या के मामला बता के बंद कर दीहल गइल रहुवे.
- असम के नलबाड़ी जिला के टीहू में एगो जवान अपने साथियन पर गोली चला के सीआरपीएफ के हेड कॉन्स्टेबल समेत दू लोग क मार दिहलस. चार गो जवान घवाहिलो भइल बाड़े. घटना के मजिस्ट्रेटी जांच के आदेश दे दीहल गइल बा.
- असम के मुख्यमंत्री तरुण गोगोई तिनसुकिया में उल्फा के हाथे दू गो नागरिकन के हत्या भइला का बाद अउरी केन्द्रीय सुरक्षा बल मँगले बाड़न. कहलन कि उग्रवादियन के खिलाफ अभियान तेज कइल जाई. बंगलादेश से होखत घुसपैठ खातिर केन्द्र के जिम्मेदार बतावत गोगोई कहलन कि सीमा के सुरक्षा केन्द्र का लगे बा त राज्य सरकार के कइसे जिम्मेदार ठहरावल जा सकेला.
- जम्मू में केन्द्रीय गृहमंत्री अरुण जेटली के कांग्रेसी ससुर स्व़ गिरधारी लाल डोगरा के जन्म शताब्दी समारोह में बोलत प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी कहलन कि देश के महान नेतन के लोग दोसरा दल के होखला का बावजूद याद करेला आ लोकतांत्रिक व्यवस्था में राजनीतिक छुआछूत खातिर कवनो जगहा ना होखे के चाहीं. गिरधारी लाल डोगरा कांग्रेसी रहलन.
- पीएम मोदी का खिलाफ राहुल गाँधी के गैर जिम्मेदार बयान का बाद भाजपो से वइसने बयान सामने आइल बा कि अपना गड़तर से बाहर निकलसि राहुल. राहुल के नौसिखियो बतवले बिया भाजपा कि उनुका अबहीं ले बात करे नइखे आइल. भाजपा कहलसि कि अगर आलोचना करे के बा त मुद्दा पर होखे के चाहीं आदमी पर ना. आजु एक एक इंच जमीन के बात करे वाला राहुल के जीजा के हरियाणा आ राजस्थान के कांग्रेसी सरकार बहुते जमीन दे दिहले रहुवे पहिले तवना के सफाई देसु राहुल.
- प्रसार भारती के मुख्य कार्यकारी अधिकारी जवाहर सरकार आजु कहलन कि लोग के स्मार्ट फोन, टैबलेट आ कम्प्यूटर पर बिना कवनो शुल्क लिहले कई गो टेलीविजन चैनल देखावे के योजना बनावल जा रहल बा.
- पिछला एक महीना से अधिका से मुंबई जाए का राह में इटारसी के आरआरआई केबल जरला से होखत दिक्कत के अंत करीब आ गइल बा. अब 23 जुलाई से एह रुट पर रेलगाड़ियन के आवाजाही रोजदिन लेखा हो जाई.
- मुंबई के डांस बार पर भइल छापेमारी के कवरेज करत तीन गो पत्रकारों पर भइल हमला का बारे में जवना पत्रकार से पूछताछ कइल रहे तवना के लाश भयंदर में काशीमीरा इलाका में मिलल बा. मरे वाला पत्रकार राघवेंद्र दुबे एगो लोकल साप्ताहिक में काम करत रहलें. लाश का माथ पर चोट के निशान नजर आवत बा.
- नियामक संस्थन से मंजूरी मिलत में देरी भइला का चलते दक्षिण कोरिया के इस्पात कंपनी, पोस्को, ओड़िशा में लगावे वाला आपन 12 अरब डॉलर के इस्पात परियोजना टार दिहले बिया. हालांकि भारत में कंपनी के प्रवक्ता के कहना बा कि पोस्को देश छोड़ के नइखे जात.
- बाम्बे स्टॉक एक्चजेंस के सेंसेक्स आजु 17 अंक के मामूली बढ़त लेके बंंद भइल आ निफ्टी महज 2 अंक बढ़ के.
- हरारे में खेलल गइल भारत जिम्बाब्वे के पहिलका बीसबीसा मैच में भारत जिम्बाब्वे के 54 रन से हरा दिहलसि.
- भारतीय रिजर्व बैंक लोगन से निहोरा कइले बावे कि करेसी नोट पर जहाँ गाँधी जी के फोटो वाला वाटर मार्क बनेला तवना खारील जगहा पर कुछ लिखल मत जाव. एकरा से नोट के जाली असली चिन्हे में बैंकन के दिक्कत होखत बा.
386 total views, 5 views today