web analytics

टटका खबर : 18 जुलाई 2015 (सबेर)

17 जुलाई के अबेर संस्करण से आगे

  • ओडिशा के पुरी में भगवान श्री जगन्‍नाथ जी के रथ यात्रा आजु हो रहल बा. एह शताब्‍दी के पहिलका नव कलेवर रथ यात्रा में शामिल होखे खातिर लाखों के संख्या में श्रद्धालु पुरी चहुँपल बाड़े. देश के बाकियो हिस्सा में कई जगहा से रथ यात्रा निकाले के खबर आइल बा. आज श्री सुदर्शन भगवान, बलभद्र, आ देवी सुभद्रा श्री जगन्नाथ विग्रह मंदिर के सोझा सजा के राखल रथ पर सवार होखीहें आ रथ से गुंडिच्चा जइहें. रथ के श्रद्धालु लोग बड़का बड़का सींकड़ से खींचत ओहिजाले ले जाई. नौ दिन गुंडिच्चा मंदिर में रहला का बाद विश्राम के बाद भगवान जगन्नाथ, देवी सुभद्रा आ भगवान बलभद्र एही रथ से वापिस लवटीहें.
  • रथ यात्रा के मौका पर प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी जगन्‍नाथ मंदिर में एक पत्र आ मूंग, जामुन अउर आम के प्रसाद भेजले बाड़ें आ देशवासियन के बधाई दिहले बाड़ें. रथ यात्रा के आँखो देखल सीधा प्रसारण आजु रेडियो आ दूरदर्शन पर अंग्रेजी आ हिन्दी में देखावल जाई.
  • अहमदाबाद शहर में निकले वाला भगवान जगन्नाथ जी के रथ यात्रा में 18 गो हाथी, 101 ट्रक, 30 गो धार्मिक अखाड़ा, आ 18 गो भजन मंडली तीनों रथ का साथे चलीहें आ जमालपुर, कालुपुर, देलही चकला, दरियापुर अउर शाहपुर से होखत साँझ बेरा वापिस लवटीहें. एह रथयात्रा का चलते राह में पड़े वाला मस्जिद में एक घंटा पहिले नमाज पढ़ लीहल जाई जेहसे कि कवनो बाधा ना आवे रथयात्रा में.
  • इलाहाबाद उच्‍च न्‍यायालय काल्हु ग्रेटर नोएडा प्राधिकरण के आदेश दिहलसि कि पतवाड़ी गांव के किसानन के 589 हैक्‍टेयर जमीन एक महीना का भीतर वापस कर देव. अगर ना भइल त प्राधिकरण के अध्‍यक्ष आ मुख्‍य कार्यकारी अधिकारी पर अदालत के अवमानना करे के मुकदमा चलावल जाई. अदालत के फैसला एगो किसान के शिकायत पर दीहल गइल कि आदेश का बावजूद जमीन वापिस नइखे करत नोएडा प्राधिकरण. प्राधिकरण बाद में सुप्रीम कोर्ट गइल रहे बाकिर ओहिजो हाईकोर्ट के आदेश बरकरार राखल गइल रहे.
  • प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी 46 वां भारतीय मजदूर संघ सम्‍मेलन से पहिले अतवार का दिने केन्‍द्रीय मजदूर संघन के 21 गो प्रतिनिधियन से मुलाकात करीहें. मजदूर नेता लोग से पीएम के ई पहिलका मुलाकात होखे जा रहल बा आ श्रम सुधार के विरोध करत मजदूर संघ से पीएम के एह बातचीत बहुते खास होखे वाला बा.
  • शिवसेना के कहना बा कि केन्द्र में सरकार बनला का बादे से गठबन्हन के अहमियत कम होखत जात बा. शिवसेना चाहत बिया कि गठबन्हन के बइठक बोलावल जाए आ एकरा के ओही तरह नियमित राखल जाव जइसे बाजपेयी सरकार के जमाना में होखत रहुवे. बाकिर शिवसेना ई याद नइखे रखले कि तब भाजपा के बहुमत ना रहुवे आ आजु भाजपा अकेले बहुमत में बिया. हालांकि गठबन्हन का बीच राय मशविरा होखत रहे त विपक्ष से निपटल आसान होखी.
  • पीएम मोदी से मिले आइल नेपाल के प्रधानमंत्री रहल आ नेपाल एकीकृत कम्युनिस्ट पार्टी-माओवादी के अध्‍यक्ष पुष्‍प कमल दहल प्रचंड के प्रधानमंत्री भरोसा दिहलन कि भूकंप से तबाह नेपाल के फेरु से खड़ा करे में भारत के भरपूर सहयोग मिली. पीएम इहो आशा जतवलें कि नेपाल के नयका संविधान जल्दिए बना लीहल जाई आ ओकरा के सभकर समर्थन मिली.
  • जदयू, राजद आ कांग्रेस गठबन्हन में विधानसभा चुनाव खातिर सीटने के बँटवारा में समय लीहल जाई आ आखिरी मौका पर हालात देख के फैसला लीहल जाई. ई लोग राजग गठबन्हन के सीट बँटवारा के फैसला का बादे आपन सीट बाँटे का बारे में फैसला करी.
  • IMG0058Aनिरहुआ के फिलिम जिगरवाला काल्हु शुक का दिने बिहार में रिलीज हो गइल. एकर मुकाबला सलमान खान के बजरंगी भाईजान से होखे जा रहल बा बाकिर छपरा में जिगरवाला के दू गो सिनेमाहाल में लगावल गइल बा आ बजरंगी के महज एगो सिनेमा हाॅल में लगावल गइल बा.
  • देश भर में आजु ईद मनावल जा रहल बा. काल्हु चांद देखे के एलान का बाद ईद मनावल तय हो गइल रहे. राष्‍ट्रपति, उपराष्‍ट्रपति आ प्रधानमंत्री एह मौका पर सभका के बधाई दिहले बाड़े. यूपी में एह मौका पर अमन चैन बनवले राखे खातिर पुलिस के चौकस राखल गइल बा.
  • इंटरनैशनल रेटिंग आ रिसर्च फर्म क्रिसिल के कहना बा कि आवे वाला दिन भारत के आम आदमी खातिर नीमन होखे जा रहल बा. पेट्रोल आ डीजल के दाम में हर लीटर पर छह रुपिया कमी होखे. सोना के दाम हर दस ग्राम पर पचीस हजार रुपिया से नीचे होखे, आ खाए पिए के सामान सस्ता होखे के अंदाज लगवले बावे क्रिसिल.
  • चीन में एगो भारतीय व्यापारी राजीव मोहन कुलश्रेष्ठ के आतंकवादियन से संबंध राखे का आरोप में 10 जुलाई का दिने गिरफ्तार कर लीहल गइल रहे. अब उनुका के रिहा क के भारत वापिस भेज दिहले बिया चीन सरकार.
  • ग्‍लोबल रेटिंग एजेंसी फिच के कहना बा कि अमरीका के फेडरल रिजर्व के ब्‍याज दर बढ़वला से भारत आ ब्राजील समेत पांच गो उभरत अर्थव्‍यवस्‍थन पर कवनो असर पड़त नइखे लउकत. एजेंसी के उमेद बा कि साल खतम होखे से पहिले अमरीका के फेडरल रिजर्व के ब्‍याज दर बढ़ल शुरू हो जाई.
  • डेविस कप टेनिस एशिया ओशेनिया ग्रुप के दुसरका दौर में भारत आ न्‍यूजीलैंड 1-1 के बराबरी पर बाड़ें. पहिला मैच में सोमदेव देवबर्मन न्‍यूजीलैंड के माइकल वीनस से हार गइलन बाकिर दुसरका सिंगल्‍स में युकी भांबरी जोस स्‍टैथम के हरा दिहलें.
  • ऐशेज क्रिकेट टेस्‍ट सीरिज के दुसरका मैच का तिसरका दिने आजु इंग्‍लैंड अपना पहिला पारी में 85 रन से आगे खेली. ऑस्‍ट्रेलिया आपन पहिला पारी 8 विकेट पर 566 रन बनाके घोषित कर दिहले रहुवे. इंग्‍लैंड के फालोऑन से बाचे ला 282 रन के जरूरत बा.
  • दू दू बेर इम्तिहान में फेल हो चुकल शिक्षक लोग के दक्षता परीक्षा में शामिल होखे के एगो मौका अउरी देबे के अनुमति दिहले बाे पटना हाई कोर्ट.

 177 total views,  2 views today

%d bloggers like this: