web analytics

टटका खबर : शनिचर, 18 जुलाई 2015 (अबेर)

  • अगिला हप्ता एक दिन के दौरा पर बिहार आवे वाला बाड़न प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी. 25 जुलाई का दिने ऊ पहिले पटना में भारतीय कृृषि अनुसंधान परिषद के स्थापना दिवस समारोह के संबोधित करीहें. फेरू आईआईटी के नया बनल भवन के उद्घाटन. पटना में पाईप लाईन से गैस आपूर्ति योजना के शिलान्यास आ दनियावां बिहारशरीफ रेलवे लाईन के शुभारंभ करइहें. पटना से मुबंई का बीच चले वाला नया सुविधा ट्रेन के रवाना करइहें आ दिल्ली लवटे से पहिले मुजफ्फरपुर जा के भाजपा के रैली के संबोधित करीहें.
  • राजद के वरिष्ठ नेता रघुवंश प्रसाद सिंह के कहना बा कि जदयू गठबंधन धर्म नइखे निभावत. ओकरा सगरी कार्यक्रम में सिर्फ नीतीश कुमार के फोटो लगावल जात बा जबकि गठबन्हन होखला का बाद लालू प्रसादो के फोटो लगावे के चाहीं. कहलन कि नीतीश के शराबबंदी जरूरी लागत बा त चुनाव बाद के बात काहें करत बाड़े अबहिंए बंद कर देबे में का परेशानी बा?
  • पश्चिम चंपारण जिला के सेमरा इलाका के भेड़ाचौर गांव का लगे से तीन दिन से गायब छात्र नीरज के लाश मिलल बा.
  • बिहार के जमुई जिला से आजु शनिचर का दिने एगो कट्टर माओवादी के गिरफ्तार कर लिहलसि पुलिस. ऊ झारखंड के कोडरमा जिला के सतगामा गांव के संजय उर्फ नेपाली नाम के नक्सली बतावल जात बा.
  • ओडिशा के पुरी में भगवान जगन्नाथ के नव कलेवर रथ यात्रा का दौरान अलग-अलग घटना में तीन लोग के मौत भइल आ 20 लोग घवाहिल हो गइल. दू गो मेहरारू मरीच कोट आ बालागंडी चौराहे का लगे के गुडीचा मंदिर का लगे मरल मिलली आ एगो आदमी समुद्र में नहात मे डूब गइल. दू आदमी के मौत रेल हादसा में भइल बा. बाकिर ब्रेकिंग न्यूज का हड़बड़ी में कुछ चैनल एह सब के मिला के भगदड़ में भइल मौत बना दिहलें.
  • भाजपा के कहना बा कि जम्‍मू कश्‍मीर में पाकिस्‍तानी झंडा लहरावे वालन का खिलाफ कानूनी कार्रवाई कइल जाई. कांग्रेसो एह हरकत पर चिंता जतवले बिया. ओकर कहना बा कि केन्द्र आ राज्य दुनू जगहा भाजपा के सरकार बा आ उहे बतावे कि एह तरह के हरकत का खिलाफ ऊ का करे जात बिया.
  • सोमार का दिने एनडीए के सगरी सहयोगियन के बइठक प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी बोलवले बाड़न. संसद के मानसूत्र सत्र शुरु होखे से एक दिन पहिले बोलावल एह बइठक में व्‍यापम घोटाला, ललित मोदी विवाद, जातीय जनगणना समेत सगरी मुद्दन पर विपक्ष से निपटे के रणनीति बनावल जाई.
  • राजधानी दिल्ली के पश्चिमी इलाका में शनिचर का रात एगो एक मंजिला मकान पर बगल के चार मंजिला मकान ढह के गिर गइल जवना से दुनू मकान के करीब डेढ़ दर्जन लोग मलवा में फँसल बा.
  • गोण्डा जिला के कोतवाली देहात के माधवपुर गांव के गजाधर पुरवा में दू गो चचेरा भाइयन के गोली मार के हत्या क दीहल गइल बा, चार जने घवाहिलो भइल बाड़े. पुलिस एह मामिला मे तीन जने के गिरफ्तारो कइले बिया.
  • देश भर में ईद हँसी खुशी का साथे मनावल गइल बाकिर कश्‍मीर में एकाध जगहा से पथराव के खबर आइल बा.
  • देश मे हाल के बढ़िया बरखा का बाद खरीफ फसल के बुवाई में रिकार्ड बढ़ोतरी भइल बा आ पिछला साल का मुकाबले एह साल 6 लाख हेक्‍टेयर अधिका खेत में धान के बुवाई भइल बा आ दलहन के खेती पिछला साल का मुकाबले दुना हो गइल बा.
  • इराक में राजधानी बगदाद का उत्‍तर में इस्‍लामिक स्‍टेट के कइल आत्‍मघाती कार बम हमला में 90 लोग मारल गइले आ अनेके लोग लापता बाड़े. साल 2003 का बाद के ई सबले बड़ आतंकी हमला बतावल जात बा इराक में.
  • क्राइस्‍टचर्च में एशिया-ओशियाना डेविस कप ग्रुप एक के डबल्‍स मुकाबला में रोहन बोपन्ना आ साकेत माइनेनी के जोड़ी के हरला से भारत न्‍यूजीलैंड से एक-दू से पिछड़ ग‎इल बा.

 312 total views,  5 views today

%d bloggers like this: