web analytics

टटका खबर : अतवार, 19 जुलाई 2015 (अबेर)

  • संसद के मानसून सत्र में घटा घनाघोर छापे के अनेसा बढ़ गइल बा. गर्जन तर्जन का साथे बिजली कड़की बाकिर ठनका ना गिरी. घटा घेरी बाकिर बरखा ना होखी. सांसद जुटीहें बाकिर काम ना होखी. काहें कि ना त कांग्रेस पीछे हटे वाली बा ना भाजपा ओकरा दबाव से दबे वाली बा. नुकसान होखी देश के काम के. दामाद श्री खातिर हरियाणा आ राजस्थान के जमीन खुला हाथे लुटे देबे वाली कांग्रेस अब एको इंच अधिग्रहण ना होखे देबे के बात करत बिया. घोटाला के नया नया रिकार्ड बना चुकल कांग्रेस के चारो ओर घोटाले लउकत बा. बस ओकरा अफसोस इहे लागत बा कि सकल पदारथ एही जग माही लउकत बा पर ठेकत नाहीं. बबुआ अलगे परेशान बा कि ओकरा बात के गंभीरता से नइखे लेत भाजपा आ उलुटे उनुके के गड़तर से अलगा होखे के कहतिया.
  • अतवार का दिने भाजपा के संसदीय रणनीति तय करे खातिर भइल बईठक में सुषमा स्‍वराज, वसुन्‍धरा राजे, आ शिवराज सिंह चौहान से जुड़ल मुद्दा पर हमलावर मुकाबला करे के योजना बनल. एह बईठक में भाजपा अध्‍यक्ष अमित शाह कांग्रेसी नेता रहल स्व. गिरधारी लाला डोगरा के दामाद आ वित्त मंत्री अरुण जेटली, विदेश मंत्री सुषमा स्‍वराज, मानव संसाधन मंत्री स्‍मृति ईरानी, संचार मंत्री रविशंकर प्रसाद वगैरह का साथे एह योजना के फाईनल कइलें. एह बईठक में राजस्‍थान के मुख्‍यमंत्री वसुन्‍धरा राजे मौजूद रहली. भाजपा के साफ कहना बा कि कवनो हाल में केहु के इस्तीफा नइखे होखे वाला.
  • एकरा बाद प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदीओ भाजपा अध्‍यक्ष अमित शाह आ बड़का केंद्रीय मंत्रियन का साथे के अपना निवास पर बईठक करत बाड़े जवना में राजनाथ सिंह, सुषमा स्‍वराज, वेंकैया नायडू आ राजीव प्रताप रूड़ी शामिल बाड़े.
  • महागठबन्हन के नेता आ चारा घोटाला में सजायाफ्ता राजद नेता लालू प्रसाद जाति के राजनीति में अझुराइल बाड़न आ कवनो तरह से बिहार में जातीय उन्माद जगावल चाहत बाड़न जवना से उनुका समय के जंगल राज के चरचा बंद हो सके आ एगो नया चरचा होखे लागे जवना में पिछड़ा राजनीति का भरोसे सरकार बनावल जा सके. अलग बात बा कि बिहार के यादवो नेता लोग लालू के भाव देत नइखन लउकत.
  • केंद्र आ बिहार सरकार के नीतियन का खिलाफ बंवारा गोल के लोग 21 जुलाई का दिने बिहार बंद के गोहार लगवले बाड़े. एह लोग के बंद के लालू के साला साधु यादव के गोल गरीब जनता दल सेक्यूलरो के समर्थन हासिल बा.
  • पश्चिम चंपारण जिला के मंझौलिया इलाका के पारस पकड़ी गांव का नियरा बिजली के करंंट लगला से तीन गो मजदूरन के मौत हो गइल आ चार गो घवाहिल हो गइलें. ई लोग बिजली पोल लगावे का दौरान तार से सट गइलें आ ई हादसा हो गइल.
  • पटना के गांधी मैदान इलाका में एगो डाक्टर का घर पर डाका डाल के पन्द्रह लाख के संपति लूट ले गइलें स डकैत.
  • सारण जिला के मांझी कृषि विज्ञान केंद्र के देश के सबले बढ़िया केन्द्र का रूप में चुनल गइल बा आ एह केन्द्र के चार लाख रुपिया के इनाम देबे के एलान भइल बा. पीएम नरेन्द्र मोदी का हाथे केंद्र के प्रोग्राम को-ऑर्डिनेटर रत्नेश झा के अवार्ड दीहल जाई.
  • यूपी में बिजली चोरी रोके खातिर 21 जुलाई से बाकायदा अभियान चला के हर घर के बिजली खपत चेक कइल जाई आ देखल जाई कि केहु बिजली चोरावत त नइखे. एह अभियान के दू महीना ले चलावे के योजना बा.
  • जनता पार्टी के समय यूपी के मंत्री रह चुुकल राजबलि तिवारी के काल्हु शनिचर का दिने वाराणसी निवास पर निधन हो गइल. 89 बरीस के तिवारी जी लमहर समय से बेमार चलत रहलें.
  • गोरखपुर-भटनी रेलखण्ड पर देवरिया जिला के खुखुन्दू इलाका में शनिचर के देर रात एगो रेलगाड़ी से कटा के तीन जने के मौत होखे के खबर बा. ई लगो लाइन धइले जात रहुवे जब ट्रेन का चपेटा में आ गइल लोग.
  • मध्‍यप्रदेश विधानसभा के मानसून सत्र काल्हु से भोपाल में शुरू होखे जात बा आ बारह दिन ले एकर सत्र चले वाला बा.
  • प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी आ केन्‍द्रीय मजदूर संगठनों के प्रतिनिधिमंडल का बीचे आजु श्रम सुधारन पर चरचा भइल, ई पहिला मौका रहुवे जब प्रधानमंत्री आ मजदूर संगठनन का बीच बात भउवे. हालांकि एह मुलाकात का बादो श्रम सुधारन पर गतिरोध बनल रह गइला के खबर बा.
  • आई पी एल सट्टेबाजी मामिला में न्यायमूर्ति आर एम लोढ़ा के फैसला पर विचार करे आ बीसीसीआई के अगिला योजना बनावे खातिर एगो समिति बनावल गइल बा जवना के चेयरमैन महाईमानदार कांग्रेसी नेता राजीव शुक्ला के बनावल गइल बा.
  • क्राइस्‍टचर्च में एशिया ओशेनिया ग्रुप एक डेविस कप मुकाबला में न्‍यूजीलैंड के तीन-दू से हराके भारत विश्‍व ग्रुप प्‍ले ऑफ में जगह बना लिहलसि. सोमदेव देववर्मन आ युकी भांबरी आपन आपन रिवर्स सिंगल्‍स मुकाबला जीतके भारत के विजयी बनवलें.
  • हरारे में दुसरका बीसबीसा मैच में मेजबान जिम्बाब्वे टीम भारत पर बीस पड़ल आ भारत के दस रन से हरा के दू गो बीसबीसा के सीरिज बराबर कर लिहलसि.

 292 total views,  5 views today

%d bloggers like this: